खबर भोजपुरी में (शनिचर, 17 जनवरी 2015)

by | Jan 17, 2015 | 0 comments

(शुक, 16 जनवरी के खबर)
Shazia_Ilmi_BJP

  • शुक का दिने आम आदमी पार्टी के बड़का नेतन में शामिल शाजिया इल्‍मी भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइली. भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह से भेंट कइला का बाद मीडिया से बतियावत में इल्‍मी कहली कि उनकर मन चुनाव लड़े के नइखे बाकिर पार्टी के फैसला मनीहें. शुके का दिने संगीतकार आ फिल्‍म निर्देशक आनंद राज आनंदो भाजपा में शामिल हो गइलन.
  • दिल्‍ली विधानसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के आखिरी सूची कांग्रेस जारी कर दिहलसि जबकि भाजपा के सूची के कवनो अता पता नइखे. कांग्रेस नई दिल्‍ली सीट से किरण वालिया के मैदान में उतरले बिया. एहीजे से अरविंद केजरीवाल चुनाव लड़तारें.
  • सूचना और प्रसारण राज्‍यमंत्री कर्नल राज्‍यवर्धन सिंह राठौड़ कहलन कि डेरा सच्‍चा सौदा प्रमुख गुरमीत राम रहीम सिंह के फिलिम ‘मैसेंजर ऑफ गॉड’ का बारे में कवनो तरह के दबाव सेंसर बोर्ड पर ना रहुवे. पिछला दिने सेंसर बोर्ड के अध्‍यक्षा लीला सैमसन दबाव के आरोप लगावत इस्तीफा दे दिहले रही. जान जाईं कि एह बोर्ड के गठन पिछला यूपीए सरकार कइले रहुवे आ पीके फिलिम ले के बोर्ड के बहुत आलोचना भइल रहे बाकिर तब लीला सैमसन एह तरह के कवनो लीला ना देखवले रही.
  • शुक के अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 2 रूपिया 42 पइसा आ डीजल के दाम में 2 रूपिया 25 पइसा के कमी हर लीटर पर कर दिहल जाई. ई कमी 16-17 तारीख के बीच रात से लागू होखी.
  • देश में खाद्य भण्‍डारन के बढ़िया इंतजाम सुनिश्चित करे खातिर शुक का दिने आर्थिक मामलन के मंत्रिमंडलीय समिति केन्‍द्रीय पूल में खाद्यान्‍न भण्‍डारण के मापदण्‍ड में संशोधन के मंजूरी दे दिहलसि. अब भारतीय खाद्य निगम के 1 जुलाई से शुरू दुसरका तिमाही में चार करोड़ ग्‍यारह लाख बीस हजार टन के भण्‍डार बनावे के बा जान पिछला बेर से करीब 1 करोड़ टन अधिका बा. एही तरह तिसरका तिमाही में 1 अक्‍टूबर के तीन करोड़ सात लाख सत्‍तर हजार टन खाद्यान्‍न का भण्‍डार बनावे के बा जवन पिछला साल से करीब डेढ़ा रही. बाकिर 1 अप्रैल से शुरू पहिला तिमाही में पिछला साल से तनिका कमे दू करोड़ दस लाख चालीस हजार के भण्‍डार बनावे के बा.
  • देश में एफ. एम. रेडियो के तिसरका चरण के नीलामी करे के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंजूरी दे दिहलसि. 69 गो शहर में 135 चैनल के लाइसेंस नीलामी का आधार पर दिहल जाई. एह नीलामी से राजस्व में साढ़े पांच सौ करोड़ रूपिया मिले के उमेद बा.
  • काल्हु के जोरद‌ार बढ़त का बाद शुक का दिने शेयर बाजार फेरू चढ़ के बंद भइल. शुरुआत मुनाफा वसूली का चलते गिरावट से भइल बाकिर बाजार तुरते चढ़े लागल आ आखिर में सेंसेक्स 46 अंक आ निफ्टी 20 अंक बढ़ के बंद भइल. रुपिया में डालर के मुकाबले 19 पइसा के मजबूती आइल. सोना चांदी के दाम बढ़ गइल.
  • सिडनी में तिकोनिया क्रिकेट सीरीज के पहिला मैच में मेजबान ऑस्ट्रेलिया तीन विकेट से इंग्लैंड के हरा दिहलसि. अगिला मैच अतवार का दिने भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया के बीच मेलबर्न में खेलल जाई.
  • सिडनी में सानिया मिर्जा और बेथानी माटेक सैंड्स एपिया इंटरनेशनल टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्‍स खिताब जीत लिहली लोग. सानिया आ बेथानी के जोड़ी के एह साल के ई पहिला आ करियरके 23वां खिताब रहल.
  • यूपी के सगरी मण्डलायुक्त, जिलाधिकारी आ पुलिस प्रमुख लोग के तहसील दिवस छोड़ रोज सबेरे दस बजे से बारह बजे ले अपना कार्यालय में हाजिर रहत जनता के शिकायत सुने के कहल गइल बा. सगरी शिकायत के एगो पंजी में दर्ज कइल जाई आ ओकर निवारण के जानकारी शिकायत करे वाला के देबे के कहल गइल बा.
  • यूपी विधान परिषद के 12 गो सीट के दुबरसा चुनाव खातिर 13 जने मैदान में बाड़े एहसे चुनाव करावल जरूरी हो गइल बा. सपा के 8 गो, बसपा के 3 गो आ भाजपा के 2 गो उम्मीदवार मैदान में बाड़े. कांग्रेस चुनाव से बाहर रहे के फैसला कइले बिया बाकिर ओकर विधायक का करीहें से चुनाव का दिने देखे के मिली.
  • दू तीन दिन घाम निकलला का बाद शुक का दिने फेरू पूर्वांचल में शीतलहर के दौर लवट आइल बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से मिले खातिर शुक का दिने दिल्ली रवाना हो गइलें. 20 जनवरी के ऊ प्रधानमंत्री से भेंट क के बिहार के बारे में बात करीहें. एने एह बात के ले के राजनीति में अलगे चरचा शुरू बा आ एकर राजनीतिक निहितार्थ निकालल जात बा.
  • शंकर बिगहा नरसंहार के आरोपियन के बरी हो गइला से नाराज भाकपा माले के बंद के थोड़ बहुत असर जहानाबाद आ अरवल में देखे के मिलल.
  • सासाराम सदर अस्पताल के कैदी वार्ड से एगो विचाराधीन कैदी भाग गइल बा.
  • सिवान जिला के मैरवा में उत्पाद विभाग के टीम फुलवरिया तितरा गांव में एगो गैरकानूनी मिनी शराब फैक्टरी पर छापा मरलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up