टटको में टटका खबर : 24 सितंबर 2014, बुध

by | Sep 25, 2014 | 0 comments

24 सितंबर, 2014 का दिने मंगलयान के मंगल का कक्षा में स्थापित होखे से पहिले बेंगलुरु का भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन मुख्यालय में वैज्ञानिकों से रुबरू प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी.

24 सितंबर, 2014 का दिने मंगलयान के मंगल का कक्षा में स्थापित होखे से पहिले बेंगलुरु का भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन मुख्यालय में वैज्ञानिकों से रुबरू प्रधानमंत्री श्री नरेन्द्र मोदी.


आजु के ‘टटको में टटका’ पढे़ला क्लिक करीं.


  • महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पृथ्वीराज चव्हाण कहलन कि राकांपा के नामुमकिन शर्ते का चलते ओकरा से गठबन्हन करे में मुश्किल होखत बा.
  • हरियाणा विधानसभा के सगरी 90 सीट ला कांग्रेस आजु बुध का दिने अपना उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि.
  • सारधा चिटफण्ड घोटाला मामिला में सीबीआई बुध का दिने तृणमूल कांग्रेस के सांसद शुभेन्दु अधिकारी से पूछताछ कइलसि.
  • प्रियंका वाड्रा गाँधी आजु बुध का दिने एह बात के झूठिया दिहली कि उनुका बेटा के राहुल गाँधी गोद लेबे जात बाड़न.
  • अमेरिकी सेना आजु बुध का दिने सीरिया आ इराक में इस्लामिक स्टेट के आतंकवादियन का ठिकाना पर पांच गो हवाई हमला करे के बात सकरलसि.
  • पाकिस्तान अपना सबले अनुभवी बल्लेबाज यूनुस खान के आस्ट्रेलिया का खिलाफ संयुक्त अरब अमीरात में होखे जात एकदिना सीरीज से बाहर क दिहले बावे.
  • बुध का दिने मध्यप्रदेश के पन्ना जिला में खतम भइल हीरा नीलामी में आठ करोड 62 लाख रू. के हीरा बेचाइल बाकिर अबले के सबले बड़ आ 37.68 कैरेट के हीरा के केहू खरीदे के हिम्मत ना जुटा पावल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पांच दिन के अमेरिका यात्रा में एयर इंडिया के विशेष विमान से 26 सितंबर के अमेरिका पहुँचिहं जहां राजदूत सुब्ह्मण्यम जयशंकर आ संयुक्त राष्ट्र में भारत के मुख्य प्रतिनिधि अशोक के मुखर्जी समेत अनेके आला अधिकारी उनकर स्वागत करीहें.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु बियफे का दिने अमेरिका के यात्रा पर रवाना होखीहें. ई दौरा कई नजर से बहुते खास बा. नरेन्द्र मोदी राष्ट्रपति बराक ओबामा समेत अनेके राजनेतन से मिलिहें.
  • कर्नाटक का बैंगलुर में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंडिया फूड पार्क के लोकार्पण कइले. एह मौका प कर्नाटक के मुख्यमंत्रिओ मौजूद रहलें बाकिर कवनो तरह के हूटिंग ना भइल.
  • झारखंउ में गिरत शिक्षा व्यवस्था, बढ़त अराजकता अउर भठियरपन का खिलाफ मुख्यमंत्री आवास के घेराव करे चहुँपल अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्तन के पुलिस लाठी चार्ज कर के भगा दिहलसि.
  • दिवंगत गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवैद्यनाथ के श्रद्धांजलि सभा गोरखपुर में भइल जवना में साधु सन्त, हिन्दू संगठन के पदाधिकारी आ भाजपा नेता शामिल भइले. एह सभा में कहल गइल कि राम मंदिर बनवावे के महंत जी के संकल्प हर हाल में पूरा कइल जाई.
  • कोल ब्लाक आवँटन के रद्द करे प चिंता जतावत उद्योग संगठनन के कहना बा कि एहसे देश में फेरी मंदी के दौर आ जाई.
  • कोयला घोटाला के चलते उच्चतम न्यायालय साल 1993 से 2010 का बीच बाँटल 218 गो में से 214 गो कोल ब्लाक के आवंटन निरस्त कर दिहलसि. हालांकि अगिला छह महीना ले ई कंपनी सब उत्पादन जारी राख सकीहें.
  • केंद्रीय खेल मंत्रालय 1964 का टोक्यो ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीते वाली हाकी टीम के पचास साल पूरा होखे का मौका प सम्मानित करी. ओकरा बाद से भारत के फेरू स्वर्ण पदक देखे के नइखे मिलल.
  • बिहार का मुजफफरपुर जिला के गायघाट इलाका में पुलिस बुध का दिने छह गो ब्लैकमेलर आ फर्जी पत्रकारन के आठ लाख रूपिया समेत गिरफ्तार क लिहलसि.
  • पंजाब नेशनल बैंक का बाद अब भारतीय स्टेट बैंको आपन दस रुपिया के शेयर के बाँट के एक रुपिया के दस दस शेयर कर दी.
  • तेल आयातक आ बैंकन के डालर मांग का चलते आजु रुपिया डालर का मुकाबले दू पइसा टूट गइल.
  • बिहार भाजपा के नेता सुशील कुमार मोदी लंदन में दिहल मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के भाषण में राजनीतिक ईमानदारी ना बरते के आरोप लगावत कहलन कि उनुका बतावे चाहत रहे कि कवना मजबूरी में बिहार के धसावे वाला लालू प्रसाद यादव से जदयू हाथ मिलवलसि.
  • पंजाब के मलेरकोटला में बुध का दिने हिंदू संगठन गो हत्या का खिलाफ जम के विरोध जतवले आ पंजाब में अनेके जगहा एह ला प्रदर्शन करत रेल पटरी पर धरना दिहले आ करीब दू घंटा ले रेलगाड़ियन के आवाजाही बाधित भइल.
  • भाजपा नेता स्व॰ गोपीनाथ मुंडे के दुसरकी बेटी प्रीतम अपना पिता का सीट बीड से लोकसभा उपचुनाव लड़ीहें. एही क्रम में पराली से चुनाव अभियानो शुरू क दिहले बाड़ी प्रीतम मुंडे.
  • कांग्रेस के बड़का बेता नारायण राणे केन्द्र सरकार पर आरोप लगावत कहलन कि केन्द्र सरकार मुंबई के केन्द्र शासित राज्य बनावल चाहत बिया.
  • इंचियोन एशियाई खेल – हिजाब पहिर के खेले के इजाजत ना मिलल त कतर के महिला बास्केटबाल टीम बुध का दिने आपन मैचे खेले से मना क दिहलसि.
  • त्योहारी मौसम के भीड़ देखत पश्चिम रेलवे गोरखपुर आ बांद्रा टर्मिनस का बीच पांच अक्टूबर से 11 नवम्बर ले हर हप्ता एगो सुपरफास्ट स्पेशल चलावे के फैसला लिहलसि.
  • वाराणसी में काल्हु रात दुकानदारन आ विद्यार्थियन का बीच भइल मारपीट का बाद दू गो विद्यार्थियन के हिरासत में ले लिहले रहे जवना का खिलाफ आज कुछ विद्यार्थी लंका थाना पर जम के बवाल मचवले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के पुरूष टीम 25 मीटर रैपिड फायर पिस्टल स्पर्धा में बुध का दिने कांस्य पदक ना जीत पवलसि आ महिला टीम 50 मीटर राइफल प्रोन टीम फाइनल्स मुकाबला में 11वां जगहा रहल.
  • पाकिस्तान के एगो अखबार हवा उड़वले बावे कि पीएम नरेन्द्र मोदी आ पाकिस्तानी पीएम नवाज शरीफ राष्ट्रसंघ सम्मेलन का मौका पर एक दुसरा से बतिया सकेले आ पाकिस्तान एकरा ला तइयार बा.
  • भाजपा प्रवक्ता आ नयी दिल्ली लोकसभा सीट से सांसद मीनाक्षी लेखी आजु सकार लिहली कि सरकार अपना सफाई अभियान का तहत सरकारी कंपनियन से कुछ स्वतंत्र निदेशकन के हटावत बिया.
  • स्व॰ दीनदयाल उपाध्याय का जनम दिन से बिहार भाजपा राज्य भर में आपन “बिहार बचाओ – बिहार बनाओ” अभियान के शुरुआत करी.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के टेनिस खेले वाली महिला जोड़ी अपना पुरान टकरइत पाकिस्तान के जोड़ी के 2-0 से हरा दिहलसि बाकिर महिला एकल में दुसरका राउंड मैच में नताशा मारी एन आपन मुकाबला हार गइली.
  • महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव ला सीट बंटवारा के मुद्दा पर कांगे्रस आ राकांपा का बीच गोटी सेट नइखे हो पावत. ओने शिवसेना भाजपा के महायुति से छोटका दल बिदकल शुरू हो गइल बाड़े आ महायुति संकट में बावे.
  • गोण्डा के वजीरगंज क्षेत्र में आज बुध का दिने कोयल लदाइल एगो ट्रक में कार घुस गइला से कार प सवार चार जने के मौत हो गइल आ एक जने बहुते घवाहिल हो गइले.
  • खेड़ा के इमाम के ठासरा के एगो अदालत में पेश करे जब पुलिस ले जात रहुवे तब बीचे में नारा लगावत हिन्दू संगठन के लोग रोक लिहल आ एगो नवही जोरदार थप्पड़ लगा दिहलसि इमाम के. ओकरो के गिरफ्तार क लिहल गइल बा.
  • गुजरात के खेड़ा जिला के एगो इमाम मेंहदी हुसैन पिछला दिने नवरात के गरबा के राक्षसन के खुश करे वाला नाच बतवले रहले जवना का बाद पुलिस उनुका के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • आजमगढ के जीयनपुर क्षेत्र में बुध का सबेरे एगो बिआहल औरत फँसरी लगा के जान दे दिहलसि.
  • बेतिया के जगदीशपुर पुलिस चौकी के डिउलिया गांव में दहेज खातिर एगो ओरत के जरा के मार देबे के मामिला दर्ज करावल गइल बा.
  • इंचियोन एशियाई खेल – बुधो का दिने घुडसवारी प्रतियोगिता में भारत के पुरुष टीम के कवनो स्पर्धा में कवनो सफलता ना मिलल.
  • मंगल यान के मिलल सफलता खातिर देश के वैज्ञानिकन के सगरी दुनिया से बधाई मिलल बा. देश में राष्ट्रपति समेत अनेके लोग बधाई दिहले बा वैज्ञानिकन के.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ने मंगल तक ले यान भेजे के मिशन के आजु मिलल बड़हन सफलता खातिर वैज्ञानिकन के बधाई देत कहलन कि पहिलके प्रयास में ई उपलब्धि हासिल क के भारत एगो नया इतिहास रच दिहलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेल – दीपिका पल्लीकल, जोशना चिनप्पा आ अनाका अलंकामोनी के तिकडी बुध का दिने महिला टीम ग्रुप के मुकाबला में हांगकांग के 2-1 से हरा दिहलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेल – सायना नेहवाल आ पी वी सिंधू बुध का दिने आपन आपन मुकाबला जीतत बैडमिंटन प्रतियोगिता के महिला एकल के अगिला दौर में चहुँपली.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के दुष्यंत सिंह बुध का दिने रोइंग में पुरुष लाइटवेट एकल स्कल्स स्पर्धा में कांस्य पदक जीत लिहलन.
  • भूलन सिंह के अंतिम संस्कार में भारी भीड़ उमड़ल आ रात में उनकर अंतिम संस्कार आमी गाँव में नदी किनारे करा दिहल गइल. अपना रिटायरमेंट का बाद आमी के मशहूर आमी मंदिर खातिर समर्पित भूलन बाबू गाँव में एगो स्कूलो स्थापित कइलन.
  • सारण जिला के आमी गाँव के मशहूर समाजसेवी अवधेश कुमार सिंह (भूलन सिंह) के काल्हु मंगल का भोर में दिल के दौरा पड़ला से निधन हो गइल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up