टटका खबर : 29 सितंबर 2014, सोमार

by | Sep 30, 2014 | 0 comments

बिहार आ यूपी के खबर –

  • आरा के तरारी थाना प्रभारी विजय प्रसाद राय ठीक से काम ना करे का आरोप में पुलिस अधीक्षक राजेश कुमार का आदेश से तुरत प्रभाव से निलंबित क दिहल गइले.
  • भोजपुर जिला के नारायणपुर थाना के अहिले गांव का नहर से सोमार का दिने पुलिस तीस बरीस के एगो औरत के लाश निकललसि जवना के पहचान अगल बागल के गाँव के लोग नइखे कर पावत.
  • आरा वार्ड संख्या 22 के पार्षद उमेश कुमार 30 तारीख से शहर के नरक बनला का खिलाफ लोहिया चौक पर आमरण अनशन शुरू करे के एलान कइले.
  • डेहरी-आन-सोन टीसन पर बुद्ध पूर्णिमा एक्सप्रेस पर सवार होखत अकोढीगोला के औरत का गरदन से चेन नोच के भागत अपराधी के पकड़ के सोमार का दिने जेल भेज दिआइल.
  • दशहरा का दौरान शान्ति बनावे रखला खातिर पुलिस बक्सर में फ्लैग मार्च निकललसि.
  • डुमराव के काली आश्रम मंदिर का नियरा काव नदी के धोबीघाट का लगे सोमार का दिने तीस बरीस के एगो आदमी के लाश मिलल जवना के पहचान नथुनीबाग मुहल्ला के शांतनु यादव बतावल जात बा.
  • सोनवर्षा चौकी के एनएच-30 पर टीकपोखर पुल का लगे अतवार का अधरतिया में मोहनियां ओर जात ट्रक के लूटत बदमाशन के पुलिस पकड़ लिहलसि. बदमाश अगियाँव गाँव के बतावल जात बाड़े.
  • डुमराव भोजपुर रजवाहा नहर में कतिकनार गाँव के लोग फाल लगा के पानी रोक लेले बा. एहसे दर्जनो गाँव के लोग नाराज बा.
  • दिघवारा थाना के पीरगंज के लोग सोमार का सबेरे से परसा-सीतलपुर हाइवे पर जाम लगा दिहल. एह लोग के शिकायत बा कि अतवार के रात पुलिस आ के बेमतलब कुछ लोग के पिटाई कइलसि.
  • सिवान जंक्शन पर अतवार के साँझ मिलल नशाखुरानी गिरोह के शिकार नवही के मौत अस्पताल में हो गइल. ओह नवही के पहचान नइखे हो पावल.
  • सिवान के बड़हरिया में सबेरे आइल तूफान से एगो स्कूल के छत उड़ गइल आ दर्जनो विद्यार्थी घवाहिल हो गइले.
  • सोमार का दिने भइल बरखा से गोपालगंज के मीरगंज आ पंचदेवरी में फसल के बहुते नुकसान होखे के खबर बा. कई जगहा पेड़ उखड़ला से सड़क बन्द हो गइल.
  • गोपालगंज पंचदेवरी के कुकुरभुका गांव में अतवार का रात एके हाता में बनल चार गो भाइयन के घर में फेराफारी घुस के सात लाख रुपिया के सामान चोरा लिहले चोर. सभके अगिला दिन सबेर में चोरी के पता लागल.
  • हजियापुर में छापा मार के अतवार का रात मांझा पुलिस भोजपुरवां गांव के नन्हकी सिंह के हत्या में नामजद दुसरको आरोपी बबलू सिंह के ध लिहलसि.
  • मांझा के कोइनी गांव का लगे अतवार का सँझिया में एगो आटो पलट गइल आ ओहपर सवार एगो औरत के मौत हो गइल. पुलिस चालक के हिरासत में लेत आटो जब्त क लिहले बिया.
  • सीतामढ़ी जिला के रून्नी सैदपुर के महिनवार के मुखिया से रंगदारी मांगे वाला आरोपी के रक्सौल पुलिस रक्सौल में गिरफ्तार क लिहलसि.
  • तुरकौलिया थाना क्षेत्र के रघुनाथपुर वार्ड में पिछला शनिचर का रात चोरी भइल गहना सोमार का दिने पुलिस रघुनाथपुर के नवल राय का घर से बरामद करत उनका लड़िका के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • गौनाहा प्रखंड के पैक्स चुनाव में चार गो पंचायत में अध्यक्ष बिना कवनो विरोध चुना गइले काहे कि केहू ओह लोग का खिलाफ परचो ना दाखिल कइल. घमौरा, जमुनिया, महुई आ मटियरिया पंचायत में अब बिना वोट करवले रिजल्ट हो जाई.
  • गाजीपुर प्रशासन के बवकूफ बनावत एके मकान में चार गो स्कूल चलावे वाला चालबाज प्रबंधक के सोमार का दिने कोतवाली पुलिस पकड़ के जेल भेज दिहलसि. एह स्कूलन के भवन बनावे का नाम पर ओकरा पर 11 लाख रुपिया गबन करे के आरोप बा.
  • देवरिया के अड़िला गाँव में कुश्ती का दौरान एगो नवही के बहुते गंभीर चोट लाग गइल जवना का बाद ओकरा के जिला अस्पताल चहुँपावल गइल. बाकिर ओकर खराब हालत देख के गोरखपुर रेफर क दिहल गइल आ जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल.
  • वाराणसी के चेतगंज का रामकटोरा में अतवार का रात बाइस साल के एगो लड़िकी फांसी लगा के मर गइल. लाश का लगे से कवनो सुसाइड नोट नइखे मिलल.
  • ज्ञानपुर पुलिस लड़िकी भगावे के तीन गो अलग-अलग मामिला में सोमार का दिने पांच जने के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • जौनपुर के कटघरा मोहल्ला में बनत एगो मकान में एगो नवही फाँसी लगा के मर गइल. अपना सुसाइड नोट में उ अपना बाप-महतारी से माफी मँगलेबा.
  • मारपीट, बलवा आ फिरकावारान बवाल खड़ा करे का आरोप में बन्द जौनपुर के मो.हसन डिग्री कालेज के प्राचार्य डा.अब्दुल कादिर आ उनका सहयोगी जीवन यादव के जमानत मंजूर हो गइल बा.
  • आजमगढ जिला के देवगावं में एगो अनजान के लाश मिलल.
  • आजमगढ के पवई इलाका में एगो औरत देह पर किरासन तेल डाल के आग लगा लिहलसि जवना से जर के ओकर मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश सरकार विदेशी थाई मांगुर आ बिगहेड मछरियन के मारे आ बाजार में बेचे, भा आयात निर्यात पर रोक लगा दिहलसि.
  • केन्द्रीय विधि आ कानून मंत्री रवि शंकर प्रसाद कहलन कि सरकार 287 गो अइसन पुरान कानूनन के खोज निकलले बिया जवना के संसद के शीतकालीन सत्र में रद्द क दिहल जाई.
  • बिहार सरकार मधुबनी जिला के एगो मंदिर में मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पूजा कइला का बाद मूर्ति धोवे के मामिला के जाँच के आदेश दिहलसि. वइसे मंदिर में रोज मंदिर धोवात रहेला आ मूर्तियनो के नहावल जाला. लागत बा अइसने बात के कवनो आदमी बिना मतलब बखेड़ा बना दिहले बा.
  • आजमगढ के कप्तानगंज इलाका के एगो इनार से एगो औरत आ ओकरा चार साल के बेटा के लाश निकालल गइल बा.
  • रोहतास जिला में अलग अलग हादससा में एगो बच्चा समेत दू जने के मौत हो गइल.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि बिहार में उद्योग लायक माहौल बा आ उद्यमी लोग ‘मेक बिहार’ में सहभागी बनसु आ एहिजा निवेश क के आपन उद्योग शुरू करसु.
  • बिहार जइसन महागठबंधन यूपी में बनावे के अटकल नकारत कांग्रेस महासचिव मधुसूदन मिस्त्री कहलन कि पार्टी अकेले लड़ी.
  • भोजपुर जिला के अजीमाबाद इलाका के नूरपुर गांव में एगो घर के दीवाल गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल.
  • वैशाली जिला के महुआ इलाका में अक्षयवट राय महाविद्यालय का नियरा एगो एसबीआई ग्राहक सेवा केन्द्र के कर्मचारी से चार लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • सारण जिला के सोनपुर अंचल के हलका कर्मचारी बबन कुमार के घूस लेत में ध लिहल गइल बा.
  • बेतिया नगर थाना के घसियारपट्टी मुहल्ला में आजु सोमार का दिने एगो बूढ़ फाँसी लगा के जान दे दिहले.
  • उत्तर प्रदेश के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह आजु कहलन कि धार्मिक नगरी वाराणसी के विकास करत धेयान राखल जाई कि एकर पुरान स्वरुप बरकरार रहे.
  • रोहतास जिला के कछवा इलाका के इब्राहिम गांव से पांच गो अपराधियन के असलहा संगे गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस.
  • गोरखपुर के राजघाट इलाका में एगो गोदाम में आग लगला से एक आदमी के मौत हो गइल आ लाखो के सामान जर के राख हो गइल.
  • सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के पुरानी बाजार में एगो निजी विद्यालय के दीवाल गिरला से दू दर्जन छात्र छात्रा घवाहिल हो गइले.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव सगरी बिजली कर्मचारियन के “कटियाबाज” फिलिम देखे के सलाह दिहले.
  • आजमगढ के फूलपुर में आजु सोमार का फजीरे एगो प्रेमी जोड़ा ट्रेन का आगे कूद के जान दे दिहलसि.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला के उपहारा इलाका में पंजाब नेशनल बैंक के महद्दीपुर शाखा से आजु दिनदहाड़े नौ लाख रुपिया लूट लिहल गइल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up