टटका खबर : 20 सितंबर 2014

by | Sep 21, 2014 | 0 comments


टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर)

तरारी थाना क्षेत्र के हरदिया गाव में दहेज खातिर बियहुता के हत्या करे आ सुबुत मेटावे के मामिला सामने आइल बा. मरे वाली के भाई ओकरा पति समेत आठ जने प मुकदमा लिखववले बाड़न.

शुक का दिने पीरो, ईमादपुर, अगिआव बाजार आ हसनबाजार इलाकन चारपहिया आ दुपहिया वाहनन के कागजात वगैरह के जाँच पड़ताल में तीन दर्जन वाहन जब्त कइल गइल.

भभुआ टाउन उच्च विद्यालय पर आयोजित नियोजन सह व्यावसायिक मार्ग दर्शन मेला में 1566 लोग के बहाली के पाती दिहल गइल.

गजराजगंज चौकी के मसाढ़ गांव में छापामारी क के जब्त एक क्विंटल गांजा का मामिला में मकान मालिक बाप नबेटा के दोषी बनावल गइल बा.

नवादा थाना के महाराजा हाता मुहल्ला में बियफे का देर रात चोरी क के भागत एगो चोर के लोग ध लिहल बाकिर ओकर दू गो साथी बच के भाग निकलले. ओकरा लगे से चोरी के सामानो मिलल.

वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय में एक करोड़ साठ लाख का लागत से पुस्तकालय बनावल जाई.

बिक्रमगंज के एएस कालेज में अब नामांकन खातिर खाली आनलाइन आवेदन लिहल जाई आ चुनाईल छात्रन के सूची आनलाइन जारी क दिहल जाई.

डेहरी-आन-सोन के महिला कालेज में 11 गो सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा जवना से पढ़ाई का साथे सुरक्षो पर नजर राखल जाई.

अकोढ़ीगोला के सनाथ बिगहा का नियरा शुक का दिने एगो भईंसा जीविका के प्रखंड परियोजना प्रबंधक मैत्री कुंवर क कचार दिहलसि. पचपन साल के मैत्री कुंवर के इलाज का दौरान मौत हो गइल.

बक्सर का कई प्रखंडन में तैनात पिछला चार महीना से तनखाह ना मिलला से ओह लोग में खिसियाहट भरल जात बा आ कहत बा लोग कि अगर जल्दिए बकाया के भुगतान ना मिलल त स्कूलन में ताला लगा दी लोग.

वासुदेवा चौकी इलाका के बिंद टोली निवासी शम्भू बिन के सड़क हादसा में मौत का बाद लोग मुआवजा मांगत डुमराव-बिक्रमगंज सड़क जाम क दिहल.

कोरानसराय थाना के केसठ रोड पर बाइक से घवाहिल केसठ के प्रखंड उप प्रमुख जिब्राइल अंसारी के शुक का दिने पीएमसीएच में निधन हो गइल.

बरीसन से फरार अपराधी मनहथा गाँव के भृगुनाथ यादव के शुक का दिने पुलिस प्रखंड मुख्यालय से गिरफ्तार क लिहलसि जहाँ उ एगो उम्मीदवार के परचा दाखिल करावे आइल रहुवे.

रामगढ़ के रास्ते यूपी जात बालू लदाइल आठ गो ओवर लोडेड ट्रक के बियफे का रात जब्त क के थाना ले आवल गइल.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

हनुमानगंज के बहादुरपुर चट्टी पर बियफे का रात कुछ दबंग एगो सब्जी बेचे वाला के गुमटी फूंक दिहले आ बगल में बनल हनुमान चबूतरा तूड. दिहले. चबुतरा पर राखल हनुमना जी के मूृ्र्तिओ के गायब क दिहल बा. अब प्रशासन जल्दी जल्दी चबूतरा बनवावे में लागल बा.

पियरौंटा गाव के समाजसेवी कपिलदेव पाठक के निधन 75साल का उमिर में हो गइल. अंतिम संस्कार पचरूखिया घाट पर कइल गइल.

रेवती थाना के रेकहां गांव का नियरा शुक का सँझिया एगो बाइक से आइल बदमाश बैंक से रुपिया ले के आवत आदमी के लूटे के कोशिश कइले आ लूट ना पवला पर छूरा मार के भाग निकलले.

मांझी घाट के जयप्रभा पुल का नीचे बियफे साँझ एगो नवही के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. लाश कई दिन से पड़ल लागत बा काहे कि सड़ गल गइल बा.

बांसडीह रोड थाना पुलिस शुक का दिने पालीटेक्निक तिराहा से परिखरा के रहे वाला एगो गैंगस्टर गनेश मिश्र के गिरफ्तार क लिहलसि. गनेश पर अर्जीनिया के धंधा करे के आरोप बा.

गाजीपुर कोतवाली के नवाबगंज में पत्‍‌नी के हत्या के आरोपी पति समेत तीन जने के पुलिस ओह लोग के घरे से ध ले गइल. पूछताछ में पति आपन गुनाह सकार लिहलसि.

गाजीपुर पीजी कालेज आ राजकीय महिला कालेज में बीए आ एमए के सीट बढ़ा दिहल गइल बा.

सरायलखंसी इलाका के रेकवारेडीह चट्टी पर के एगो मोबाइल के दुकान के जंगला तूड़ के एक लाख रुपिया से अधिका के सामान बियफे का रात चोरा लिहल गइल. चोरी के पता शुक का दिने दुकान खोले अइला पर लागल.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)
गड़खा के मीनापुर गांव में शुक का दिने एगो लड़िका पोखरा में डूबला से मर गइल. चौदह साल के ई लड़िका छठवीं में पढ़त रहुवे.

छपरा भगवान बाजार के शाह बनवारी लाल पोखरा में शुक का दिने कपड़ा में लागल पाँक धोवे पोखरा में उतरल एगो लड़िका डूब के मर गइल.

भेल्दी के तरवारा गांव में शुक का दिने मकई के खेत में पैंतालिस साल के गाँवे के एगो आदमी के लाश मिलल.

गलत मुकदमा में फंसवला का खिलाफ कुछ लोग दरियापुर थाना पर प्रदर्शन कइले रहे जवना का बाद पचास लोग का खिलाफ प्रदर्शन करे का चलते मुकदमा दर्ज हो गइल बा.

जेपी विश्वविद्यालय के कुलपतिए के कहना बा कि एह विश्वविद्यालय से मिलल डिग्रियन के कवनो मोल नइखे.

सिवान जिला के रघुनाथपुर बाजार के शराब दुकान पर बियफे का देर रात दर्जन भर लोग हमला क के दुकान के पार्टनर आ सेल्समैन के पीट दिहल आ सत्तर हजार रुपिया के नकदी आ कुछ शराब के बोतल लूट ले गइल. जात जात धमकावतो गइल लोग कि पाँच लाख रुपिया के रंगदारी पहुँचा द.

गोपालगंज के बरौली में विश्वकर्मा भगवान के मूर्ति विसर्जन करत एगो नवही तालाब में डूब के मर गइल.

मीरगंज थाना के जिगना गोपाल गांव का लगे कुछ लूटेरा एगो अधबूढ़ आदमी से ओकर मोटरसाइकिल छीन लिहले आ दू हजार रुपियो लूट लिहले.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

अरेराज सेन्ट्रल बैंक से 50 हजार रुपिया निकाल के पोस्ट ऑफिस जात राजेपुर गांव के एगो रिटायर्ड शिक्षक से झपटमार गिरोह के बदमाश रुपिया के झोरा छीन ले गइले.

मजदूरी करे वाला तीन लोग जननायक एक्सप्रेस ट्रेन से घरे वापस आवत का राह में नशाखुरानन का जाल में फँस गइले. तीनो के समाान आ रुपिया बेतिया के रुबड़ी गांव का बगइचा में छीन लिहल गइल.

गोरखपुर-मुजफ्फरपुर रेलखंड पर परसा हाल्ट का लगे परसा गाँव के एगो बिअहुता ट्रेन का सोझा कूद के जान दे दिहलसि.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के स्नातक आ स्नातकोत्तर परीक्षा के फार्म अब ऑनलाइनो भरा सकेला. 22 सितंबर से फार्म भरल शुरू होई आ 15 अक्टूबर ले भरा सकी.

शुक का रात एगो स्कार्पियो वाला कई थाना के पुलिस के नचा के राख दिहलसि. बाद में कई जगहा बैरिकेडिंग कइला का बाद उ स्कार्पियो चौबेपुर के जयरामपुर में लावारिस मिलल.

अलीनगर पुलिस शुक का दिने मानस नगर से 25 हजार रुपिया के जाली नोट संगे पश्चिम बंगाल के एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहलसि.

मुगलसराय के पत्रकार सरकार के चेतवले बाड़े कि अगर दू दिन का भीतर कोतवाल के निलंबित ना कइल गइल त भूख हड़ताल पर बइठी लोग. कोतवाल पिछला दिने धरना पर बइञल पत्रकार आ व्यापारियन प लाठी चार्ज करा दिहले रहले.

कमालपुर के रेल फाटक पार करत पैंसठ साल के शिव कुमारी राय के मौत ट्रेन से कचरइला का बाद ठाँवे प हो गइल. पैंसठ बरीस के शिवकुमारी राय भाजपा के महिला नेता रही.

आँकड़ा के बाजीगरी का चलते भदोही के सूखाग्रस्त जिला ना घोषित कइल जा सके.


टटको में टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up