टटका खबर : 28 सितंबर 2014, अतवार

by | Sep 29, 2014 | 0 comments

बिहार आ यूपी के खबर –

  • बलिया के रसडा में शनिचर के रात एगो पेट्रोल टैंकर पलटला का बाद ओहमें आग लाग गइल आ ओहसे झँउस के छह लोग के जान चल गइल आ बीसन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • सारण जिला के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी का अदालत परिसर में पिछला हप्ता भइल बमबाजी का मामिला में आजु अतवार का दिने पुलिस तीन जने के गिरफतार क लिहलसि.
  • भाजपा विधायक सोमार का दिने उत्तर प्रदेश विधान भवन का सोझा धरना दीहें.
  • गोंडा जिला के कर्नलगंज इलाका के उदियापुर गांव का लगे बगल के नाला से निकल के एगो मगरमच्छ गाँव में घुस आइल जवना के पकड़ के वन विभाग के लोग फेरू नदी में छोड़ दिहलसि.
  • जौनपुर जिला के सदर तहसील के नहोरा-गडहर घाट पर सई नदी पर तेरह करोड लगा के पुल बनावे के मंजूरी दिहलसि यूपी सरकार.
  • भगवान बुद्ध के ज्ञानस्थली रहल बिहार के बोधगया में चलत दिन के अंतरराष्ट्रीय बौद्ध समागम आजु पूरा हो गइल.
  • सिवान के गुठनी का पछिम टोला में काल्हु देर रात एगो बच्ची से कुकर्म होखे का दौरान ओकर मौत हो गइल. खिसिियाइल लोग थाना में तोड़फोड़ कइल आ सड़क जाम क के आवाजाही रोक दिहले बा.
  • आजमगढ के दीदारगंज इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में एगो लेखपाल के मौत हो गइल.
  • बिना बतवले गैरहाजिर रहला का चलते भोजपुर जिला के बड़हरा प्रखंड के शिक्षा प्रसार पदाधिकारी, कृषि पदाधिकारी आ चकबंदी पदाधिकारी के कारण बताओ नोटिस दिहले बाड़न विकास पदाधिकारी.
  • आरा शहर के शाहपुर में एगो ड्रग एजेंसी पर छापा मार के सघन जाँच कइल गइल. एह दौरान दुकानदार भाग निकलल.
  • पीरो के अंबेदकर मुहल्ला में शनिचर रात एगो नवहिन से जबरिया कुकर्म आ मारपीट कइला का आरोप में दू जने का खिलाफ नामजद प्राथमिकी लिखावल गइल बा.
  • एगो बरीसन पुरान गोलीबारी के मुख्य आरोपी करनौल-चांदी गांव के भुटेली राम के पुलिस शनिचर का दिने गिरफ्तार क लिहलसि.
  • रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के कुम्हऊ के एगो किसान केस लिखववले बाड़न कि उनुका 14 बीघा खेत में लागल धान के फसल पर जहरीला दवाई छीट के सूखा दिहल गइल बा.
  • सासाराम के रौजा रोड में एगो नर्सिंग होम में आपरेशन का दौरान एगो प्रसूता औरत के मौत हो गइल. पति के कहना बा कि डाक्टर का लापरवाही का चलते मौत हो गइल.
  • संझौली के सिअरूआ गांव में शनिचर का रात एगो ट्रैक्टर वाला के हाथ गोड़ बान्ह के ट्रैक्टर छीन लिहल गइल बाकिर पता ना काहे ऊ थाना में केस नइखन लिखववले.
  • कुदरा पुलिस ने शनिचर का रात पुसौली के एगो आटा चक्की आ तेल मिल से 14 गैलन अवैध स्प्रिट बरामद कइलसि. ओहिजे खड़ा एगो मारुति जेन कारो से गैलन में राखल स्प्रिट मिलल बा. एह बीच मिल मालिक भाग निकलल.
  • सारण पुलिस के विशेष टीम पिछला दिने एगो हत्याकांड के गवाह के बम हमला क के मार देबे का आरोप में तीन गो बदमाशन के ध लिहलसि. तीनो आपन अपराध सकार लेले बाड़े सँ.
  • मशरक पुलिस शराब के तीन गो धंधेबाजन के अतवार का दिने गिरफ्तार क के छपरा जेल भेज दिहलसि.
  • दाउदपुर टीसन पर आपन रेलगाड़ी रोके से खिसियाइल यात्री बवाल मचवले आ ट्रेन पर पथराव कइले. ओह लोग के शिकायत रहल कि फिरोजपुर कटिहार साप्ताहिक डाउन ट्रेन के घंटन खड़ा राखल गइल आ एह बीच वैशाली आ प्रीमियम एक्सप्रेस ट्रेन के पास करा दिहल गइल.
  • बिहार में संविदा पर बहाल आयुष चिकित्सक आधुनिक चिकित्सा विज्ञान के डाक्टरन का बराबर तनखाह माँगत आन्दोलन करे जात बाड़े.
  • भोरे के विधायक रहल अलगू राम के शनिचर देर रात नब्बे साल का उमिर में बघेजी गांव में उनुकर देखभाल करे वाली बहिन का घर पर हो गइल. अलगू राम रसौती के रहलन.
  • पिछला 24 सितंबर के भोजपुरवा गाँव के नन्हकी सिंह के हत्या का आरोप में मांझा पुलिस एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि धराइल आरोपी के बाप के बीस साल पहिले हत्या क दिहल गइल रहे जवना में नन्हकी सिंह के एगो साथी पर आरोप लागल रहुवे.
  • मोतिहारी में खास अभियान चला के जिला भर से पाँच दर्जन अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
  • बेतिया के सिकटा इलाका के रामपुरवा गांव में चलते जीप से उतरे का फेर में गिरल एगो बूढ़ के मौत इलाज का दौरान हो गइल.
  • इलाहाबाद में चलत सीआरपीएफ भर्ती मेला में जाए वाला नवही शनिचर का रात सुरेमनपुर से बलिया का बीच बार बार चेन खींचत गइले आ पवन एक्सप्रेस से जब बलिया अइले त टीसनो पर बवाल कइले.
  • मऊ के भदेसरा गांव में शनिचर साँझ एगो नौ साल का लड़िकी से गाँवे के एगो चालीस साल के आदमी कुकर्म कइलसि. लड़िकी के घर वाले ओह आदमी का खिलाफ केस लिखववले बाड़े.
  • गोरखपुर के शाहपुर में धर्मपुर तिराहा पर अतवार का साँझ एगो फल बेचेवाला से झगड़ा का दौरान एगो अभियंता के लाइसेंसी रिवाल्वर से चलल गोली उनके मेहरारू लके लाग गइल आ उनकर मौत हो गइल. अपना मरद के रिवाल्वर निकालत देख ऊ बेचारी रोके के कोशिश करत रहुवे जब गोली चल गइल. पुलिस दुनू के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • गोरखपुर बरगदवा के एगो प्लाइवुड दुकान के मुनीम के चिलुआताल में चिउटहा पुल पर अतवार का दिने तमंचा लगाके बदमाश 2.55 लाख रुपिया लूट लिहले. मुनीम तगादा से वसूली क के लवटत रहुवे.
  • वाराणसी के बसनी रामपुर में शनिचर साँझ एगो सराफा कारोबारी के घाहिल क के उनुका लगे से गहना भरल बैग छीन लिहल गइल. बैग में चार किलो चाँदी समेत तीन लाख के गहना रहुवे.
  • जौनपुर के गौरा बादशाहपुर इलाका के नयनसंड गांव का लगे शनिचर रात एगो मोटरसाइकिल सवार गड़हा में गिर गइल आ ओकर मौत हो गइल आ पीछे बइठल साथी घवाहिल हो गइल.
  • जौनपुर के शाहपुर गांव के साठ साल के एगो तिवारी जी गया से अपना पुरखन के पिंडदान कर के लवटत में राहे में मर गइलन. अतवार का दिेने उनकर लाश गाँवे चहुँपल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up