खबर भोजपुरी में (मंगल, 16 दिसंबर 2014)

by | Dec 16, 2014 | 0 comments

(सोमार, 15 दिसंबर के खबर)

पटना में एगो समारोह में होमगार्डन के संबोधित करत बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी.

पटना में एगो समारोह में होमगार्डन के संबोधित करत बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी.

  • ऑस्ट्रेलिया में सिडनी शहर के एगो कैफे में घेराइल बन्हक लोग के कमांडो कार्रवाई क क छोड़ा लिहल गइल. एह कार्रवाई में दू आदमी के मौत हो गइल आ पाँज लोग घवाहिल गो गइल. बन्हक बना के राखल लोगन में हिन्दुस्तानो के दू आदमी रहुवे जे सही सलामत छूट गइले. कमांडो एक्शन में बन्हक बना के राखे वाला बंदूकधारी हारून मोनिस के मार गिरावल गइल. मराइल लोगन में कैफे के प्रबंधक आ एगो वकील शामिल बाड़े.
  • वस्तु आ सेवा कर, जीएसटी, का बारे में केन्द्र आ राज्य सरकारन का बीच सहमति बनत लउकत बा. अब एह बारे में विधेयक संसद के चालू सत्र में राखल जा सकेला. एह विधेयक से पेट्रोलियम उत्पादन के बाहर राखल जाई, राज्यन के क्षतिपूर्ति देबे खातिर निधि के संवैधानिक व्यवस्था कइल जाई आ प्रवेश कर के एह जीएसटी में शामिल क लिहल जाई.
  • उत्तर प्रदेश सरकार कहले बिया कि राज्य में जबरिया भा बहला फुसला ललचा के कवनो धर्मान्तरण ना होखे दिहल जाई. जिला मजिस्ट्रेट आ पुलिस अधीक्षक के ओह लोग का अधिकार क्षेत्र में होखे वाला अइसन कवनो घटना ला जिम्मेदार मानल जाई.
  • सोमार के अधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम में दू दू रुपिया हर लीटर पर कमी क दिहल गइल बा. मोदी सरकार बनला का बाद से पेट्रोल के दाम में लगातार अठवाँ बेर कमी कइल गइल बा.
  • धर्म परिवर्तन का मुद्दा पर विपक्ष सोमार का दिने राज्यसभा ना चले दिहलस. एह पर संसदीय मामला के राज्‍य मंत्री मुख्‍तार अब्‍बास नकवी कहले कि सरकार चरचा करावे ला तइयार बिया बाकिर विपक्ष चरचा से बेसी पीएम के घेरे के फेर में बावे. सदन के नेता अरुण जेटली पूछलन कि कवना पर रोक लगावल जाय, धर्मान्‍तरण पर आ कि जबरिया धर्मान्‍तरण पर. एक बेर विपक्ष आपन राय बना लेव त सरकार फैसला कर सकी. बाकिर असल में विपक्ष के नीयत में हिन्दूवन के धर्मान्तरण चलावत रहे के मनसा बा बाकिर हिन्दू धर्म में केहू के वापसी पर रोक लगावे के चाह. देश में हर साल बहुते हिन्दूवन के ईसाई भा मुसलमान बनावल जात रहेला जवना पर कवनो राजनीतिक गोल बवाल ना करे.
  • थोक मूल्‍य सूचकांक पर आधारित महँगाई के सालाना दर घट के नवम्‍बर में शून्‍य पर आ गइल बा. खाए पीए के सामानो के दाम में महँगाई के दर घट के शून्‍य दशमलव छह तीन हो गइल बा जवन पिछला तीन साल में सबले कम बा. दोसरा तरफ बेहिसाब सोना आयात का चलते भारत के व्यापार घाटा नवंबर में बढ़के 16 अरब 86 करोड़ डालर हो गइल बा.
  • शेयर बाजार में गिरावट के दौर लगातार जारी बा आ अगिलो महीना ले एह गिरावट के चलत रहे के अनेसा जतावल जात बा. डालर के तुलना में रुपयो कमजोर होखल जात बा आ एक डालर के दाम करीब 63 रुपिया हो गइल बा.
  • विश्‍वनाथन आनंद पहिला बेर लंदन क्‍लासिक शतरंज टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन जब सोमार का दिने पांचवा आ आखिरी मुकाबला में इंग्‍लैंड के माइकल एडम्‍स के हरा दिहले.
  • केन्द्र सरकार साफ कइले बिया कि रसोई गैस सिलिण्डर पर मिले वाला सबसिडी ला आधारे कार्ड होखल जरूरी नइखे. आधार कार्ड नाहियो रहल पर गैस गाहक के बैंक खाता में सबसिडी भेज दिहल जाई.
  • यूपी पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स पुलिस बहाली के लिखित परीक्षा में दोसरा का बदले इम्तिहान देबे आइल सात जने के गिरफ्तार क लिहलसि. ई गिरफ्तारी राजस्थान पुलिस के सहयोग से गौतमबुद्धनगर, बरेली आ झांसी से कइल गइल बा.
  • जौनपुर जिला के कोतवाली थाना इलाका के सिपाह मोहल्ला में बिजली के हाई टेंशन तार टूटके एगो बस आ ट्रक पर गिर पड़ल जवना से ट्रक के मरम्मत करत मिस्त्री आ बस में बइठल एक आदमी के जान चल गइल. बिजली विभाग का तरफ से दुनू के परिवार ला एक एक लाख रुपिया के मुआवजा दिहल जाई. पारिवारिक लाभ योजना के तीस-तीस हजार रूपयो अलग से मिली.
  • रेल मंत्री रहल ललित नारायण मिश्रा के हत्या का मामला में दिल्ली के एगो अदालत अगिला अठारह दिसंबर के सजा सुनाई. पहिले ई सजा आजु सोमार का दिने सुनावे के कहल गइल रहुवे.
  • कान ना देख कउवा कान ले गइल सुन के धावे वाला कहावत के साकार करत देश के कुछ मीडिया वाले बात बढ़ा दिहले कि 25 दिसंबर का दिने स्कूलन में छुट्टी ना दिहल जाई. जबकि केन्द्र सरकार एह बात के पूरा तरह से निराधार आ गलत बतवले बिया. असल में नवोदय विद्यालयन के ओह दिन कुछ आनलाइन कार्यक्रम करावे के कहल गइल बा. नवोदय विद्यालयन में सगरी विद्यार्थी छात्रावासे में रहेले आ छुट्टी का दिने ओहिजा तरह तरह के कार्यक्रम होखत रहेला. 25 दिसंबर का दिने देश के प्रधामंत्री रहल अटल बिहारी बाजपेयी के आ महामना मदनमोहन मालवीय के जयंती का मौका पर सरकार सुशासन दिवस का तरह मनावे के एलान कइले बिया. ओही तारीख के ईसाई समुदाय ईसा मसीह के जयंती मनावेला.
  • बिहार सरकार अपना सगरी शिक्षकन आ कर्मचारियन समेत मुख्यालय जिला आ प्रखंड स्तर के शिक्षा विभाग से जुड़ल अधिकारियन आ कर्मचारियन के छुट्टी रद्द क दिहले. 22 दिसम्बर से 5 जनवरी ले ई लोग स्कूलन में पोशाक, साईकिल, छात्रवृत्ति आ प्रोत्साहन राशि बाँटे के काम करी. बाकिर एकरा बारे में कवनो मीडिया कुछ ना कही काहें कि एकरा के हिन्दूत्व से ना जोड़ल जा सके. देश के अदिकतर मीडिया आ राजनीतिक गोल हिन्दूत्व के विरोध करेले.
  • पटना के नगर आयुक्त कुलदीप नारायण के निलंबन के फैसला पर पटना हाईकोर्ट रोक लगा दिहले बिया. राज्य सरकार से पूछल गइल बा कि बिना अदालत के सहमति लिहले एह तरह के फैसला कइसे लिहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up