खबर भोजपुरी में (अतवार, 14 दिसंबर 2014)

(शनिचर, 13 दिसंबर के खबर)
JeetaRamManjhi-at-Singhma

  • बेगूसराय के सिंहमा में एगो अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र के शिलान्यास कइला का बाद भाषण का दौरान मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी कहलन कि सीखे के उनकर उमिर गुजर चुकल बा. कहलन कि चालीस बरीस से राजनीति करत बाड़े आ उनकर ना त केहू राजनीतिक गुरू बा, ना ऊ कवनो बाहुबली हउवन, ना जात बा, ना जमात, तबहियो पिछला छह बेर से हर बेर विधानसभा चुनाव जीतत आवत बाड़न. आ जबले मौका मिली जनता के सेवा करत रहीहें.
  • संसद भवन पर पाकिस्तान से आइल आतंकवादियन के हमला के 13वीं बरखी का मौका पर आजु प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी, राज्‍यसभा के सभापति हामिद अंसारी आ लोकसभा अध्‍यक्ष सुमित्रा महाजन के नेतृत्‍व में सांसद लोग एह हमला में मराइल शहीदन के श्रद्धांजलि दिहल.
  • शनिचर का दिने खेल का मैदान पर भारत के दू गो हार झेले के पड़ल जवना के टीस ढेर दिन ले बनल रही. भुवनेश्‍वर में होखल 35वीं चैंपियंस हॉकी प्रतियोगिता के सेमीफाइनल में भारत 4 बनाम 3 गोल से पाकिस्तान से हार गइल. दुख एह बात के बा कि पाकिस्तान के टीम ढेर दिन से हाकी ना खेलत रहुवे आ एको लीग मैच ना जीत पवलसि बाकिर भारत के रक्षात्मक खेल का कमजोरी का चलते एकरा फाइनल खेले के मौका मिल गइल. दोसरका हार क्रिकेट का मैदान पर ऑस्ट्रेलिया से एडिलेड का मैदान पर खेलल गइल पहिलका क्रिकेट टेस्ट मैच में मिलल. भारत 48 रन से हार गइल.
  • संसद के शीतकालीन सत्र में विधायी काम निपटावे के एगो रिकार्ड बने जा रहल बा. एह सत्र के पहिला तीन हफ्ता में लोकसभा से तेरह गो विधेयक पारित भइल आ एहमें से नौ गो के राज्‍योसभा से मंजूरी मिल गइल. पारित भइल विधेयकन में दिल्‍ली वि‍शेष पुलिस स्‍थापना संशोधन वि‍धेयक, केंद्रीय विश्‍वविद्यालय संधोधन वि‍धेयक 2014 शामिल रहल. कोयला खदान वि‍शेष प्रावधान वि‍धेयक 2014 समेत चार गो वि‍धेयक के राज्‍य सभा से मंजूरी मिलल बाकी बा.
  • सारधा घोटाला में गिरफ्तार पश्चिम बंगाल के परिवहन आ खेल मंत्री मदन मित्रा के कोलकाता के एगो अदालत 16 दिसंबर ले सीबीआई का हिरासत में दे दिहले बिया. सुदीप्‍तो सेन के कानूनी सलाहकार नरेश बलोदियो के एही तारीख ले सीबीआई हिरासत में दिहल गइल बा. इन्हनी के काल्हु गिरफ्तार कइल गइल रहे. एह गिरफ्तारी का खिलाफ पश्चिम बंगाल के मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी धमकवले बाड़ी कि उनका पार्टी के सांसद एह मुद्दा पर संसद में विरोध जतइहें. राज्य में कई जगहा मदन मित्रा के गिरफ्तारी का विरोध में तृणमूल के लोग प्रदर्शन कइल.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव के चउथका दौर के वोटिंग अतवार का दिने डालल जाई. एह दौर में जम्मू कश्मीर के 18 गो निर्वाचन क्षेत्र आ झारखंड के 15 गो सीट ला मतदान करावल जाई.
  • उत्‍तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी के राज्‍य कार्यकारिणी के बइठक शनिचर का दिने विंध्याचल, मिर्जापुर में शुरू हो गइल. बइठक में सदस्‍यता अभियान आ साल 2017 में होखेवाला यूपी विधानसभा चुनाव खातिर जमीनी स्‍तर पर पार्टी मजबूत करे के मुद्दा छवले रहल.
  • देश के अनेके जगहा पर एह जाड़ा के पहिलका बरखा आ कुछ जगहा बरफबारी भइला का बाद हर जगहा जाड़ा पाला में बदले लागल बा.
  • शनिचर का दिने बेंगलुरू पुलिस इस्‍लामिक स्‍टेट के ट्विटर अकाउंट चलावे के आरोपी मेहदी मसरूर के गिरफ्तार कर लिहलसि. पेशा से इंजीनियर ई आदमी बंगाल के रहे वाला ह आ बैंगलुरु में एगो कंपनी में नौकरी करत रहे. एकरा पर देशद्रोह के मुकदमा दर्ज भइल बा.
  • केन्द्र सरकार में संसदीय कार्य आ अल्पसंख्यक कल्याण राज्य मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी आरोप लगवले बाड़न कि यूपी के अखिलेश यादव सरकार धर्मांतरण पर राजनीति करत बिया. कहलन कि राज्य सरकार एह मुद्दा पर कानून बनावे आ राजनीतिक बयानबाजी बंद करे.
  • मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी से बातचीत का बाद होमगार्ड जवान आपन हड़ताल खतम क दिहले. सरकार भरोसा दिहलसि कि ओह लोग के माँग पर सहानुभूति से विचार करी.
  • बक्सर जिला के राजपुर थाना के कनेहरी गांव में सल्फास मिलल खाना खइला का चलते एक आदमी के मौत हो गइल आ दू गो औरत के हालत खराब बा.
  • भोजपुर में एगो औरत के गोली मार के हत्या क दिहल गइल. ओह औरत के पहचान ना भइला का चलते कहल मुश्किल बा कि हत्या काहे भइल भा के कइल.
  • कैमूर जिला के भगवानपुर थाना के भइसही गाँव में जमीन के झगड़ा का चलते भइल गोलीबारी में एक आदमी के मौत हो गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up