खबर भोजपुरी में (बियफे, 6 नवंबर 2014)

by | Nov 7, 2014 | 0 comments

इस्राइल के पूर्व राष्‍ट्रपति शिमोम पैरेस 06 नवम्‍बर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी से मुलाकात कइलन.

इस्राइल के पूर्व राष्‍ट्रपति शिमोम पैरेस 06 नवम्‍बर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी से मुलाकात कइलन.

  • उत्तर प्रदेश के सगरी जिलाधिकारियन के अपना जिला के दू दू गो पिछड़ा गाँवन के गोद लेबे के कहलसि सरकार. ई काम 15 नवंबर ले कर लेबे के निर्देश.
  • सेना में बहाली खातिर 17 नवम्बर से वाराणसी में भर्ती रैली शुरू होखी जवना में सात गो जिला, सोनभद्र, चंदौली, मऊ, संत रविदास नगर, आजमगढ़, देवरिया आ वाराणसी, के उम्मीदवार शामिल हो सकींहे.
  • श्री संकट मोचन संगठन के बैनर तर जौनपुर नखास के गोपी घाट के बियफे का दिने देव दीपावली के मौका पर 11001 दीया से सजावल गइल जवना के देखे ला हजारन लोग चहुँपल घाट पर.
  • जौनपुर के खेतासराय इलाका के युनूसपुर गांव में हाईटेंशन तार का चपेटा में अइला से एगो डीसीएम ट्रक आग के शोला बन गइल. संजोग ठीक रहल कि चालक आ खलासी कूद के जान बचावे में सफल रहले.
  • कार्तिक पूर्णिमा का मौका पर देश भर में करोड़ो श्रद्धालु नदियन में डुबकी लगवले. गंगा के घाटन पर सबले बेसी भीड़ जुटल.
  • अतवार का दिने केन्द्र के नरेंद्र मोदी सरकार के मंत्रिमंडल के पहिलका विस्तार होखे के उमेद बतावल जात बा. गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पर्रिकर रक्षा मंत्री बनावल जा सकेंले. पर्रिकर आजु कहलन कि भाजपा अध्यक्ष उनुका के एह काम ला कह दिहले बाड़न.
  • बसपा प्रमुख मायावती आरोप लगवले बाड़ी कि समाजवादी पार्टी के सरकार उनुका सरकार के ‘महामाया योजना’ के नाम बदल के ‘समाजवादी पेंशन योजना’ रख देले बिया. ई कवनो नया योजना ना ह.
  • अंबाती रायडू के नाबाद 121 रन के पहिला अंतर्राष्ट्रीय शतक के सहारे भारत के क्रिकेट टीम आजु बियफे का दिने अहमदाबाद के मोटेरा का सरदार पटेल स्टेडियम में खेलल दुसरका एकदिना में श्रीलंका के छह विकेट से हरा दिहलसि. पांच गो एकदिना में भारत अब 2-0 से आगे हो गइल बा.
  • फुटबाल के आईएसएल में कोच्चि में खेलल गइल मैच में केरला ब्लास्टर्स एफसी एफसी गोवा के 1 गोल से हरा दिहलसि. गोवा के टीम कवनो गोल ना कर पवलसि. आईएसएल के सफल मानल जात बा कि ई लीग फुटबाल देखे ला दर्शक जुटावे में सफल रहल बा.
  • झारखंड आ कश्मीर चुनाव में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के जीत ला आश्वस्त केंद्रीय खाद्य मंत्री रामविलास पासवान के कहना बा कि बिहार में लालू प्रसाद के राजद, नीतीश कुमार के जदयू आ कांग्रेस के बीच भइल महागठबंधन ढेर दिन ले टिके वाला नइखे.
  • 11 नवंबर से प्रधानमंत्री मोदी म्यांमार, ऑस्ट्रेलिया आ फिजी के यात्रा करीहें. म्यांमार में आसियान अउर पूर्व एशिया शिखर सम्मेलन आ ऑस्ट्रेलिया में जी-20 शिखर सम्मेलन में शामिल होखिहें. ऑस्ट्रेलिया में मोदी के स्वागत मेलबोर्न क्रिकेट मैदान में होखी.
  • महाराष्ट्र कांग्रेस विधायक दल के नेता चुने के काम पार्टी सुप्रीमो सोनिया गाँधी करीहें. संकेत बा कि विदर्भ के कवनो नवही नेता के ई जिम्मेदारी दिहल जाई. वइसे महाराष्ट्र भा हरियाणा में कांग्रेस के नेता विपक्ष बने लायक सीट नइखे मिलल. हरियाणा में इनेलोद आ महाराष्ट्र में राकांपा के नेता विपक्ष के पद मिले वाला बा.
  • भाजपा के शेर से मुकाबला करे खातिर समाजवादी एकजुट होखे के बात कहलें. आजु मुलायम सिंह यादव के बोलहटा पर पुरनका जनता पार्टी परिवार के नेता बइठक क के एकजुट होखे के बात कहलें.
  • भारतीय जूनियर महिला हॉकी टीम न्यूजीलैंड में खेलल जात हाॅकी टेस्ट मैच शृंखला के दुसरका मैच में न्यूजीलैंड के दू दू गोल से बरोबरी पर रोक दिहलसि.
  • सैफ अली खान से बिआह क के मुसलमान बन जाए वाली करीना कपूर के कहना बा कि ऊ ‘लव जिहाद’ में यकीन ना करसु. जबकि लव जिहाद में इहे होखत बा कि मुसलमान लड़िका हिन्दू लड़िकी से बिआह क के ओकरा के मुसलमान बना लेत बाड़े.
  • पटना मेडिकल कॉलेज अस्पताल के डाक्टर विजय कृष्ण के लापता भइला का सतरह दिन बादो कुछ पता ना चलला से नाराज जूनियर चिकित्सक बियफे का दिन से बेमियादी हड़ताल पर चल गइल बाड़े.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के कहना बा कि ऊ अब कुछे दिन ला मुख्यमंत्री बाड़े. एह बीच विवाद बढ़ला का चलते माँझी अपना दामाद के निजी सहायक पद से हटा दिहलन बाकिर अपना भगीना के हटावे से मना क दिहलन. भगीना चपरासी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up