खबर भोजपुरी में (बियफे, 18 दिसंबर 2014)

by | Dec 18, 2014 | 0 comments

(बुध, 17 दिसंबर के खबर)
CM-AkhileshYadav-inaugurating-bridge-at-Bastee

  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बुध का दिने घाघरा नदी के बिड़हर घाट पर बनल आ बस्ती से संतकबीरनगर आ अम्बेडकरनगर जिलन के जोड़े वाला पुल के उद्घाटन कइलन.
  • पाकिस्तान के पेशावर में एगो सैनिक स्कूल पर भइल आतंकी हमला में मराइल स्कूली बचवन खातिर संसद के दुनू सदन में संवेदना प्रकट कइल गइल. पीएम मोदी पाकिस्तान के पीएम नवाज शरीफ के फोन क के भारत का तरफ से दुख आ संवेदना जतवले.
  • बिहार विधान मंडल के शीतकालीन सत्र 19 दिसंबर से शुरू होखे जा रहल बा. सत्र 26 दिसंबर ले चलावल जाई. 22 तारीख के अनुपूरक बजट पेश होखी आ 23 24 के सरकारी काम निपटावल जाई.
  • दिल्ली पुलिस बुध का दिने मुंगेर से असलहा बेचे वाला एगो गिरोह के सरगना मंजर आलम के गिरफ्तार कर लिहलस. ओकरा लगे से नई दिल्ली में 120 गो पिस्तौल आ एगो ए-के 47 राइफल बरामद कइले रहुवे.
  • बिहार में संविदा पर बहाल नर्स आपन नौकरी असालतन करवावे ला पटना में स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह के डेरा के घेराव कइली सँ. एह लोग के कहना बा कि सरकार एह लोग के मांग पर धेयान नइखे देत.
  • पूर्वी चंपारण के सुगौली थाना इलाका में नेशनल हाईवे से एगो तस्कर के 5 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कइलस पुलिस.
  • सारण जिला के मढ़ौरा इलाका में नेशनल हाईवे पर बेकाबू गाड़ी से कचरा के एगो आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल.
  • अलीगढ़ में 25 दिसम्बर के होखे वाला ‘घर वापसी’ कार्यक्रम के बाद में कबो करावे के बात कहत टार दिहल गइल बा. पुलिस अधीक्षक के कहना बा कि अइसन कवनो कार्यक्रम करे के इजाजत ना दिहल जाई. ओने आगरा में ‘घर वापसी’ करवावे वाला आयोजक के गिरफ्तारी का बाद अदालत में पेश कइल गइल जहाँ से उनका के 14 दिन के पुलिस हिरासत में भेज दिहल गइल.
  • राज्यसभा में बुधो का दिन विपक्ष कवनो कामकाज ना होखे दिहलस. विपक्ष के इहे रट बा कि पीएम मोदी आवसु आ धर्मांतरण के मुद्दा पर बयान देस. साथही विपक्ष धर्मान्तरण का मुद्दा पर बहसो करावे ला तइयार नइखे. कांग्रेस नइखे चाहत कि दोसर धर्म में चल गइल हिन्दूवन के घर वापसी करावल जाव. दोसरा तरफ संघ के कहना बा कि ‘घर वापसी’ धर्मान्तरण ना ह आ एकरा पर कवनो रोक ना लगावे के चाहीं. आपन गलती मानत वापस लवटे वालन के स्वागत होखे के चाहीं.
  • लोकसभा से बुछ का दिने कंपनी संशोधन विधेयक-2014 ध्वनिमत से पास हो गइल. एह विधेयक के मकसद कारोबार कइल आसान बनावे के बा आ गलत तरीका से धन बटोरे वालन पर दंड लगावे के व्यवस्था बा.
  • ब्रिसबेन क्रिकेट टेस्ट मैच के पहिला दिने के खेल पूरा होखे का बेरा भारत अपना पहिला पारी में चार विकेट गँवा के 311 रन बना लिहले रहुवे. अजिंक्य रहाणे 75 आ रोहित शर्मा 26 रन बनाके क्रीज़ पर रहले. मुरली विजय 144 रन बनवलन.
  • बम्‍बई शेयर बाजार के सेंसेक्‍स बुधो का दिन गिरावट का साथे बंद भइल. निफ्टीओ में गिरावट दर्ज भइल. रुपिया में 8 पइसा के कमजोरी आइल त सोना सौ रुपिया महँग हो गइल. बाकिर चांदी में साढ़े तीन सौ रुपिया के कमी भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up