टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर)
अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद बक्सर के एमवी कालेज में मंगल का दिने छात्र सम्मेलन सह कालेज इकाई पुनर्गठन समारोह मनवलसि जवना के अध्यक्षता अभाविप के नगर उपाध्यक्ष डा.यशवंत कुमार कइलन.

बक्सर रामलीला मैदान में मंगल का दिने विधि विधान से पूजा क के विजयादशमी महोत्सव शुरू हो गइल.

बक्सर टीसन पर मंगल का सबेरे चलत ट्रेन पर चढ़े का फेर में एगो व्यवसायी नीचे गिर गइले आ उनकर टाँग कट गइल. लोग उनुका के तुरते सदर अस्पताल चहुँपावल जहाँ से उनुका के वाराणसी रेफर कर दिहल गइल.

तेंदुआ आ महदेवा गाँव में नौ गो गैरकानूनू क्रशर के भसा दिहल गइल. जेसीबी लगा के ओकर फाउन्डेशन ले कबार दिहल गइल बा.

सासाराम टीसन का लगे मंगल का दिने पटरी पार करत एगो नसही मालगाड़ी से कटा गइल. मरेवाला के पहचान लश्करीगंज मुहल्ला के सोनू कुमार के रूप में भइल बा.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

अखिल भारतीय प्रजापति कुम्हार महासंघ शाखा बलिया के सालाना जलसा सिकन्दपुर के मिडिल स्कूल में मंगल का दिने मनावल गइल.

बुध का साँझ रसड़ा-मऊ रोड के भगत सिंह मोड़ आ संवरा का लगे भइल दू गो अलग अलग हादसा में तीन जने घवाहिल हो गइले.

बांसडीह बाजार रोड पर मंगल का रात एगो फोटो का दुकान में आग लगला से लाखो रुपिया के सामान राख हो गइल.

रंगदारी मांगे वाला सार बहनोई के उभांव थाना पुलिस ढेर दिन से जोहत रहुवे. संजोग से ई लोग सोनाडीह में धरा गइल. अब एगो अउर रंगदार के पकड़े के जुगत भिड़ावत बिया पुलिस.

गड़वार के सिहांचवर खुर्द गांव में बुध का सबेरे लकड़ा नाला में डूब के दस साल के एगो लड़िका के मौत हो गइल.

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे के माँग ले के बलिया में भोजपुरी साहित्यकार आ भोजपुरी प्रेमी जुटले आ सरकार से माँग कइले कि भोजपुरी के ओकर जायज हक जल्दी से जल्दी दे दिहल जाव.

बिल्थरारोड के जीएमएएम इंटर कालेज के हास्टल में रहे वाला शिक्षिका के कोठरी के ताला तूड. के लाखो रुपिया के सामान चोरा लिहल गइल जब शिक्षिका जिउतिया करे मऊ अपना गाँवे गइल रही.

पिछला चार सितंबर के मिर्जापुर के भिक्खनपुर मौजा से लापता तीन गो लड़िकियन के मामला इश्कबाजी के निकलल. एहमें से एगो लड़िकी आपन कोर्ट मैरिज करे खातिर दू गो सहेलियन के गवाह बनावे खातिर ले गइल रहुवे. बारह दिन बाद तीनो के कैंट स्टेशन पर हिरासत में ले लिहल गइल.

लखनऊ के इंदिरा नगर थाना इलाका में पिछला साल माज अहमद के हत्या के आरोपी अजित यादव के महगाँवा में पुलिस पकड़ लिहलसि. पकड़इला का बाद ओकरा से मालउम भइल कि एगो पुलिस निरीक्षक के कहला पर उ हत्या कइले रहुवे.

बहरियाबाद के उकरांव गांव के एगो किसान बिस्सू चौहान बुध का सबेरे उदंती नदी में नहात घरी बभनौटी घाट प डूब के मर गइले.

बुध का दुपहरिया गाजीपुर पुलिस चार गो बाइक चोरन के आठ गो चोरावल बाइक समेत पकड़ लिहलसि.

मऊ जिला के सूखाग्रस्त घोषित क दिहल गइल बा आ किसान के लगान माफ हो गइल बा.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)

मढ़ौरा के अंवारी में जिउतिया का साँझ में महतारी संगे नहाए गइल 10 साल के लड़िका रोहित कुमार डूब के मर गइल.

छपरा नगर पालिका चौक पर मंगल का दिने छात्र युवा संघर्ष मंच के कार्यकर्ता नाजायज वसूली के आरोप लगावत राजेंद्र कॉलेज के प्राचार्य के पुतला फूंकले.

छपरा जंक्शन के आउटर सिग्नल पर सोमार के रात खड़ा मालगाड़ी के सील काट के चावल आ गेहूं चोरावत दू गो चोरन के आरपीएफ ध लिहलसि बाकिर ओकनी के तीन गो अउर साथी भाग निकलले सँ.

सिवान के हुसैनगंज अंचल प्रखंड कार्यालय के आरटीपीएस काउंटर पर बेइन्ताजमी से परेशान छात्र मंगल का दिने जम के बवाल कटले.

असांव पुलिस मंगल का दिने जब कटवार गांव में छापेमारी कइलसि त ओकरा पहिलही अपराधियन के जानकारी मिल चुकल रहे आ उ भाग चुकल रहले सँ. बाकिर पुलिस का हाथे मौका पर से एगो कारबाइन, कट्टा बनावे वाला बैरल, आ दू गो जिन्दा कारतूस लाग गइल/

गोपालगंज जिला के विजयीपुर इलाका के एगो गांव के छह साल के बच्ची से कुकर्म करे के एगो नवही कोशिश कइलसि बाकिर ओकरा चिल्लइला पर लोग दउड़ल त बदमाश आपन मोटर साइकिल छोड़ के भाग गइल.


टटका देवरिया


(यूपी के गोरखपुर आ देवरिया जिला के खबर पर एक नजर)

बरहज कटइलवा में सरयू तट पर मसान घर जवना के मुक्ति धाम नाम दिहल गइल बा बनावल जा रहल बा.

देवरिया जिलाधिकारी से इच्छामृत्यु के गोहार लगावे वाला सोनू आखिर अपना गरीबी आ बेमारी से जूझत बुध का दिने लखनऊ में मौत का गोदी में चलिए गइल.

नेवी के एगो जवान आनंद प्रताप सिंह के तेल के कालाबाजारी करे वाला मंगल का रात मार दिहले सँ.

गोरखपुर के बसंतपुर सराय के लोग बेदखल होखे का अनेसा से हकलान मंडलायुक्त कार्यालय पर प्रदर्शन कइल.

गोरखपुर बांसगांव थाना के बलुआ निवासी अनूप दूबे आ उनुका मेहरारू पिंकी के उनुका रिश्तेदारी से मंगल का दिने कुछ बोलेरो सवार अगवा कर लिहले बाकिर पुलिस के सक्रिय भइला पर मदरिया आ गोला के बीच सड़क पर उतार के भाग गइले. छानबीन में ई अपहरण का बदले रुपिया के लेनदेन के मामिला लागत बा.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)

रोहनिया उपचुनाव में धांधली के विरोध करत जगतगंज में चक्काजाम करे वाला सात गो नामजद समेत चालीस लोग का खिलाफ केस दर्ज कइले बिया पुलिस.

जौनपुर में गोमती पुल से कूद के एगो मतिसुन्न औरत बुध का सबेरे जान दे दिहलसि. घर वाले कर ओझैति करवा के लवटत रहले जब ई हादसा अचानके में हो गइल.

चकिया यात्री विश्रामालय के निर्माण मानक से हट के करवावत देख गाँव वाले विरोध कइले त बनल पिलर तुड़वा के फेर से निर्माण शुरु करावल गइल.

मीरजापुर जिला से अपना प्रेमी संगे भागल एगो सोलह साल के लड़िकी के मंगल का दिने आरपीएफ वाले पकड़ लिहले आ पूछताछ कइला का बाद घरवालन के बोला के लड़िकी दे दिहले आ लड़िका के ले के थाना चल गइले.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

बेतिया जेल से इलाज करावे आइल एगो कैदी के मौत मंगल का सबेर में एमजेके अस्पताल के कैदी वार्ड हो गइल.

पकड़ीदयाल प्रमुख दिनेश राय के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव मंगल का दिने पास हो गइल आ उनकर कुर्सी चल गइल.

पताही पुलिस डुमरी बैजू गाव में चोरी करे वाला गिरोह के सरगना भोला साह के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल. ओकरा के सरैया गोपाल गाँव से दबोचल गइल.

लंबित मानदेय भुगतान के आश्वासन मिलला का बाद मेहसी में चलत प्रखंड शिक्षकम के अनशन खतम हो गइल.


टटको में टटका खबर

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up