खबर भोजपुरी में (अतवार, 25 जनवरी 2015)

by | Jan 25, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 24 जनवरी के खबर)

गणतंत्र दिवस परेड-2015 के फुल ड्रेस रिहर्सल में शामिल उत्तर प्रदेश के झांकी.

गणतंत्र दिवस परेड-2015 के फुल ड्रेस रिहर्सल में शामिल उत्तर प्रदेश के झांकी.

  • अमरीकी राष्‍ट्रपति बराक ओबामा तीन दिन के भारत यात्रा पर अतवार का भोरे चहुँपिहें. उनुका संगे उनकर पत्नी मिशेल ओबामा, बड़का अधिकारी आ अमरीकी उद्योगपतियन के एगो समूहो आवत बा. ओबामा के ई तिसरका आ राष्ट्रपति के रूप में दुसरका भारत यात्रा ह. ओबामा अबकी के गणतंत्र दिवस समारोह के मुख्य अतिथि बाड़ें आ पहिला बेर एह मौका पर अमरीकी राष्ट्रपति के बोलावल गइल बा. दिल्ली चहुँपला पर उनकर पारंपरिक स्वागत राष्ट्रपति भवन में होखी. राजघाट जा के के महात्मा गाँधी के समाधि पर फूल चढ़इहें आ एगो पौधा लगइहें. दुपहरिया में पीएम मोदी संगे लंच पर बातचीत होखी. साँझ के राष्ट्रपति संगे बातचीत आ रात्रि भोज में शामिल होखीहें. सऊदी अरब के शाह का शोक सभा में शामिल होखे का चलते उनकर आगरा कार्यक्रम रद्द कर दिहल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ अमरीकी राष्‍ट्रपति बराक ओबामा मंगल 27 जनवरी का दिने आकाशवाणी से ‘मन की बात’ कार्यक्रम में मिलजुल के राष्‍ट्र के संबोधित करी लोग. एकरा के सगरी रेडियो स्टेशन आ एफएम गोल्ड रात 8 बजे से प्रसारित करीहें.
  • बिहार जदयू में मनभेद बढ़ले जात बा आ मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पक्ष आ विपक्ष में गुटबाजी बहुते तेज हो गइल बा. जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव आज मुख्यमंत्री जीतन राम
    मांझी आ पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह संगे अलग-अलग बंद कोठरी में बात कइलन. वशिष्ठ नारायण सिंह मानत बाड़न कि जदयू मुसीबत का दौर से गुजरत बिया. ओने
    लोजपा नेता चिराग पासवान कहतारें कि अइसन माहौल में जीतन राम के इस्तीफा दे देबे के चाहीं काहें कि ऊ कवनो काम नइखन कर पावत.
  • आरा व्यवहार न्यायालय में भइल बम धमाका में मरल ओरत के पहचान हो गइल बा. ऊ बलिया के रीना गोंड़ रहुवे. ओकरा लाश का बगल में मिलल धमाका का बेरा काम करत रहुवे आ एकर जाँच हो रहल बा.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में सरकार बनावे खातिर भाजपा से बतियावे के बात सकारत पीडीपी के कहना बा कि एह गठबन्हन खातिर पाकिस्तान से बातचीत शुरु करे के आ राज्य से सशस्‍त्र बल वि‍शेषाधिकार कानून हटावे के शर्त बा आ पीडीपी अपना कोर इसू से समझौता ना करी. साथ ही ओकर इहो चाहना बा कि राज्य के मुख्यमंत्री कवनो मुसलमाने होखे काहे कि जम्मू कश्मीर में मुसलमानन के बहुमत बा. एह सोच के विरोध होखे के चाहीं बाकिर सेकूलर जमात चुप्पी लगवले बा. अगर इहे बात कवनो दोसर राज्य कहे कि एहिजा मुसलमान मुख्यमंत्री ना होखे काहें कि एहिजा हिन्दूवन के संख्या ज्यादा बा त सगरी सेकूलर जमात कुकुर बझाँव करे में लाग जाई.
  • दिल्‍ली विधानसभा चुनाव खातिर नाम वापसी के आखिरी दिन रहल. अब सात फरवरी के चुनाव आ मतगिनती दस फरवरी के होखी. राज्य में तीनो बड़का गोल आपन प्रचार तेज क दिहले बा. एह दौरान भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के कहना बा कि एहिजा निश्चित भाजपा के जीत होखी. कहलन कि हाल के चुनाव में मिलल जीत कवनो लहर का चलते ना, भाजपा के कार्यकर्तन का मेहनत का चलते भइल बा. एह बीच आजु रालोद नेता अनुराधा चौधरी आ आआपा सदस्य एजाज अमर खान भाजपा में शामिल हो गइले.
  • प्रधानमंत्री जन धन योजना के मिलल शानदार सफलता खातिर पीएम मोदी सगरी बैंकन के बधाई भेजले बाड़ें. अबले साढ़े एगारह करोड़ से अधिका लोग एह योजना में खाता खोल चुकल बा. आ अब महज आधा फीसदी परिवारन के खाता नइखे खुलल. ओहु परिवारन के खाता खोलवावे में लागल बाड़ी सँ बैंक. एह सगरी खातन के आधार कार्ड से जोड़ दिहल जाई.
  • चुनाव आयोग के नोटिस के जवाब देत आआपा गोल के नेता अरविंद केजरीवाल कहले बाड़न कि ऊ वोट देबे खातिर घूस लेबे खातिर उकसावत ना रहलन. उनकर त इहे कहना रहल कि घुस देबे वाला गोल के वोट ना देहब सभे.
  • सैयद मोदी अंतरराष्ट्रीय बैडमिंटन टूर्नामेट के महिला वर्ग के फाइनल में सायना नेहवाल के मुकाबला स्‍पेन के कैरोलीन मरिन से होखी. लखनउ में आज खेलल मैचन में सायना थाईलैड के निचोन जिंदापोन के आ मरिन भारत के पी वी सिंधु के हरा के फाइनल में चहुँपल बाड़ी. पुरुष वर्ग के फाइनल श्रीकांत आ परुपल्‍ली कश्‍यप का बीचे होखी. श्रीकांत एच एस प्रणय के आ कश्‍यप डेनमार्क के विक्‍टर एक्‍सेलसन के हरा के फाइनल में चहुँपले. ओने ऑस्‍ट्रेलियन ओपन में भारत के महेश भूपति आ ऑस्‍ट्रेलिया के जर्मिला गजदोसोवा के जोड़ी मिक्‍स्‍ड डबल्‍स के पहिलके दौर में हार के बाहर हो गइल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु नई दिल्ली में 24 गो बचवन के वीरता के राष्‍ट्रीय पुरस्‍कार दिहलन.
  • जम्मू कश्मीर में गणतंत्र दिवस का मौका पर सुरक्षा के चाक चौबन्द इंतजाम का बावजूद लोग दहशत में बा. सभे आतंकी हमला के चेतावनी आ अफवाहन का चलते सकपकाइल बा.
  • पिछला प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के बेटी दमन सिंह कहली कि पता ना काहे लोग उनुका के मौनी बाबा कहेला. जबकि अइसन बात ना रहल. ऊ बस बिना बात के बात ना करत रहनी आ अब उनुकर कहल बातन के एगो बटोर किताब का शक्ल में प्रकाशित करइहें दमन सिंह.
  • लंदन में ओह मकान के जहाँ कबो बाबा साहब अंबेदकर रहत रहलन महाराष्ट्र सरकार खरीदे जात बिया. एकरा के पैंतीस करोड़ में खरीदे के योजना बा आ 14 अप्रेल के जनता खातिर खोल दिहल जाई एह मकान के.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up