pub-4188398704664586

खबर भोजपुरी में (बुध, 5 नवंबर 2014)

by | Nov 6, 2014 | 0 comments

लोकसभा सांसद हेमा मालिनी 5 नवंबर का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से मुलाकात कइली.

लोकसभा सांसद हेमा मालिनी 5 नवंबर का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से मुलाकात कइली.

  • गोवा के मुख्यमंत्री मनोहर पार्रिकर के भारत सरकार के रक्षा मंत्री बनावल जा सकेला. आजु एह बात के जमके चरचा रहल. अतवार का दिने कैबिनेट के विस्तार के उमेद जतावल जात बा. अबकी बेर बिहार से अश्विनी कुमार चौबे आ गिरिराज सिंह के मंत्री बनावल जा सकेला.
  • दिल्ली विधानसभा चुनाव के मद्दे नजर साल 84 के सिक्ख नरसंहार के आरोपियन, जगदीश टाइटलर आ सज्जन कुमार, से राहुल गाँधी चरचा कइलन. एह बात के जानकारी उजागर होखला का बाद पार्टी में विरोध होखे लागल आ सिक्खो लोग नाराजगी जतावल. पुनिया के राज्यसभा के टिकट दिहलो का खिलाफ पार्टी में नाराजगी बा कि जवन आदमी आपन सीट ले ना बचा पावल ओकरा के आगे बढ़वला से का फायदा.
  • मौसम के बदलाव के अंदाज लगावे आ ओह हिसाब से जरूरी योजना बनावे खातिर बनल जलवायु परिवर्तन पर प्रधानमंत्री परिषद के सदस्यन के बदले के फैसला भइल बा.
  • पर्यावरण साफ-सुथरा राखे का उद्देश्य से भारतीय रेलवे अपना चार हजार डीजल इंजनन में बायो-डीजल के इस्तेमाल के बढ़ावा देबे के फैसला कइले बिया. आजु ई बात रेल मंत्री डीवी सदानंद गौड़ा जैव ईंधन-2014 सम्मेलन के उद्घाटन करत कहलन.
  • वाराणसी के चोलापुर इलाका के खरदहा गाँव के सोरह साल के आरती जब अपना साईकिल से भाई-बहिन के स्कूल ले जात रही तबे एगो टैंकर टक्कर मार दिहलसि आ दुनू भाई बहिन के मौत हो गइल. आरती बहुते घवाहिल बाड़ी.
  • न्यूजीलैंड दौरा पर छह गो मैच खेले आइल भारत के महिला हॉकी टीम आजु एक गोल से हार गइल. भारत के टीम एके गो गोल कर पवलसि जबकि न्यूजीलैंड के टीम दू गो गोल दाग दिहलसि.
  • क्रिकेट के भगवान कहाए वाला सचिन तेंदुलकर अपना किताब ‘प्लेइंग इट माई वे’ के विमोचन कइलन. एह मौका पर बहुते पुरनिया खिलाड़ी मौजूद रहले. बरीसन बितला का बाद कुछ विवादित बात एह किताब में डालल गइल बा जेहसे कि किताब के बिक्री बढ़े अइसने कहना बा ग्रेग चैपल के जिनका बारे में बहुते कुछ आरोप लगावल गइल बा किताब में.
  • पर्थ में खेलत अपना दुसरका मैच में भारत के पुरुष हॉकी टीम आस्ट्रेलिया के 2-1 से हरा दिहलसि. पहिला मैच भारत हार गइल रहे.
  • दिल्ली में चलत राष्ट्रीय एथलेटिक्स चैंपियनशिप में धाविका ओ. पी. जैशा आजु 1500 मीटर स्पर्धा के खिताब जीत लिहली. रेलवे के मणिकंदा अरुमुगम 200 मीटर स्पर्धा के स्वर्ण पदक जीतले.
  • राज्यसभा सांसद अखिलेश दास के बसपा राज्य सभा के टिकट दुबारा ना दिहलसि त आरोप लगवलन कि बसपा अध्यक्ष मायावती टिकट बेचेली. दोसरा तरफ मायावती कहले रही कि अखिलेश टिकट ला एक सौ करोड़ रुपिया देत रहले बाकिर ऊ मना क दिहली आ ओकरा के टिकट दिहली जे बसपा खातिर काम करे.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अपना दामाद के आपन निजी सहायक बनवले बाड़न जवना का बाद भाजपा एकरा के गैरकानूनी बतावत आलोचना कइले बिया.
  • उत्तर प्रदेश के समाजवादी पेंशन योजना में मजहबी आधार राखे के आलोचना कइले बिया भाजपा. पूछले बिया कि एह योजना में मजहब के आधार पर लाभ देबे के व्यवस्था काहे कइल गइल बा.
  • मुंबई शेयर बाजार आजु रिकार्ड ऊँचाई छूअत 28000 अंक के पार ले चढ़ गइल आ बाद में 27,916 सेंसेक्स पर बन्द भइल. निफ्टी 14 अंक चढ़ के बंद भइल.
  • अमेरिकी सीनेट के मध्यावधि चुनाव का बाद रिपब्लिकन पार्टी डेमोक्रेटिक पार्टी के छह गो सीट जीत के बहुमत ले लिहले बिया जवना चलते राष्ट्रपति बराक ओबामा के कार्यकाल के आखिरी दू साल दिक्कत वाला होखे के अनेसा जतावल जात बा.
  • दिल्ली विधानसभा के आजु भंग क दिहल गइल. एकरा बाद चुनाव आयोग तीन सीट पर उपचुनाव के अधिसूचनो रद्द क दिहलसि. चुनाव जनवरी भा फरवरी में होखे के उमेद बा.
  • बिहार के सासाराम में आजु बुध का दिने एगो सड़क हादसा में एगो छात्र के मरला से नाराज छात्र जमके बवाल मचवले. एह लोग के कहना रहे कि पुलिस वाले रुपिया ले के ट्रकन के शहर में घुसा देलें जवना से एह तरह के हादसा होखेला.
  • अपना आवास का सोझा फ्लाईओवर बनला से नाराज बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि समाजवादी पार्टी के एह घटिया हरकत के जबाब समय अइला पर दिहल जाई. मायावती का जमाना में ओह सड़क पर पैदलो चलला पर रोक रहुवे जबकि सपा सरकार ओह पर फ्लाईओवर बनवा के यातायात सुगम बना दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586