टटका खबर : 17 सितंबर 2014

by | Sep 17, 2014 | 0 comments


टटका जानकारी


आजु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. आजुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें आ अहमदाबाद से यात्रा के शुरुआत करीहें. खास बात बा कि एह दौरान भारत के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी चीन के यात्रा पर बाड़ें.


टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर)
मध्य बिहार ग्रामीण बैंक के आरा कार्यालय पर बैंक प्रबंधकन के बइठक में प्रधानमंत्री जन-धन योजना के समीक्षा भइल.

जगदीशपुर पुलिस मंगल का सबेरे मुखबीर से मिलल जानकारी का बाद मीट मार्केट में छापेमारी क के सेक्स रैकेट के भंडाफोड़ कइलसि आ दू गो मेहरारुवन समेत तीन जने जे ध ले गइल.

चौरी इलाका के पुरहरा-समहार टोला में सोमार का रात ठनका गिरला से तीस साल के एगो नवही के मौत हो गइल.

गजरागंज चौकी के नवादाबेन गांव के एगो आदमी पर नाबालिग छात्रा से कुकर्म करे के आरोप बा. पुलिस तफतीश करत बिया आ आरोपी फरार बा.

पैक्स चुनाव के पहिला दौर के परचा भराई शुरू हो गइल आ मंगल का दिने अनेके लोग आरा, बड़हरा, कोईलवर आ गड़हनी प्रखंड में परचा दाखिल कइल.

आरा जैन कालेज परिसर में 20 सितंबर के नियोजन मेला लगावल जाई जवना में दू दर्जन कंपनियन के शामिल होखे के उमेद बा. मेला खातिर जिला नियोजनालय में 31,520 लोग के नाम दर्ज हो चुकल बा.

पटना में भइल प्रमंडल स्तरीय अन्तर जिला विद्यालयी खेलकूद प्रतियोगिता में बैडमिंटन में डीएवी भभुआ के प्रतिभागी सौम्या कुमारी दुसरका जगहा अइली. सोमार का दिने उनका सम्मान में स्कूल में समारोह भइल.

संझौली प्रखंड के उदयपुर गांव में मंगल का साँझ सात साल के एगो लड़िका तालाब में नहात घरी डूब के मर गइल. महतारी ओहिजे जिउतिया के कथा सुनत रही जब ई हादसा भइल.

काराकाट प्रखंड के सकला बाजार का पीएनबी शाखा का नियरा ठनका गिरला से मंगल का दिने कवनो कामकाज नाहो पावल. कहल गइल कि लिंक खराब हो गइल बा.

पिछला 9 सितंबर के भइल एगो हत्या काण्ड के आरोपी के पुलिस भादी टोला गांव से सोमार का दिने गिरफ्तार क लिहलसि.

शिवसागर इलाका के कोनार गांव का नियरा सासाराम-चौसा रोढ पर सोमार का साँझ एगो पिकअप वैन से साइकिल सवार छात्रकचरा गइल आ ठाँवे प ओकर मौत हो गइल.

गौरक्षणी गोलीबारी कांड के दू गो अभियुक्तन के सासाराम पुलिस सोमार का दिने गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.

बक्सर जिला के चौसा का अखौरीपुर गोला पर दू दिन पहिले भइल हत्याकांड के आरोपियन का खिलाफ वारंट के अर्जी दाखिल क दिहल गइल.

बक्सर में पैक्स चुनाव के पहिला दौर के परचा भराइल शुरू हो गइल बा.

भभुआ के अनुसूचित जाति-जनजाति थाना का नियरा दुर्गा चबूतरा पर प्रतिमा के सुरक्षा ला छत बनावल विवाद के अनेसा से पुलिस रोक दिहलसि. चबूतरा का बगल में मजार बा.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

एगारह बजे ले लेट ना डेढ़ बजे भेंट ना के हाल हो गइल बा बलिया जिला अस्पताल के जहाँ कहियो डाक्टर लोग समय से ओपीडी नइखे शुरु करत.

बिल्थरारोड तहसीलर के रजईपुर विद्युत उपकेंद्र पर मंगल का दिने एगो नसही बिजली विभाग के एसएसओ पर रिवाल्वर तान दिहलसि आ जमके धुनाई क दिहलसि. एकरा बाद बिजलीकर्मी बिजली बन्द क दिहलें.
कसेसर के एसबीआइ कसौण्डर शाखा के काम शनिचरे से लिंक फेल भइला का चलते ठप बा.

बिल्थरारोड रामलीला समिति 27 सितंबर से रामलीला के मंचन शुरू करी.

जमानियां के दरौली गांव के लोग मंगल का दिने गाँव में बिजली आ आवास मांगत नारेबाजी कइल आ एसडीएम कैलाश सिंह के ज्ञापन दिहल.

मऊ जिला में 307 गो नया ग्राम पंचायत बने के उमेद बा. एह ला सोमार ले पुनर्गठन आवेदन जमा हो गइल बा. हर एक हजार का आबादी पर पशचायत बनावे के फैसला सरकार कइले बिया/

बीपीएल कार्ड धारकन ला शौचालय बनवावे खातिर मिलल धन के दुरुपयोग का मामिला में सरायलखंसी थाना के बढ़ुआ गोदाम गांव के ग्राम प्रधान शैलेंद्र यादव के जमानत अर्जी जिला एवं सत्र न्यायाधीश सीएम दीक्षित खारिज क दिहलन.

मंगल का साँझ मधुबन-बेल्थरा रोड पर फरही नाला का लगे लकुरा गांव के प्रधान रहल 40 साल उमिर के रमेश मल्ल कुकुर बचावे का फेर में मोटरसाइकिल से फेका के घवाहिल हो गइलें आ अस्पताल ले जात राहे में उनकर मौत हो गइल.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)
भवन निर्माण विभाग के कार्यपालक अभियंता हरेन्द्र कुमार का साथे पिछला दिन भइल मारपीट के दोषियन पर कवनो कार्रवाई ना होखे से नाराज कर्मचारी महासंघ सोमार का दिने नगरपालिका चौक पर धरना-प्रदर्शन कइल.

सोमार का दिने सिताबदियारा का रामेश्वर टोला में दर्जन भर मकान घाघरा का कटान में भस गइल.

दाउदपुर इलाका में हर्सपुरा गाँव में अतवार का रात एगो घर पर डकैती डाल के लाखों के संपत्ति लूट लिहल गइल. लूट का बाद डकैत फायरिंग करत निकल गइले/

नवरात्र का दौरान थावे हॉल्ट पर सगरी ट्रेन रुकीहें सँ. मेला 24तारीख से शुरू होखे वाला बा.

मशरक पुलिस अतवार का रात एगो डकैत राजू नट के ओकरा गाँव से गिरफ्तार क लिहलसि.

पुरैना गांव से किडनैप नाबालिग लड़िकी के पुलिस अतवार का दिने जामो थाना के बहादुरपुर बाजार गाँव से बरामद क लिहलसि.

अरंडा पंचायत के नवादा गांव में अतवार का रात एगो कुकर्मी घर में घुस के एगो नाबालिग छात्रा से दुष्कर्म कइलसि. थाना में एकर नामजद केस लिखवावल गइल बा.

दरौली थाना के गोसोपाली गांव में सोमार का सबेरे पुलिस एगो औरत के लाश ओकरा घरे से बरामद कइलसि. लाश अकड़ गइल रहे आ घर वाले फरार बाड़े.

गोपालगंज नगर परिषद अध्यक्षा रुक्मिणी देवी के खिलाफ मंगल का दिने अविश्वास प्रस्ताव एकमत से पारित हो गइल.

बड़हरा गांव से लापता छात्र सोमार का रात बेतिया से बरामद क लिहल गइल. छात्र बतवलसि कि एगो आदमी ओकरा के बहला के ले आइल आ बेतिया में छोड़ दिहलसि. ओकरा बाद कइ दिन ले उ भटकत रहल.

मांझा थाना के कोइनी गांव में सोमार का दिने अपना घर का बहरी खेलत एगो लड़िका के मोटरसाइकिल वाला कचार दिहलसि. घाहिल लड़िका के खराब हालत से गोरखपुर रेफर क दिहल गइल बा.


टटका देवरिया


(यूपी के गोरखपुर आ देवरिया जिला के खबर पर एक नजर)
बभनौली के एगो ओरत के मौत साँप कटला से हो गइल. लोग ओकरा के अमवा के सतीओ स्थान ले गइले बाकिर उ बाच ना पावल.

छपिया बघेल का लगे दू गो बदमाश खेमीपुर के एगो डाक्टर के बाइक लूट लिहले.

सोमार का दिने गोरखपुर में निषाद लोग जुलूस निकालल आ डीएम कार्यालय पर प्रदर्शन कइल. ई लोग निषाद जाति के अनुसूचित जाति में शामिल करावल चाहत बा.

प्रतीक्षा सूची के यात्रियन के बढ़ती भीड़ देख रेल प्रशासन गोरखपुर से दिल्ली (आनंद विहार) खातिर साप्ताहिक एक्सप्रेस ट्रेन के दू दिन चलावे के फैसला कइले बावे. अब ई स्पेशल ट्रेन 05057 स्पेशल गोरखपुर से 18 आ 25 सितंबर के आ 05058 स्पेशल ट्रेन आनंदविहार टर्मिनस से 17 आ 24 सितंबर के चलावल जाई.

गोरखपुर सहारा स्टेट, खोराबार में डाक्टर एके मल्ल के घर के ताला तूड़ के लाखो के सामान चोरा लिहल बा.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)
काशी हिंदू विश्वविद्यालय में भारत के नियंत्रक महालेखा परीक्षक के जांच टीम विभागन के कागजात पर आब्जेक्शन नोट लगावल शुरू कर दिहले बावे.

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के बीएड परीक्षा 12 गो केंद्र पर होई. एह बाबात सूची आ समय सारिणी जारी क दिहल बा. लगभग सात हजार परीक्षार्थी एह परीक्षा में शामिल होखिहें. परीक्षा 22 सितंबर से 1 अक्टूबर ले चली.

रोहनिया विधानसभा सीट पर समाजवादी पार्टी के महेन्द्र पटेल भाजपा समर्थित अपना दल प्रत्याशी कृष्णा पटेल के 14449 वोट से हरा दिहले.

इंस्पेक्टर मंजू सिंह यादव के चंदौली कोतवाली के प्रभारी बनावल गइल बा.

बबुरी इलाका के कईएक गाँव के लोग मंगल का सबेरे एगो पागल सियार के कटला से जख्मी हो गइलें. कुछ के इलाज अस्पताल में चलत बा त कुछ झाड़फूंक के चक्कर में अझुराइल बाड़े.

चंदौली कलेक्ट्रेट का सोझा अबसे धरना ना होखी. जिला प्रशासन अब एकरा खातिर राजकीय बीज भंडार के लगे के खाली जगह के धरना स्थल बना दिहले बावे.

पांच साल से जेल में बंद माफिया डान प्रेम प्रकाश सिंह उर्फ मुन्ना बजरंगी अपना भाई के तेरही खातिर पेरोल पर बाहर आई.

चौरी थाना के मानिकपुर गांव के एगो दस साल के लड़िका मंगल का दिने तालाब में नहात घरी डूब गइल.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

कोटवा देवी मंदिर का लगे मंगल का दिने नहात एगो नवही डूब के मर गइल.

पीपरा पुलिस बखरी बाजार का लगे सोमार ले देर रात लाखों रुपिया के गांजा का साथे दू गो गाड़ी जब्त कइलसि.

मोतिहारी पुलिस सोमार का रात सुरहा गांव से एगो लावारिस बोलेरो जब्त कइलसि.

मुजफ्फरपुर-नरकटियागंज रेलखंड के मोतीपुर, मेहसी आ बापूधाम मोतिहारी टीसन पर मंगल का दिने टिकट चेकिंग अभियान चला के 70 गो बेटिकट के पकड़ल गइल.

सिकटा-नरकटियागंज रोड पर बलथर-मर्जदवा का बीच नौखनिया नदी के डायवर्सन पर करीब पांच फीट ले बाढ़ के पानी चढ़ गइला से आवाजाही ठप हो गइल बा.

मंगल का दिने बेतिया-सरिसवा रोड पर मिर्जापुर गांव का लगे एगो टेम्पो पलट गइल आ ओकरा चालक के मौत हो गइल.


टटको में टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up