खबर भोजपुरी में (बियफे, 11 दिसंबर 2014)

by | Dec 11, 2014 | 0 comments

(बुध, 10 दिसंबर के खबर)

सी. राजगोपालाचारी के जयंती पर 10 दिसंबर, 2014 का दिने संसद भवन में उनुका के श्रद्धांजलि दिहलन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी.

सी. राजगोपालाचारी के जयंती पर 10 दिसंबर, 2014 का दिने संसद भवन में उनुका के श्रद्धांजलि दिहलन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी.

  • उत्‍तरप्रदेश के आगरा में साठ गो परिवार के करीब अढ़ाई सौ लोग के हिन्दू धर्म में वापसी करावे का मामला में पुलिस एगो केस दर्ज कइले बिया. कुछ लोग के कहना बा कि ऊ अबहियों मुसलमाने बाड़े आ राशन कार्ड, बीपीएल कार्ड आ मकान दिआवे का वादा पर समारोह में शामिल भईल रहले. हिन्दूवन के धर्म बदलवावे का घटना पर चुप्पी साधे वाली मीडिया वोट बैक राजनीति करे वाला सगरी गोल एह बात पर छनछना गइल बाड़े. संसदो में एह मुद्दा के उठावल गइल. केन्द्र सरकार के कहना बा कि ई कानून व्यवस्था के मामला ह आ एकरा पर राज्य सरकार के फैसला लेबे के बा. सोशल मीडिया पर कहल जात बा कि लोग के ‘घरवापसी’ अतना खराब लागल बा त काहे ना देश में हर तरह के धर्मांतरण पर रोक लगा दिहल जाव आ आजादी का बाद से भइल सगरी धर्मांतरण के रद्द क दिहल जाव.
  • बीमा कानून संशोधन विधेयक-2008 पर राज्‍यसभा के प्रवर समिति के सिफारिश बा कि बीमा क्षेत्र में विदेशी निवेश के अधिकतम सीमा 49 प्रतिशत क देबे के चाहीं. समिति स्‍वास्‍थ्‍य बीमा क्षेत्र के खास प्राथमिकता देबे आ स्‍वास्‍थ्‍य बीमा क्षेत्र के पूंजीगत जरूरत पूरा करे ला एक सौ करोड़ रूपिया रोके राखे के सिफारिशो कइले बिया. सरकार एह विधेयक के अगिला हफ्ता राज्‍यसभा में पेश कर सकेले जहाँ कांग्रेसो एकर समर्थन करे के कहले बिया बशर्ते ओकर सुझाव शामिल क लिहल जाव.
  • केन्द्र सरकार भारतीय दंड संहिता के धारा 309 के हटावे के फैसला कइले बिया जवना में आत्‍महत्‍या के कोशिश के अपराध मानल जाला. अबहीं एह अपराध ला एक साल के जेल आ जुर्माना के प्रावधान बा. मशहूर वकील आ राज्‍यसभा सांसद के.टी.एस. तुलसी एह फैसला के समर्थन करत कहलन कि खुदकुशी करे वालन के मानसिक इलाज आ मानवीय संवेदना के जरूरत होला, कवनो दंड के ना.
  • भारत के कैलाश सत्यार्थी आ पाकिस्तान के मलला युसूफजई के बुध का दिने एगो समारोह क के नार्वे का राजधानी ओस्लो में नोबल पुरस्कार दिहल गइल. पीएम मोदी दुनू जने के बधाई संदेश भेजलन.
  • केन्द्र सरकार का तरफ से लोकसभा में आवास आ शहर गरीबी उन्मूलन मंत्री वैंकेया नायडू कहलन कि साल 2022 ले सबही के आवास दिआवे ला सरकार ठनले बिया आ सरकार जल्दिए एह दिसाईं एगो नया स्कीम ले के आवे वाली बिया.
  • रूस के राष्‍ट्रपति ब्‍लादिमीर पुतिन दू दिन के भारत यात्रा पर नई दिल्‍ली पहुंचले. एहिजा ऊ भारत-रूस के 15वां सालाना शिखर बइठक में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी संगे खास बातचीत करीहें. दुनू देश का बीच प्रतिनिधिओ स्‍तर के बातचीत होखी.
  • सुप्रीम कोर्ट भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के अध्‍यक्ष पद के चुनाव जनवरी के आखिर तकले रोक दिहलसि. अदालत के कहना रहे कि आई पी एल सट्टेबाजी आ स्‍पॉट फिक्सिंग मामला के सुनवाई जारी बा आ 17 तारीख से पहिले सुनवाई फूरा होखे के उमेद नइखे.
  • बिहार में डीजीपी रहल आशीष रंजन सिन्हा अउर अशोक गुप्ता बुध का दिने भाजपा में शामिल हो गइल लोग. जदयू नेता रामबदन रायो भाजपा में आ गइल बाड़न.
  • दीघा रेल पुल अगिला साल जून ले चालू हो जाए के उमेद बा. शुरूआत में एह पुल पर रेलेगाड़ी चली सड़क वाहन ना चल पाई काहे कि सड़क पुल खातिर एप्रोच रोड ला जमीन के व्यवस्था नइखे भइल आ अतिक्रमण नइखे हटत.
  • सारण जिला के दिघवारा थाना प्रभारी विनय कुमार के काम में लापरवाही का आरोप में निलंबित क दिहल गइल बा.
  • बिहार के सगरी डाकघरन के कोर बैंकिंग व्यवस्था से जोड़ दिहल जाई. 22 दिसम्बर से पटना के जीपीओ में कोर बैंकिंग सिस्टम काम करे लागी. पहिले प्रमुख
    डाकघरन के जोड़ल जाई आ गँवे गँवे छोटको डाकघर.
  • सारण जिला के खैरा इलाका के अफौर गांव के लोग रात में चोरी करत पकड़ाइल एगो चोर के पीट पीट के मुआ दिहल.
  • पश्चिम चंपारण के श्रीनगर थाना के पूजहा बाजार में हाईटेंशन तार के चपेटा में अइला का चलते एगो छात्र के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up