- 2016 में दक्षेस खातिर भारत एगो उपग्रह अंतरिक्ष में स्थापित करी. एह बात के एलान पीएम मोदी दक्षेस में कइलन. एह शिखर सम्मेलन में 2008 के मुंबई हमलो के चरचा उठवलन मोदी आ कहलन कि आतंकवाद आ अंतर-देशीय अपराधियन का खिलाफ सभके मिल के लड़े के जरूरत बा.
- दक्षेस के 3 गो संपर्क समझौता पाकिस्तान का चलते ना हो पावल. दक्षेस का बइठक में भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी पाकिस्तान के पीएम के नजरअन्दाज करत लउकलन. बाकिर अउरी देशन के प्रमुख से मोदी के गरमजोशी पहिलहीं जस रहुवे.
- उत्तर प्रदेश कॉडर के आईएएस अधिकारी अनूप मिश्रा के लोकसभा के नयका महासचिव बनावल गइल.
- आईसीसी महिला क्रिकेट चैम्पियनशिप के बैंगलुरू में भइल एकदिना मैच में शिखा पांडे (59) के हरफनमौला खेल के सहारे भारत के महिला क्रिकेट टीम दक्खिन अफ्रीका टीम के छह विकेट से हरा दिहलसि.
- भारत में फुटबाल के आई-लीग के टीम भारत एफसी बुध का दिने न्यूजीलैंड के क्रिस ब्राइट के आपन खिलाड़ि बनावे के करार क लिहलसि.
- मध्य प्रदेश के निकाय चुनाव के पहिला दौर के मतदान खातिर प्रचार के काम आजु बुध का दिने थम गइल. मतदान 28 नवंबर के होखे वाला बा आ एकरा खातिर सगरी तइयारी पूरा हो गइल बा. जाने जोग बा कि हाल ही में भइल राजस्थान के निकाय चुनाव में भाजपा के शानदार जीत मिलल जबकि कांग्रेस के करारी हार भइल.
- केन्द्र सरकार देश के वैज्ञानिकन के सेवानिवृत्ति के उमिर 60 साल से बढ़ा के 62 साल करे के सोचत बिया जेहसे कि एह लोग के अनुभव के अधिका लाभ लिहल जा सके.
- केन्द्रीय वित्त मंत्री कहलन कि सरकार बहुते कुछ कइले बिया विदेश में राखल करिया धन वापिस ले आवे खातिर. बाकिर ई दुधारी तलवार पर चलला जइसन बा. सगरी सुबूत विदेशन में बा आ ओह सुबूतन के बटोरे से पहिले नाम उजागर कइल नुकसान करा दी. बतवलन कि एह बीच 250 लोग मान लिहले बा कि ओह लोग के खाता विदेशी बैँकन में बा.
- फुटबाल के सुपर लीग में बुध का दिने गोवा में भइल मैच में गोवा के टीम केरला ब्लास्टर्स एफसी के तीन गोल से हरा दिहलसि. केरला टीम कवनो गोल ना कर पवलसि.
- बाक्सिंग फेडरेशन का तरफ से छँटुआ बना दिहल खिलाड़ी सरिता देवी के पक्ष में सचिन तेंदुलकर खड़ा हो गइल बाड़न. काल्हु एह बारे में सचिन केन्द्रीय खेल मंत्री सर्वानंद सोनोवाल से मिलले. केन्द्रीय मंत्री कहलन कि सरकार एह पूरा मामिला पर फेर से विचारे खातिर अंतर्राष्ट्रीय मुक्केबाजी संघ से निहोरा करी.
- पुर्तगाल के प्रधानमंत्री रहल जोस सॉक्रेट्स के बुध का दिने भ्रष्टाचार, कर चोरी आ नाजयज धन के जायज बनावे का हेराफेरी करे का आरोप में न्यायिक हिरासत में ले के जेल भेज दिहल गइल बा.
- समाजवादी पार्टी से निराश भइला का बाद अमर सिंह अब भाजपा में आवे का फेर में लाग गइल बाड़न. भाजपा नेता ओम माथुर से अमर सिंह के मुलाकात का बाद सियासी पारा गरम होखे लागल बा. कुछ दिन पहिले गोरखपुर जाके महंत आदित्यनाथो से मुलाकात कइले रहलन अमर सिंह.
- मुंबइई पर भइल आतंकी हमला का बरखी का दिने इजरायल हमेशा भारत के साथ देबे के एलान कइलस. एह हमला में चार गो इजरायलीओ नागरिकन के मौत भइल रहुवे.
- मंगल का दिन के गिरावट का बाद बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार में मामूली तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स में 48 अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल.
- देश में 6 गो नया सैनिक स्कूल खोले के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहले बिया. साथही सगरी सैनिक स्कूलन के सरकार अपना अधिकार में लेबे के सोचत बिया.
- सीबीआई प्रमुख चुने का बारे में पेश विधेयक लोकसभा में पारित हो गइल. अब चयन समिति में नेता विपक्ष का बदले सबले बड़का विपक्षी गोल के नेता के सदस्य बनावल गइल बा.
- आजु बुध का दिने करिया धन का मामला पर लोकसभा में पेश कांग्रेस के स्थगन प्रस्ताव के नोटिस लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन खारिज क दिहली. साथही एह पर चरचा करे ला प्रश्न काल रोकहू से नकार दिहली स्पीकर.