खबर भोजपुरी में (बुध, 17 दिसंबर 2014)

by | Dec 17, 2014 | 0 comments

(मंगल, 16 दिसंबर के खबर)
TalibaniVictims-of-Peshawar

  • पाकिस्‍तान के शहर पेशावर में सेना के स्कूल में आतंकी हमला क के नाहियो त 160 लोग के मार गिरवले जवना में करीब 140 गो स्कूली विद्यार्थी रहले. एह कायराना हमला के दुनिया भर में निन्दा होखत बा. आतंकियन के पोसे वाला पाकिस्तानो में अबकी बेर आतंकियन का खिलाफ आवाज उठल शुरु हो गइल बा बाकिर हिन्दुस्तान का खिलाफ काम करे वाला आतंकी हाफिज सईद आ दाउद ला अबहियो पाकिस्तानी सरकार आ सेना मेहरबान बनल बिया.
    पाकिस्तानी सेना के एह स्कूल पर कइल हमला के जिम्मा सकारत तहरीके तालिबान आफ पाकिस्तान के कहना बा कि एह स्कूल पर एहीला हमला कइल गइल कि सेनो ओह दर्द के बूझे जवन तालिबानी परिवारन पर हमला करे में लागल बिया.
    आतंक के एह बर्बर वारदात के निंदा भारतो से भइल बा. राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री सभे एकर निंदा कइले बा लोग बाकिर सेकूलर जमात के आवाज नइखे सुनात. हाल के घटनन से इस्लामी समुदाय के छवि दुनिया भर में खराब भइल बा आ ओह लोग के सोचे के पड़ी कि का इस्लाम के सीख अइसने आतंक पसारल ह.
  • धर्मांतरण का मुद्दा पर बहस करावे से भागत विपक्ष मंगलो का दिने राज्यसभा में काम ना होखे दिहलसि जबकि सरकार हमेशा तइयार बिया एह मुद्दा पर चरचा करावे के. बाकिर मीठ मीठ गप्प आ कड़ुआ कड़ुआ थू करे वाला विपक्ष ना त धर्मान्तरण पर रोक लगावे के तइयार बा ना एह पर चरचा करे के.
  • लोकसभा मंगल का दिने राष्‍ट्रीय राजधानी क्षेत्र दिल्‍ली कानून (विशेष प्रावधान) संशोधन विधेयक 2014 पास क दिहलसि जवना का बाद दिल्ली के गैरकानूनी कालोनियन के कानूनी वैधता दिहल जा सकी. पिछला कानून एही 31 दिसंबर के खतम होत रहुवे आ अब एकर प्रावधान अगिला तीन साल ले कायम रही.
  • लोकसभा मंगल का दिने कंपनी संशोधन विधेयक के चरचा का बाद पास क दिहलसि. अब धोखाधड़ी क के जनता के लूटे वाली कंपनियन के निदेशकन के दंड दिहल आसान हो जाई.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी भाजपा के सांसदन संगे भइल बइठक में ओह लोग से अपना बयानबाजी में लक्ष्‍मण रेखा ना लांघे के सलाह दिहलन काहे कि एह से बिना वजह विपक्ष के बहाना मिल जाता बवाल करे के आ संसद के बाधित करे के.
  • दिल्‍ली के एगो विशेष अदालत कोयला घोटाला के एगो मामिल में तब कोयला मंत्री आ प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह के बयान रिकॉर्ड करे के आदेश सी बी आई के दिहले बिया. अदालत एह मामिला में सीबीआई के क्लोजर रिपोर्ट माने से नकार दिहलसि आ अगिला रिपोर्ट 27 जनवरी के दाखिल करे के कहले बिया.
  • मंगल का दिने शेयर बाजर भहरा के गिर गइल आ सेंसेक्स में 538 अंक के आ निफ्टी में 152 अंक के गिरावट दर्ज भइल. दिसंबर का महीना में विेदेशी फंड कंपनिया हर साल बिकवाली करेली सँ बाकिर अबकी कुछ अउरी कारण लागत बा.
  • यूपी सरकार राज्य के हर मण्डल में सरकारी इंजीनियरिंग कॉलेज खोले के फैसला कइले बिया. प्राविधिक शिक्षा मंत्री रामसकल गूजर मंगल का दिने एगो समाचार एजेंसी के ई जानकारी दिहलन. कहलन कि जिलाधिकारियन के कहल गइल बा कि एह काॅलेजन ला जमीन उपलब्ध करावस.
  • भोजपुर जिला के आरा शहर में सोना पर करजा देबे वाली एगो कंपनी का आफिस पर डाका डाल के करीब 15 किलो सोना के गहना आ नकदी लूट ले गइले से अपराधी. करीब साढ़े चार करोड से अधिका के लूट के वारदात बा ई.
  • रोहतास जिला के पहाड़ी इलाका से मंगल का दिने पुलिस चार गो नक्सलियन के गिरफ्तार क लिहलसि. ई इलाका में लेवी वसूले आइल रहले सँ.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मैट्रिक परीक्षा सत्रह मार्च से शुरू हो के चौबीस मार्च ले चली. परीक्षा के दू गो दौर होखी आ हर दौर में अलगा-अलगा जिला के परीक्षार्थी शामिल होखीहें.
  • भारतीय रिजर्व बैंक आरटीजीएस के समय सात घंटा से बढ़ा के बारह घंटा करे के तय कइले बिया. अब सबेरे आठ बजे से रात आठ बजे ले आरटीजीएस से धन के लेनदेन चल सकी. शनिचर का दिने साँझ साढ़े तीन बजे ले ई सेवा उपलब्ध रही.
  • सीवान जिला के एगो अदालत पहिले अनुमंडल पदाधिकारी रहल प्रभात कुमार सिन्हा के अवमानना के एगो मामिला में दोषी मानत जुर्माना लगा दिहलसि.
  • पश्चिम चंपारण के जोगापट्टी इलाका के रूदलपुर गांव में एगो गाड़ी से कचरइला का चलते एगो नवही के मौत हो गइल.
  • आरा मंडल कारा में बंद एगो विचाराधीन कैदी राजकुमार सिंह के इलाज का दौरान मंंगल का दिने मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up