खबर भोजपुरी में (बियफे, 20 नवंबर 2014)

by | Nov 21, 2014 | 0 comments

हवाई अड्डा पर पीएम मोदी के स्वागत करत सुषमा स्वराज.

हवाई अड्डा पर पीएम मोदी के स्वागत करत सुषमा स्वराज.

  • दस दिन के विदेश यात्रा का बाद पीएम मोदी बियफे का दिने देश लवटि अइलें. हवाई अड्डा पर उनकर स्वागत करे खातिर विदेश मंत्री सुषमा स्वराज समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहल आ उनकर अगवानी कइल.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय छात्र परिषद के चुनाव के विरोध सगरी प्रमुख छात्र संगठन करत बाड़े. एहमें विद्यार्थी परिषद, एनएसयूआई, समाजवादी छात्र परिषद, आ आइसा शामिल बाड़ी सँ. एह विरोध का बावजूद बीएचयू प्रशासन छात्र परिषद के चुनाव करावे पर अड़ल रहल त बियफे का दिने छात्र बवाल मचा दिहले. पुलिस के लाठी चलावे पड़ल, हवाई फायर करे के पड़ल, आ रबर बुलेट चलावे के पड़ल. एह सब का बाद चुनाव टार दिहल गइल. अगर पहिलही हो गइल रहीत त अतना बवाल ना मचल रहीत.
  • सुप्रीम कोर्ट काल्हु सीबीआई निदेशक रंजीत सिन्हा के भरोसा करे जोग ना मानत टूजी घोटाला के जाँच से फरका क दिहलसि जवना का बाद रंजीत सिन्हा के इस्तीफा भा उनकर बरखास्तगी के माँग उठे लागल बा बाकिर बेहया अंदाज में रंजीत सिन्हा इस्तीफा देबे ला तइयार नइखन आ अगिला पखवारा सही सलामत रिटायर हो गइल चाहत बाड़न. भाजपा नीत केन्द्र सरकार के कहना बा कि कानून में अइसन कवनो व्यवस्था नइखे जवना हिसाब से रंजीत सिन्हा के हटावल जा सके.
  • बिहार के बड़बोलता मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के मुँह पर जाबी लगावे चाहत बिया उनकर पार्टी जदयू. पार्टी माँझी के चेता दिहले बिया कि बेमतलब के बयानबाजी बंद कर देसु. जदयू अध्यक्ष शरद यादव के कहना बा कि माँझी के बयान उनकर निजी बयान हो सकेला पार्टी के राय ना. महासचिव केसी त्यागी चेतवलन कि अगर माँझी एही तरह बयानबाजी करत रहलन त उनुका पर कार्रवाई कर सकेलe पार्टी.
  • नैनो कार का बाद अब टाटा नैनो ट्रैक्टर ले के आइल बिया. बियफे का दिने कम हार्सपावर वाला एह ट्रैक्टर के चाबी केन्द्रीय विज्ञान आ प्रौद्योगिकी मंत्री हर्षवर्धन का हाथ से पहिला डीलर के सँउपल गइल. एकरा के छोट किसानन ला उपयोगी बतावल जात बा.
  • काल्हु बुध के देर राति ले बलिया के ददरी मेला में बनल भारतेन्दु मंच पर भोजपुरी लोकगीतन के बहार बहल. एह मौका पर लखनऊ से आइल सुरेश कुशवाहा आ जया अपना लोकगीतन से लोग के भरपूर मनोरंजन कइले. महुआ सुरसंग्राम में हिस्सा लेबे वाला विकास सिंह आ देवपाल, रविन्द्र राजू, प्रियंका पायल, सुनीता पाठक, कल्पना पाठक, शशिपाल प्रभाकर, हरेन्द्र सिंह, सोनूलाल यादव समेत अनेके गायक गायिका आपन गवनई परोसल.
  • मिर्जापुर के कनक सराय गाँव में जमीन के झगड़ा में एक भाई दोसरका भाई के गड़ाँसी से घवाहिल क दिहलसि. हमला करे वाला भाई फरार हो गइल बा आ घवाहिल भाई के बनारस भेज दिहल गइल बा. मिर्जेपुर के बरकछा गाँव में एगो नया कनिया फाँसी लगा के जान दे दिहलसि आ एह मामिला में पुलिस अोकरा मरद समेत तीन जने के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • जौनपुर में भइल दू गो अलग सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ कई लोग घवाहिल हो गइल बा. जफराबाद में मोटरसाइकिल सवार दू भाईयन के एगो जीप धक्का मार के घवाहिल क दिहलसि. इलाज का दौरान एक भाई के मौत हो गइल जबकि दुसरको के हालत नाजुक बा. सरपतहाँ में एगो लड़िकी आ बक्शा में एगो सिपाही घवाहिल भइल बा.
  • गाजीपुर के नियाजी मुहल्ला में दू सौ बरीस पुरान मंदिर से अष्टधातु के 13 गो देव मूर्ति बुध का राते चोरा लिहल गइल. आजु बियफे के जब पुजारी मंदिर खोललें तब एह चोरी के पता चलल.
  • सेना बहाली में आवे वाला नवहियन के भीड़ हर बेर कुछ ना कुछ अइसन बवाल करेलें जवना से सोचे पड़ेला कि अइसनका लोग सेना में बहाल हो जाई तब सेना के का हाल होखी. आजु बियफे का दिने भदोही जिला के बहाली के दिन रहल आ रैली से लवटत नवही हरदत्तपुर टीसन पर विभूति एक्सप्रेस के रोक दिहले आ ओहिजा खड़ा पैसेंजर ट्रेन पर जम के ढेलामारी कइले.
  • भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी साइना नेहवाल आ श्रीकांत के चीन में शुरू भइल विजय अभियान हांगकांगो में जारी बा. दुनू जने अपना अपना वर्ग में क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल बाड़े. बाकिर पीवी सिंधु दुुसरके दौर में हार के बाहर हो गइली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up