टटका खबर : 15 सितंबर 2014

by | Sep 15, 2014 | 0 comments


टटका जानकारी


आजु जिउतिया के नहाय खाय ह.
उपचुनाव के वोट काल्हु गिनल जाई. जिउतिया काल्हु मनावल जाई.


टटका आरा


जीत दिल्ली में आ जुलूस आरा में. जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में नक्सली समर्थक आइसा के जीत पर आरा शहर में जुलूस निकालल गइल.

तरारी प्रखंड के ईमादपुर थाना के चारूग्राम में जमीन कब्जा के विवाद सलटावे खातिर पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी लोग अतवार का दिने दुबारा ईमादपुर थाना में बइठल लोग गाँव वालन का साथे.

बड़हरा प्रखंड के नथमलपुर गांव के किसान अखिलेश कुमार सिंह के बेटा अभिलाष सिंह शनिचर का दिने अफसर प्रशिक्षण अकादमी, चेन्नई से पास आउट हो के सेना में यंग आफिसर्स के तौर पर शामिल हो गइलन.

हिन्दी दिवस पर आरा में कई जगहा अलग-अलग कार्यक्रम क के हिन्दी के बढ़ावा देबे के बात कइल गइल.

पिछला दिने आरा टीसन के पछिमारा गुमटी का लगे ट्रेन से गिर के बक्सर जिला के सुगहर गांव के संतोष बिंद के मौत हो गइल.

पुलिस पर फायरिंग आ हत्या समेत अनेके मामिला में गिरफ्तार अमित पांडेय के फर्दबयानी का बाद अनेके राज खुलल बा. अब पुलिस दू गो अउरिओ बदमाशन के तलाश में लाग गइल बिया.

गल्ला व्यवसायी मिंटू साह के हत्या का मामिला में टाउन थाना में नामजद केस लिखवावल गइल बा.

कई बरीस से वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय में सीनेट, सिंडिकेट आ विद्वत परिषद के चुनाव ना करवला का बारे में राज्यपाल के प्रधान सचिव विश्वविद्यालय के कुलसचिव से एह बाबत जानकारी मँगले बाड़न.

आरा के नवादा थाना का महावीर टोला रोड में शनिचर का दिने करंट लगला से एगो मवेशी के मौत हो गइल. लोग के कहना बा कि एलआईसी के बाहर राखल जेनरेटर से करंट लागल ओकरा.

रेल पुलिस से दु‌र्व्यवहार करे आ सरकारी काम में बाधा डाले का आरोप में जीआरपी पुलिस शनिचर का दिने बंधन टोला के एगो नवही के गिरफ्तार क लिहलसि.

डेहरी-आन-सोन थाना के रुद्रपुरा निवासी एगो औरत के डायन बता के ओकर पड़ोसी शनिचर का दिने पिटाई क दिहले. ओकरा के अस्पताल मेॅ भरती करावे के पड़ल बा.

सोन नदी के पानी बढ़ला के खबर से नौहट्टा आ रोहतास प्रखंड के गाँवन में अफरातफरी मचल बा. लोग के लाउडस्पीकर घुमा के कहाइल बा कि जल्दी से कवनो सुरक्षित जगहा चल जाव लोग.

सासाराम मंडल कारा का नियरा सड़क हादसा में बहुते बुरी तरह घवाहिल आदमी के पहचान अबहियों ले नइखे हो पावल उ बेहोश बा आक्सीजन पर राखल गइल बा.

इटाढ़ी प्रखंड के 15 पंचायत में होखे जात पैक्स चुनाव में सेन्ट्रल को-आपरेटिव बैंक से कर्जा लेके ना चुकावे वाला किसान चुनाव ना लड़ पइहें. अइसन लोग अगर कवनो उम्मीदवार के समर्थक भा प्रस्तावको बनीहें त ओकर परचा रद्द क दिहल जाई.

इस्कान बकसर में राधाकृष्ण मंदिर बनवावे के फैसला कइले बा.

बक्सर किला मैदान में होखे वाला रामलीला के शुरूआत गणेश पूजा आ सती मोह लीला से 16 सितंबर के होखी.

बक्सर के राजपुर इलाका के कोचाढ़ी गांव में शुक के रात गाँव के लोग एगो चोर के पकड़ लिहल आ जम के पिटला के बाद पुलिस के दे दिहल. ओकर तीन गो सााथी भाग निकलले स.

कैमूर जिला के भगवानपुर मुंडेश्वरी रोड पर एगो नवही के मोटरसाइकिल छीन लिहल गइल. मोटरसाइकिल बरामदगी खातिर पुलिस छापेमारी शुरू क दिहले बिया.


टटका बलिया


अतवार का रात बलिया सदर कोतवाली के आवास विकास कालोनी में रहत बीएसए कार्यालय के क्लर्क विकास यादव के कुछ लोग ओकरा घरे चढ़ के पिटाई क दिहल.

समाजसेवी सर्वजीत सिंह के तिसरका बरखी का मौका पर अखार गांव में अतवार का दिने बड़हन स्वास्थ्य शिविर लगावल गइल जवना में हजारो लोग के चिकित्सा सलाह दिहल गइल.

बलिया गुरुद्वारा में घुसल चोर जगरम पर भाग गइले. घटना शनिचर का राते भइल.

नरहीं थाना के नसीरपुर टुटुवारी गांव के बगइचा में अतवार का सबेरे एगो रामनाथ ठाकुर के लाश लटकत मिलल. कहल जात बा कि घर के लोग से कवनो बात पर विवाद का बाद उ घरसे बिना खइले निकल गइल रहले.

बलिया के हिंदी प्रचारिणी सभा के चलता पुस्तकालय सभागार में हिंदी दिवस समारोह मनावल गइल जवना में गुवाहाटी विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष रहल डा.धर्मदेव तिवारी बतौर अतिथि शामिल भइले.

सुखपुरा थाना के मठिया गांव में शनिचर का रात एगो लड़िकी बाप के डाट सुनला से नाराज हो के फाँसी लगा लिहलसि.

पाँच दिन से गाजीपुर जिला जेल में भूख हड़ताल करत बंदी सुमन राय के हालत अतवार का साँझ बिगड़ गइल त अस्पताल में भरती करावल गइल बा. सुमन के रास्ता जाम करे का चलते गिरफ्तार कइल गइल बा.

मऊ जिल के मधुबन थाना क्षेत्र के तालरतोय में शनिचर के साँझ दिशा मैदान खातिर निकलल एगो छह साल के अबोध बच्ची से एगो 42 बरीस के वहशी कुकर्म कइलसि. पुलिस ओकरा के पकड़ के जेल भेज दिहले बिया.

मऊ जिला के कोपागंज में एगो साहूकार के घर में घुस के साढ़े तीन लाख के गहना आ 45 हजार नगदी चोरा लिहल गइल बा. चोर रोशनदान से घुसल रहले सँ.

मधुबन बाजार के नगर पंचायत के दर्जा देबे खातिर जिलाधिकारी नरेंद्र सिंह पटेल का तरफ से शासन के चिट्ठी भेजाइल बा.


टटका छपरा


बनियापुर के लौंवा टेढ़ी घाट पुल का लगे बियफे का रात दू गो नवहियन के पीट पीट के मुआ दिहल गइल. झगड़ा रास्ता से मोटरसाइकिल हटावे ले के शुरू भइल रहे.

मांझी में प्रखंड प्रमुख अख्तरी का खिलाफ अविश्वा प्रस्ताव पास हो गइल 36 सदस्य के पंचायत समिति में उनुका महज एक वोट मिल पावल. अब नया प्रमुख चुनल जाई.

छपरा-रेवा सड़क पर भेल्दी बाजार का नियरा तकेयां गांव में नदी पर बनल पुल शुक का रात भस गइल. पुलिस अंग्रेजन के जमाना में बनल रहे आ रखरखाव ना हो पवला से ई भसे लागल बा.

प्राथमिक शिक्षक संघ के चुनाव में अमरेन्द्र कुमार के अंचल अध्यक्ष आ सुरेन्द्रकुमार सिंह के अंचल सचिव चुन लिहल गइल.

छपरा शहर के रूपगंज मुहल्ला से साहेबगंज डीएवी स्कूल में पढ़े गइल एगो लड़िका शनिचर का दिने से गायब बा.

शुक का रात एकमा थाना से तनिके दूर पर के एगो दुकान के ताला तूड़ के हजारो रुपिया के सामान चोरा लिहल गइल.

रसूलपुर के बैंक आफ़ इंडिया का शाखा में शनिचर का दिने जनधन योजना के खाता खोले आइल भीड़ आ मैनेजर में बकझक का बाद लोग हंगामा क दिहल आ तोड़फोड़ मचा दिहल.

दाउदपुर थाना का लगे शनिचर का भोर मे एगो बस पलट गइल जवना से ओकरा खलासी के मौत हो गइल आ दर्जन भर सवारी घवाहिल हो गइलें.

राष्ट्रीय ताइक्वांडो प्रतियोगिता खातिर सीतलपुर बाबू टोला के दीपशिखा चुनाइल बाड़ी.

आंदर के असांव बाजार के एगो लड़िका के रात खा सूतल घरी साँप काट लिहलसि. सबेरे लोग ओकरा मुँह से झाग निकलत देखल त तुरते अस्पताल ले गइल जहाँ डाक्टर ओकरा के मरल बता दिहलें.

दारौंदा जंक्शन परिसर में शनिचर का सबेरे पीपल के एगो सूखल पेड़ गिर पड़ल जवना से एगो औरत समेत चार जने घवाहिल हो गइले. एह लोग के अस्पताल भेज दिहल गइल.

गोपालगंज जिला के पंचदेवरी प्रखंड मुख्यालय पर उत्तर बिहार ग्रामीण बैंक के शाखा में शिक्षक लोग बवाल कइल काहे कि लोन खातिर बार बार दउड़ावल जात बा.

नौकरी दिआवे का नाम पर ठगी करे वाला दू जने के थावे पुलिस अरार मोड़ पर गिरफ्तार क लिहलसि/

गोपालगंज के अम्बेडकर चौक का लगे एगो बैंक कर्मी के बाइक के डिक्की से 32 हजार रुपिया नकदी चोरा लिहल गइल.

मीरगंज के बड़कागांव चौराहा पर शनिचर का दिने फतेहपुर उर्दू मकतब विद्यालय के प्रधान शिक्षक के एही विद्यालय के एगो शिक्षिका के पति मारपीट के घाहिल क दिहले.

गोपालगंज एक्सिस बैंक के अधिकारी खाता खोले खातिर अंगूठा लगावे वाला मेहरारूवन के खाता नइखन खोलत.


टटका देवरिया


मंडी समिति गोरखपुर में तैनात रहल चतुर्थ श्रेणी कर्मी अमित के लाश लेके उनुका घर के लोग आ साथी कर्मचारी शनिवार का दिने गोरखपुर में राष्ट्रीय राजमार्ग जाम क दिहले. बाद में उप निदेशक का खिलाफ एफआइआर दर्ज करे के भरोसा का बाद जाम हटावल लोग.

गोरखपुर के शाहपुर इलाका के रामजानकीनगर में एगो घर से दू लाख के गहना चोरा लिहल गइल बा. घर में पेंटिंग के काम चलत रहल जब ई घटना भइल.

गोरखपुर के गुलरिहा से जैनुल्लाह नाम के लड़िका के पड़ोस के लड़िकी के यौन शोषण करे का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.

गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवेद्यनाथ के ब्रह्मलीन भइला का शोक में शनिचर का दिने पूरा गोरखपुर महानगर बंद रहल.

देवरिया सलेमपुर रोड के एगो नर्सिंग होम के चिकित्सक पर लापरवाही के आरोप लगाके एगो मरीज के परिवार वाले जम के बवाल कटले. मैनेजर के हिरासत में लिहला का बाद मामिला शान्त भइल.

गोरखपुर में एम्स बनावे के मांग करत देवरिया एआरडी इंटर कालेज के छात्र रैली निकलले.


टटका बनारस


अतवार का दिने वाराणसी पीली कोठी इशटर कालेज में भइल दारोगा भर्ती परीक्षा में 1780 अभ्यर्थी शामिल भइले.

वाराणसी : खाकी पहनने की चाह लिए युवाओं ने रविवार को दो पालियों में हुई प्रतियोगी परीक्षा में भाग लिया। शह

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के 36वां दीक्षांत समारोह 22 नवंबर के होखी जवना खातिर राजभवन से सहमति मिल गइल बा.

काशी सेंटियागो बनी कि क्योटो इहे देखे के बा. मुख्यमंत्री अखिलेश एकरा के सेटियागो जइसन सँवारे के बात करत बाड़न त पीएम नरेन्द्र मोदी वाराणसी के क्योटो ज इसन बनावल चाहत बाड़े.

जौनपुर जिला के मोजीपुर गांव का प्राथमिक विद्यालय का नियरा अतवार का साँझ ट्रैक्टर से कचरा के मुबारकपुर गाव के एगो लड़िकी के दर्दनाक मौत हो गइल.

रामपुर इलाका के एगो छात्रा के अगवा क के ओकरा से दुष्कर्म करे के आरोपी का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.

मुगलसराय जंक्शन के प्लेटफार्म संख्या 8 से रेलवे के लोहा आ केबल का संगे एगो नवही के गिरफ्तार कइला का बाद ओकरा निशानदेही पर वाराणसी के एगो कबाड़ीओ के गिरफ्तार क लिहल गइल.

जौनपुर से तीन सौ डिब्बा घी लाद के सोनभद्र जात ट्रक के मालिके रास्ता में माल बेंच दिहलसि. औराई पुलिस अतवार का दिने माधोसिंह घोसिया से ओकरा के गिरफ्तार क के मामिला के खुलासा क दिहलसि.


टटका चंपारण


स्टेट बैंक की मोतिहारी सीटीएस शाखा से 6 लाख रुपिया गबन क के फरार भइल कंप्यूटर ऑपरेटर सलील साई के शनिचर का रात मेहसी पुलिस चकिया से गिरफ्तार क लिहलसि.

सुगौली पुलिस नगर पंचायत के उपाध्यक्ष रहल लक्ष्मी सर्राफ के मारपीट के एगो मामिला में अतवार का दिने गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.

पताही के डुमरी बैजू गांव में शनिचर का रात चोरी करत धराइल एगो चोर के जम के पीटल लोग आ कवनो धारदार हथियार से ओकर कान काट दिहल लोग. बाद में ओकरा के पुलिस के सँउप दिहल गइल.

बेतिया शहर के राज ड्योढ़ी का लगे राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ कार्यालय परिसर से छड़ चोरावत एगो नवही के शनिचर का सँझिया पकड़ के पुलिस के हवाले दे दिहल लोग.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up