टटका खबर : 19 सितंबर 2014

by | Sep 19, 2014 | 0 comments


टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर)

गजराजगंज चौकी के मसाढ़ गांव में बियफे रात पड़ल छापा में भूसा में लुका के राखल डेढ़ क्विंटल गांजा बरामद भइल बाकिर अपराधी भाग निकलल.

नवादा थाना के बाइपास बस पड़ाव पर बियफे का दिने छापा मार के छह गो बस आ दू गो सवारी गाड़ी जब्त कइल गइल. अब एकनी के कागज पत्तर के गहन जाँच करावल जात बा.

सगरी गरीबन के तीन तीन डिसमिल जमीन, बटाईदारन के पहचान पत्र, खाद्य सुरक्षा वगैरह माँग करत खेतिहर मजदूर संघ संदेश प्रखंड मुख्यालय पर धरना दिहलसि.

आरा शहर के चारो ओर रिंग रोड बना के आरा के जाम से मुक्ति दिआवे के खाका नेशनल हाइवे अथारिटी बनवले बिया.

बुध का देर रात अमृतसर-हावड़ा एक्सप्रेस ट्रेन में डकैती डाले के योजना बनवले चार गो डकैतन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल.

करगहर बाजार में एगो देशी शराब दुकान पर बतकही का बाद मारपीट आ फायरिंग भइल. एह झगड़ा में पाँच जने घवाहिल हो गइले.

कोचस के छित्तन डिहरा गांव में जमीन के झगड़ा का चलते एगो आदमी के लाठी डंडा से पीट के मुआ दिहल गइल.

बिक्रमगंज में बियफे का दिने घरेलू गैस एलपीजी वितरण में गड़बड़ी का खिलाफ लोग आरा-सासाराम रोड जाम क दिहल. राज इंटरप्राइजेज गैस एजेंसी गोदाम का सोझा लागल ई जाम कई घंटा चलल जब सीओ आ के जाम छोड़वलन.

बक्सर शहर में पाॅच गो मोटरसाइकिल चोरन के बियफे का साँझ गिरफ्तार क के जेल भेज दिहल गइल.

डुमराँव में एक करोड़ चौंतीस लाख रूपिया लगा के बनल माडल थाना भवन के उद्घाटन मुख्यमंत्री जीतन राम माझी बुध का दिने आनलाईन कइलन.

नया भोजपुर इलाका के चिलहरी गाँव के पछिमारा भैंसहा नदी का लगे बुध का दिने एगो औरत के लाश मिलल जवना के पहिचान नइखे होखत.

चौसा में 22 सितम्बर से रामलीला शुरू होखी.

केसठ के प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी ललिता कुमारी के निगरानी टीम बियफे का दिने एगो शिक्षक से पाँच हजार रूपया घूस लेत रंगे हाथ ध लिहलसि.

एपवा के कैमूर जिला इकाई बियफे का दिने समाहरणालय गेट पर धरना दिहलसि.

कैमूर जिला के चैनपुर इलाका के खरिगांवा से तीन गो ठग 2.50 लाख के गहना का साथे ध लिहल गइले. ई पुरान बरतन आ गहना बदल के नया देबे के धंधा करत रहले.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)

दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला से नाराज ससुराल वालन पर अपना बेटी के जरा के मुआ देबे के केस कइले बाड़े नइहर के लोग. एह बाबत मसरख थाना में केस दर्ज हो गइल बा.

बनियापुर के राजद विधायक केदारनाथ सिंह बियफे का दिने कोर्ट में सरेंडर क दिहलन जवना का बाद उनुका के जमानत मिल गइल. इनका पर चुनाव आचार संहिता लाँघे के आरोप बा.

बियफे का दिने छपरा इंजीनियरिंग कालेज के छात्र हास्टल ना मिलला आ लैब क्लास ना चलला का खिलाफ बवाल कटले आ प्राचार्य के गाड़ी आ प्रशासनिक भवन के शीशा तूड़ दिहले.

नक्सली रविलाल क निशानदेही पर नक्सली बृजमोहनो सिंह मढ़ौरा पुलिस का गिरफ्त में आ गइल. पानापुर के बसहियां बांधो पर छापामारी क के एगो बड़का नक्सली रविलाल सहनी के गिरफ्तार कइलसि पुलिस.

सारण पुलिस एटीएम से फर्जी निकासी करे वाला गिरोह के भंडाफोड़ करत सरगना समेत सात गो जालसाजन के गिरफ्तार क लिहलसि.

मढ़ौरा के अवारी गाँव में दहेज खातिर घर के कनिया के जहर दे के मार देबे के मामला थाना में ओह कनिया के बाप लिखवले बाड़न.

छपरा नगर परिषद में मुख्य पार्षद शोभा देवी आ उप मुख्य पार्षद सुनिता देवी का खिलाफ पेश अविश्वास प्रस्ताव कोरम का अभाव में वोटिंग खातिर ना चढ़ सकल.

पचरुखी के सुपौली उत्तर टोला गांव में मंगल का दिने एगो कनिया के फांसी चढ़ा देबे के आरोप ओकर बाप जमसिकरी गांव के काशीनाथ सिंह लगवले बाड़न.

हथुआ इलाका के रतनपुरा गांव में बैंक मे रुपिया जमा करावे जात एगो नवही के मारपीट के ओकर बीस हजार रुपिया छीन लिहल गइल.

उचकागांव इलाका के पिपराही पुल का नियरा मोबाइल टावर पर तैनात गार्ड के बुध का रात में गोली मार के मुआ दिहल गइल बा. मरला का बाद ओकर बाइक, नकदी, मोबाइल वगैरह सामानो लूट लिहल गइल बा.

विजयीपुर पुलिस घाट बंधौरा गांव में एगो मासूम लड़की से कुकर्म करे के कोशिश करे का आरोप में मिश्र बंधौरा गांव के शमीम खां के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि पुलिस.

घूस लेत पकड़ाइल कटेया के पंचायत सचिव भानू प्रताप चौहान के बर्खास्त क दिहल बा. ओकरा पर पिछला चार साल से विभागीय कार्रवाई चलत रहुवे. सजा अब जा के मिलल.

महम्मदपुर इलाका के डुमरिया गांव के बरईला चंवर में मछली पकड़े का फेर में एगो लड़िका पानी में डूब के मर गइल.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

भीमपुरा थाना के सिहोरीडीह गांव के रहेवाला कांवेंट स्कूल शिक्षक के मेहरारू से फोन पर एटीएम नंबर आ पासवर्ड पूछ के उनुका खाता से 52 हजार रुपिया के आनलाइन खरीददारी क लेबे के मामला सामने आइल बा.

बलिया के वीर लोरिक स्टेडियम में महिला खेल समारोह का दौरान प्रदेशीय वालीबाल आ खो-खो प्रतियोगिता आजु 19 सितम्बर से होखे जात बा जवना में 18 गो मंडल के टीमें हिस्सा लीहें.

भाजपा सांसद भरत सिंह काल्हु 20 सितंबर के अपना नवकाटोला घर पर सबेरे 8 बजे से 11 ले लोग से भेंट करीहें आ ओह लोग के समस्या सुनीहें.

भीमपुरा थाना के करौंदी गांव में बुध का देर रात चोरी करे का कोशिश में धराइल दू गो चोरन के गाँव वाले जम के पिटाई क के पुलिस के दे दिहलन.

बलिया में घाघरा के पानी घटला का साथे कटान तेज हो गइल बा. सिकंदरपुर के सीसोटार दियरा में कटान में खेत दर खेत भसल जात बा एह कटान में. इब्राहिमाबाद नौबरार में करीब तीन दर्जन घर लील लिहला का बाद घाघरा नरम पड़ गइल बाड़ी.

अगिला पंचायत चुनाव का बेरा सादात प्रखण्ड के पंचायत 77 से बढ़के 83 हो जाए के उम्मीद बा. एकरा ला जरूरी आवेदन आ गइल बा.

मंडुवाडीह से लखनऊ जात कृषक एक्सप्रेस के एगो साधारण बोगी के जाम हो गइला से बुध के साँझ आग लाग गइल. सवारी चलत ट्रेन से कूदे लगले. औड़िहार में ओह बोगी के अलग करा के ट्रेन आगे बढ़ गइल.

हाल ही में गाजीपुर तिराहा पर भइल सोनू राय के हत्या का मामिला ले में आरोपियन का खिलाफ कुर्की के आदेश जारी हो गइल बा.


टटका देवरिया


(यूपी के गोरखपुर आ देवरिया जिला के खबर पर एक नजर)

बियफे का दिेन बेसिक शिक्षा अधिकारी देवरिया के तीन गो ब्लाक के 120 स्कूलन के औचक निरीक्षण कइलन आ गैरहाजिर मिलल 11 गो शिक्षक लोग के निलंबित क दिहले.

22 सितंबर के देवरिया रविंद्र किशोर शाही स्पोर्ट्स स्टेडियम में महिला खिलाड़ियन के चुने खातिर ट्रायल सबेरे दस बजे से होई. एह में हाकी, टेनिस, एथलेक्टिस आ बैडमिंटन खिलाड़ियन के चुनल जाई.

रामजी सहाय पीजी कालेज के परीक्षाफल घोषित होखे में देरी से नाराज छात्र बियफे का दिने प्रदर्शन कइले.

तरकुलवा से बाइक से घरे लवटत एगो व्यवसायी से दिनदहाड़े तीस हजार रुपिया लूट लिहल गइल बाकिर थाना में कवनो तहरीर नइखे लिखावल गइल. घायल व्यवसायी के इलाज पथरदेवा में करावल गइल.

कालेज आवत-जात घरी रोज एगो मनचला के हरकत से परेशान छात्रा बियफे का दिने ‘मर्दानी’ बन गइल आ ला घूँसा से उनकर धुनाई क दिहलसि. धुनाइल मनचला तिवारीपुर के हवे.

सांसद रहल आ मानव उत्थान सेवा समिति के संस्थापक सतपाल महराज बियफे का दिेन गोरखनाथ मंदिर आ के ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि प श्रद्धांजलि अर्पित कइले, गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ से मिलले आ उनुका के ब्रह्मालीन महंत अवेद्यनाथ पर लिखल एगो किताब भेंट कइले.

पूर्वाचल में इंसेफ्लाइटिस पर शोध करे आइल अमेरिका के टीम के एगो सदस्य डा॰ जेम्स सेवार बुध का रात होटल का बाथरूम में बिछिला के गिर गइले. हाथ शीशा से कट गइल आ एगो गोड़ में हेयर लाइन फ्रैक्चर हो गइल.

बांसगांव में कौड़ीराम के सोनार से रंगदारी मांगे वाला धस्का निवासी एगो आदमी के पुलिस हिरासत में ले लिहले बिया.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)

सारनाथ में होखे वाला बौद्ध कान्क्लेव से पहिले शहर के सड़कन के गड़हा मुक्त बना दिहल जाई. एह बाबत आदेश जारी हो गइल बा.

काशी विश्वनाथ मंदिर के आनलाइन दर्शन करावे खातिर अधिकृत एजेंसी से मंदिर न्यास समिति के शिकायत बा कि अनुमति गर्भगृह में दर्शन पूजन के दिहल रहे बाकिर मध्याह्न भोग आरती ले देखावल जा रहल बा जवन सहमति का खिलाफ बा.

शिवपुर के गायत्री धाम कालोनी में बियफे का दुपहरिया एगो लड़िका फाँसी लगा लिहलसि. कक्षा नौ में पढ़त रहे ई लड़िका. कवनो सुसाइड नोट ना मिलला का चलते पता नइखे लागत खुदकुशी के कारण.

जंसा थाना रामेश्वर में वरुणा नदी किनारे विश्वकर्मा भगवान के प्रतिमा विसर्जन करत घरी गोड़ बिछिलइला से गहिरा पानी में गिर पड़ल बाइस बरीस के धर्मेद्र विश्वकर्मा के मौत हो गइल.

अबकी नवरात में एगो रात कम हो जाई काहे कि महाअष्टमी आ महानवमी एकही दिन 2 अक्टूबर के मनावल जाई.

प्रेमिका के उकसवला पर पिछला बुध का दिने अपना भाई प्रकाश के गरदन रेत दिहलसि हुकुलगंज के बबलू यादव. बबलू के गिरफ्तार क लिहल गइल बा आ प्रेमिका के खोजत बिया पुलिस.

केराकत के खर्गसेनपुर बाजार में ईट भट्ठा संचालक से एगो आदमी के बतकही हो गइल आ अतना बढ़ल कि गोली ले चल गइल. भट्ठा संचालक के घाहिल भइला का बाद उनुका घर के लोग ओह आदमी का घर पर धावा बोल दिहल. पुलिस के कहना बा कि ओकरा कवनो खबर नइखे.

जौनपुर के जफरा बाद इलाका के लाडनपुर गांव में बियफे का दिेन जमीन के झगड़ा में मारपीट से एक आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी गंभीराह घवाहिल हो गइल.

चंदौली में नया कवनो जगहा दुर्गा प्रतिमा स्थापित करे पर रोक लगा दिहल गइल बा.

बलुआ के बड़गांवा में खेत से एगो बूढ़ के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. बूढ़ आदमी गाजीपुर जिला के सिकन्दरपुर के बतावल जात बा.

पांच साल के मासूम बच्ची से कुकर्म करे वाला एगो नसही के पुलिस ज्ञानपुर रोड रेलवे स्टेशन से बियफे का दिने ध लिहलसि जब ऊ कहीं भागेका फिराक में रहल.

वाराणसी-प्रतापगढ़ रेलखंड पर बनकट गांव आ भकोड़ा गांव का बीच बियफे का दिने दू गो औरत ट्रेन का आगा कूद के जान दे दिहली सँ.

वाराणसी-जंघई रेलखंड पर नेवादा पुलिया का लगे बुध का दिने रेल लाइन से सटले एगो लाश मिलल जवना के मूड़ी गायब बा. बहुत खोजलो का बाद अगल बगल ओकर मूड़ी ना मिलल.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

बंजरिया इलाका के अजगरवा गांव के चौदह साल के एगो लड़िका के मौत बुध का रात साँप कटला से हो गइल.

बेतिया कचहरी से मंगल का दिने एगो मोटर साईकिल चोरा लिहल गइल जब मचहां के पंडित राम अपना वकील से सलाह लेबे गइल रहलन.

नौतन में चंद्रावत नदी में डूबल लड़िका के लाश चार दिन बाद उतराइल मिलल.

आदर्श आचार संहिता लाँघे के आरोपी बेतिया विधायक आ भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रेणु देवी आ उनका ड्राइवर के बियफे का दिने कोर्ट में समर्पण का बाद जमानत मिल गइल.


टटको में टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up