खबर भोजपुरी में (शनिचर, 1 नवंबर 2014)

by | Nov 3, 2014 | 0 comments

केन्द्र सरकार के सचिवन से चाय प चरचा करत पीएम मोदी

केन्द्र सरकार के सचिवन से चाय प चरचा करत पीएम मोदी

  • अंबानी परिवार शनिचर का दिने मुकेश अंबानी के पत्नी नीता अंबानी के 51 वाँ जनमदिन का मौका पर वाराणसी के विश्वनाथ मंदिर में माथा टेकलसि. एह खातिर पूरा परिवार आ बाकी लोग अपना हवाई जहाजन से वाराणसी पहुँचल.
  • माले का तरफ से लखनऊ में एगो किताब जारी क के कहल गइल कि राज्य में भाजपा का तरफ से जगहे जगह फिरकावाराना तनाव बढ़ावल जात बा जवन ओकर ‘उत्तर प्रदेश मिशन-2017’ के हिस्सा बा.
  • मैच का दौरान गेंदा से रेफरी पर वार करे आ पानी फेंकला का चलते पुर्तगाल फुटबाल क्लब के डिफेंडर रिकाडरे फेरेरा के पचास बरीज खातिर प्रतिबंधित क दिहल गइल बा.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में गोवा के मारगाव स्टेडियम में गोवा एफसी दिल्ली डायनामोज के 2 बनाम 1 गोल से हरा के टूर्नामेंट में आपन पहिलका जीत दर्ज करवलसि.
  • जवाहर लाल नेहरू के 125वीं जयंती के बाल स्वच्छता वर्ष के रूप में मनावे के सलाह दिहलन पीएम मोदी. शनिचर का दिने जयंती मनावे खातिर गठित राष्ट्रीय समिति के बइठका में मोदी अध्यक्षता कइलन.
  • गडकरी के मानहानि करे के मामिला में अदालत में हाजिर ना होखे वाला दिग्विजय सिंह का खिलाफ अदालत पहिले त जमानती वारंट जारी क दिहलसि बाकिर बाद में दिग्विजय सिंह अदालत में आ के हाजिरी लगवलन आ वारंट रद्द करे के निहोरा कइलन जवना के अदालत मान लिहलसि. दिग्विजय सिंह वादा कइलन कि अब हर तारीख पर हाजिर रहीहें.
  • त्रिलोकपुरी दंगे में पुलिस पर मुसलमानन का खिलाफ पक्षपात करे के आरोप लगावत जेएनयू के मुस्लिम समर्थक विद्यार्थियन के झुंड पुलिस मुख्यालय के बाहर प्रदर्शन कइलसि.
  • शनिचर का दिन से कर्नाटक के बारह शहर के नाम बदल दिहल गइल. बैंगलोर के नया नाम बेंगलुरू क दिहल गइल बा.
  • बिहार जनता दल युनाइटेड के चार गो बागी विधायकन के विधायकी खतम कर दिहलन विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी.
  • शनिचर का दिने उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद अपना स्कूलन के समय में बदलाव क दिहलसि. अब स्कूल सबेरे 8-50 बजे खुलल करीहें सँ. पहिले 9-50 पर खुलत रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up