खबर भोजपुरी में (शनिचर, 24 जनवरी 2015)

by | Jan 24, 2015 | 0 comments

वसंत पंचमी का पावन पर्व पर रउरा सभे ला मंगल कामना.

(शुक, 23 जनवरी के खबर)

नयी दिल्ली में वीरता के राष्ट्रीय पुरस्कार जीते वाला बचवन का साथे मेनका गाँधी आ पीएम नरेन्द्र मोदी.

नयी दिल्ली में वीरता के राष्ट्रीय पुरस्कार जीते वाला बचवन का साथे मेनका गाँधी आ पीएम नरेन्द्र मोदी.

  • आरा के सिविल न्‍यायालय परिसर में पेशी खातिर ले आवत कैदियन के छोड़ावे खातिर एगो मेहरारू आत्मघाती बम विस्फोट क दिहलस जवना का बाद आपाधापी में दू गो बदमाश – लंबू शर्मा आ अखिलेश उपाध्याय – भाग निकलले सँ. ओह मेहरारू के आ संजोग से ओकर बगल में मौजूद एगो सिपाही के ठाँवे पर मौत हो गइल. एक दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल जवना में से चार जने के हालत गंभीर बा.
  • यूपी विधानपरिषद चुनाव में भाजपा के एगो उम्मीदवार दयाशंकर सिंह हार गइलन जबकि सपा के आठो आ बसपा के तीनो उम्मीदवार जीत गइले. भाजपा के एगो उम्मीदवार जीते में सफल रहलन. भाजपा के उमेद रहुवे कि दोसरो दल के कुछ लोग के वोट बटोरे में ओकरा सफलता मिली. ओने परिषद के कानपुर स्नातक खण्ड सीट के उपचुनाव में भाजपा समर्थित उम्मीदवार अरूण पाठक चुना गइलन.
  • भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह शुक का दिने पटना में जननायक कर्पूरी ठाकुर समारोह सभा के संबोधित करत कहलन कि नीतीश कुमार अपना निजी फायदा खातिर बिहार के बरबाद करे वाला लालू प्रसाद से हाथ मिला लिहले बाड़न. चुनाव में जनता उनका के बढ़िया से सिखाई आ भाजपा के बहुमत वाला सरकार बनवाई.
  • भारत आवे से पहिले इंडिया टूडे के दिहल एगो साक्षात्कार में अमरीका के राष्‍ट्रपति बराक ओबामा कहले बाड़न कि पाकिस्‍तान में आतंकियन खातिर बनत पनाहगाह बरदाश्त ना होखी आ पाकिस्तान के चाहीं कि मुंबई आतंकी हमला के दोषियन पर कार्रवाई करे. कहलन कि अमरीका भारत संगे मिल के काम करी.
  • पहिले के कुछ प्रधानमंत्रियन पर देश के सुरक्षा से जुड़ल कुछ मामिला में लापरवाही करे के आरोप लगावे वाला रक्षामंत्री मनोहर पर्रिकर से कांग्रेस ओह लोग के नाम बतावे ना त माफी माँगे के माँग कइले बिया.
  • दिल्‍ली में सांप्रदायिक हिंसा भड़कावे के आरोप भाजपा से लगावे वाला अरविंद केजरीवाल के निंदा कइले बावे चुनाव आयोग आ एकरा के नफरत बढ़ावे वाला आ चुनावी माहौल खराब करे वाला बा कहले बावे. लोग के दोसरा गोलन से घूस ले के आआपा के वोट देबे के बात कहलो खातिर केजरीवाल के नोटिस भेजल गइल बा आ मंगल तकले जवाब मांगल गइल बा.
  • लोकपाल आंदोलन का बेरा संघ आ भाजपा के समर्थन लेबे से कवनो गुरेज ना करे वाला अरविंद केजरीवाल के आआपा गोल पर कांग्रेस भाजपा से मिलीभगत के अछरंग लगवले बिया. सभे पूछत बा कि जब किरन बेदी के भाजपा प्रेम जाहिर रहुवे त कवना कारण से केजरीवाल पहिले उनुके के मुख्यमंत्री बनावल चाहत रहले. जबकि आआपा से भरपूर गारी सुनला का बादो कांग्रेस केजरीवाल के मुख्यमंत्री बनावे खातिर समर्थन दिहले रहुवे आ बेटन के किरिया खाए वाला केजरीवालो ओह किरिया के अनदेखी करत मान लिहले रहुवन.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में पीपुल्‍स डेमोक्रेटिक पार्टी दू गो राज्यसभा सीट ला आपन उम्मीदवार खड़ा करी. ओहिजा से चार गो सीट पर चुनाव होखे वाला बा. पी डी पी नजीर अहमद लवे आ फयाज अहमद मीर के आपन उम्‍मीदवार बनवले बिया.
  • यमन में शिया लड़ाका राष्‍ट्रपति मंसूर हादी के इस्‍तीफा स्‍वीकार करे मना कइला पर देश के संसद पर कब्जा क लिहले बाड़न. तीन गो मंत्रियन के डेरो घेर लिहल गइल बा.
  • यूरोपीय केंद्रीय बैंक तय कइले बा कि यूरोपीय अर्थव्‍यवस्‍था के बढ़ावा देबे खातिर हर महीना 60 अरब यूरो के परिसंपति खरीदी. एह जानकारी का बाद भारत के शेयर बाजार में लगातार सतवों दिने तेजी बरकरा रहल आ सेंसेक्स 273 अंक चढ़ के 29279 पर बंद भइल. निफ्टी 74 अंक चढ़के नया रिकार्ड बनावत 8836 पर बंद भइल. डालर का मुकाबले रुपिया 28 पइसा मजबूत भइल. सोना 150 रुपिया आ चांदी 400 रुपिया महंग हो गइल.
  • आस्‍ट्रेलियाई ओपन टेनिस में चार बार के चैंपियन रहल रोजर फेडरर के आंद्रियाज सेप्‍पी हरा दिहलन. फेडरर अब दौर से बाहर हो गइल बाड़न. डबल्‍स में लिएंडर पेस आ रोहन बोपन्‍ना के जोड़ी पुरुष वर्ग में अउर सानिया मिर्जा आ ब्रूनो सुआरेज के जोड़ी महिला वर्ग में हार के बाहर हो गइल.
  • लखनउ में सायना नेहवाल, पी वी सिंधु, पी कश्‍यप, के श्रीकांत आ एच एस प्रणय सैयद मोदी अंतरराष्‍ट्रीय बैडमिंटन टूर्नामेंट के सिंगल्‍स सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़े.
  • तिकोनिया क्रिकेट सीरीज में ऑस्‍ट्रेलिया फाइनल में आ गइल जब एगो करीबी मुकाबला में ऊ इंग्‍लैंड के तीन विकेट से हरा दिहलस.
  • बस्ती जिला के पुरनिया स्वाधीनता संग्राम सेनानी 94 साल के राम आसरे चौधरी के बियफे का रात उनुका गांव मंझरिया में निधन हो गइल. अंतिम संस्कार आजु राजकीय सम्मान का साथ क दिहल गइल.
  • पूर्वांचल आ बिहार में घाम निकलला का बाद जाड़ा में तनिका कमी आइल बा. बाकिर तेज हवा का चलते साँझ होते फेरू जाड़ कड़ा हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up