टटका खबर : 14 सितंबर 2014

by | Sep 14, 2014 | 0 comments


टटका जानकारी


आजु हिन्दी दिवस ह. आजुए जेएनयू के छात्रसंघ चुनाव के रिजल्ट आवे वाला बा.
जिउतिया परसो 16 सितंबर के मनावल जाई. 13 सितंबर के पड़ल वोट 16 सितंबर के गिनल जाई.
17 सितंबर के विश्वकर्मा जयन्ती आ नरेन्द्र मोदी के जन्म दिन पड़ी. ओही दिन चीन के राष्ट्रपति भारत यात्रा पर अइहें आ अहमदाबाद में नरेन्द्र मोदी का घरे जा सकेलें.


टटका भारत


नौ राज्यन में तीन गो लोकसभा आ 33 गो विधानसभा सीट पर शनिचर का दिने उपचुनाव के वोट निमना से निबट गइल. औसतन 50 प्रतिशत से 74 प्रतिशत ले वोट पड़ल.

केन्द्रीय मंत्री रहल अजीत सिंह समेत करीब 30 गो सांसदन के डेरा के बिजली-पानी के कनेक्शन काट दिहल ग‎इल बा काहे कि ई लोग डेरा खाली नइखे करत.

दिल्ली जेएनयू छात्र संघ चुनाव के वोट गिनात बा. काउन्सिल में विद्यार्थी परिषद के 26 में से 11 सीट मिलल बा. चार गो मुख्य पद के फैसला काल्हु अतवार ले सामने आई. परिषद के बढ़त चलत बा.

शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे मधिम पड़त कहलन कि ऊ मुख्यमंत्री के कुर्सी का पीछे भागे वाला ना हउवन आ भाजपा से गठबन्हन पर उनुका कवनो उजुर नइखे.

राजनाथ सिंह के कहना पर कि उनुका लव जेहाद का बारे में कुछ मालूम नइखे कांग्रेस महासचिव शकील अहमद चुटकी लेत कहलन कि उ संघ मुख्यालय भा अपना मुस्लिम प्रवक्ता लोग से जान लेसु.

भाजपा अध्यक्ष अमित शाह दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ चुनाव में बढ़िया से मिलल जीत पर अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के बधाई दिहलन.

सारधा चिट फंड में आपन नाम अवला से झनझनाइल ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि एह मामिला में उनकर नाम मत लिहल जाव.

केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी आज शनिचर का दिने गोरक्षपीठ के पीठाधीश्वर महंत अवैद्यनाथ के श्रद्धांजलि अर्पित कइले.

संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन कि डिजिटल इंडिया गेमचेंजर रही आ एकरा से दू करोड़ से बेसी लोग ला रोजगार पैदा होखी.

शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे मुख्यमंत्री बने ला तइयार भइलें. भाजपा के चेतवले कि अधिका सीट लेबे का फेर में तलाक मत हो जाव.

बतावल जात बा कि 100 दिन पूरा भइला पर आपन उपलब्धि प्रेस कॉन्फ्रेंस क के ना बतवला खातिर 15 मंत्री पर मोदी नाराज बाड़े.

दिल्ली विश्वविद्यालय छात्रसंघ चुनाव में चारो प्रमुख सीट विद्यार्थी परिषद जीतलसि. एन एस यू आई के खाते ना खुलल.अध्यक्ष पद पर मोहित नागर 914 वोट से, उपाध्यक्ष प्रवेश मलिक 7859 वोट से, सचिव कनिका 3022 वोट से आ संयुक्त सचिव आशुतोष माथुर 11058 वोट से जीतले.

एनसीपी नेता आ महाराष्ट्र के मंत्री रहल लक्ष्मण राव धोबले पर एगो 42 साल के ओरत रेप केस दर्ज करवली.


टटका यूपी


राज्यपाल राम नाईक आजु जौनपुर में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के विद्यार्थियन के संबोधित करत कहलन कि उ प्रदेश के विश्वविद्यालयन आ शिक्षा के गुणवत्ता सुधारे ला हरसंभव कोशिश करे में लागल बाड़ें.

उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाईक अतवार का दिने वाराणसी के एक दिन के दौरा पर अइहें. राज्यपाल बनला बाद ई उनकर पहिला दौरा होखी वाराणसी के.

महंत अवैद्यनाथ के अतवार का दिने समाधि दिहल जाए से पहिले योगी आदित्यनाथ के गोरक्षपीठ के महंत बनावल जाई.

जौनपुर में सेंट पैट्रिक स्कूल के एगो बस गड़हा में गिरला का चलते कई दर्जन बच्चा घायल. अस्पतला में भरती करावल गइल.

सबेरे टहले निकलल एगो अवर अभियंता रजनीश त्रिपाठी के आजु शनिचर का सबेरे इलाहाबाद के नैनी इलाका में गोली मार के मुआ दीहल गइल.


टटका बिहार


हार्ट के सफल सर्जरी का बाद राजद नेता लालू प्रसाद यादव के मुबंई का अस्पताल से छुट्टी मिलल. निकलते कहलन कि मोदी राम राज ना रावण राज ले के आइल बाड़न.

बिहार विधानसभा के स्पीकर जदयू के बागी विधायकन के सदस्यता रद्द करे का बारे में आज सुनवाई पूरा कर लिहलन. फैसला बाद में आई.

गोपालगंज नगर थाना इलाका के हजियापुर मुहल्ला में शौचालय के टंकी से तीन साल के लड़िका के लाश पुलिस बरामद कइलसि.

गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर थाना के उसरी गांव में दहेज खातिर एगो बिआहल औरत के हत्या क दिहल गइल.

कैमूर जिला के मोहनियां इलाका के गौरा गांव में ठनका गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल आ ओकर मरद झँउस गइल.

जदयू के पलटवार. कहलसि कि नन्द किशोर यादव के भाजपा सीएम का दौड़ से बाहर करे ला सुशील मोदी उठवलन दवा घोटाला के मामिला. त भाजपा के कहना बा कि दवा घोटाला में नीतीश कुमार के घेरात देख जदयू अनाप शनाप बयान देत बिया आ अनेरे भाजपा के स्वास्थ्य मंत्रियन के नाम घसीटे लागल बिया.

रिहंद-वाणसागर से पानी छोड़ला का चलते आइल उफान का बाद सासाराम में चेतावनी जारी.


टटका दुनिया


ईरान के कहना बा कि आतंकवाद के खिलाफ अभियान का बहाने अमेरिका दोसरा देशन के संप्रभुता लाँघत बावे.

पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ नेता इमरान खान आ पाकिस्तान अवामी तहरीक प्रमुख ताहिर-उल-कादरी सरकार से बतियावल बंद करे के एलान कइले.


टटका खेल


चैम्पियन्स लीग बीसबीसा के दुसरका क्वॉलिफायर में मुंबई इंडियंस के खराब शुरुआत, पाकिस्तान के लाहौर लायंस का खिलाफ 4.3 ओवर में 23 रन पर 3 गो विकेट गिरल.

चैम्पियन्स लीग बीसबीसा के पहिलका क्वॉलिफायर में न्यूजीलैंड के नॉर्दर्न डिस्ट्रक्टि्स श्रीलंका के सदर्न एक्सप्रेस के 7 विकेट से हरवले बा.

अखिल भारतीय टेनिस संघ आजु शनिचर का दिने बेंगलूर में भइल अपना सालाना बइठका में उपाध्यक्ष कार्ति चिदम्बरम के उनका पद से बर्खास्त क दिहलसि.

विश्व रैकिंग में पांचवा जगहा राखे वाली पिस्टल निशानेबाज हीना सिद्धू आ महिला राइफल निशानेबाज लज्जा गोस्वामी स्पेन के ग्रेनाडा में चलत चैम्पियनशिप का फाइनलो में ना चहुँप पवली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up