खबर भोजपुरी में (शुक, 19 दिसंबर 2014)

by | Dec 19, 2014 | 0 comments

(बियफे, 18 दिसंबर के खबर)
GSLV-Mark3

  • भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन बियफे का दिने आपन अब तक के सबले भारी रॉकेट जी एस एल वी मार्क-3 आ क्रू मॉड्यूल के सफल प्रायोगिक प्रक्षेपण कइलस. एह मिशन के सफलता का बाद दू साल का भीतर भारतो अपना अंतरिक्ष यात्री के अंतरिक्ष में भेज पाई. इसरो के एह सफलता पर राष्‍ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी वैज्ञानिकन के बधाई दिहलन.
  • उत्तर बिहार के कुछ इलाका में बियफे के रात नौ बजे का लगभग भूकंप के झटका आइल जवना के रिक्टर स्केल पर 5.2 मापल गइल. भूकंप के केन्द्र नेपाल में रहुवे आ एकर असर बिहार के राजधानी पटना समेत दरभंगा, मधुबनी, सुपौल, सहरसा, मुंगेर में महसूस कइल गइल.
  • भोजपुरी क षेक्सपियर कहाए वाला भिखारी ठाकुर के जयंती पर बियफे का दिने अनेके जगहा समारोह क के लोग उनका के श्रद्धांजलि दिहल. छपरा में भइल समारोह में जिलाधिकारी कुंदन कुमार समेत अनेके लोग भिखारी ठाकुर के प्रतिमा पर माला चढ़ा के उनुका के सरधा से याद कइल.
  • रेल मंत्री रहल ललित नारायण मिश्रा के हत्या के दोषी चार जने के दिल्ली के कड़कड़डूमा अदालत बियफे का दिने उमिर कैद के सजा सुना दिहलसि. एहनी पर दस-दस हजार रुपिया के जुर्मनो ठोकल गइल बा. जान जाईं कि साल 1975 में भइल एह हत्याकांड के फैसला 39 साल बाद आइल बा.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के तबीयत बियफे का दिने अचानक बिगड़ गइल जब दमा आ जुकाम का चलते उनुका साँस लेबे में तकलीफ होखे लागल. उनुका के तुरते दिल्ली के गंगाराम अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ चार घंटा इलाज का बाद छोड़ दिहल गइल.
  • हिन्दुस्तान का मुंबई में भइल आतंकी हमला के एगो मुख्य आरोपी आ अभियुक्त लश्‍कर-ए- तैयबा के कमांडर जकीउर रहमान लखवी के पाकिस्तान के एगो अदालत जमानत पर रिहा क दिहलस. कहल गइल कि ओकरा खिलाफ कवनो निकहा सुबूत नइखे. भारत एह फैसला पर नाराजगी जतवले बा.
  • पाकिस्तान आतंकवादी मामिलन के दोषी साबित हो चुकल 55 गो आतंकियन के फाँसी देबे के तइयारी शुरु क दिहले बा. एह लोग के फाँसी पर लगावल रोक पेशावर के सैनिक स्कूल में तालिबानी हमला का बाद हटा लिहल गइल बा.
  • लगातार चउथा दिने बियफे के राज्‍यसभा में धर्मान्‍तरण का मुद्दा पर विपक्ष कवनो काम ना होखे दिहलस. सबले खास बात बा कि विपक्ष एह मुद्दा पर चरचा करावे पर तइयार नइखे होखत जबकि सरकार हमेशा से तइयार बिया चरचा करावे खातिर. इहे बतावत बा कि विपक्ष राज्यसभा में आपन बहुमत के बल पर विकास के काम नइखे होखे दिहल चाहत.
  • लोकसभा से मोटर वाहन संशोधन विधेयक 2014 ध्‍वनिमत से पारित हो गइल. एह विधेयक के उददेश्‍य राष्‍ट्रीय राजधानी आ देश के दोसरो जगहन पर चले वाला ई-रिक्‍शा के नियमन कइल जा सके आ बैट्री से चले वाला गाड़ियन खातिर ड्राइविंग लाईसेंस दिहल जा सके.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव के पांचवा आ आखिरी दौर ला चुनाव प्रचार बियफे के साँझ खतम हो गइल. एह दौर के मतदान 20 दिसंबर के करावल जाई. दुनू जगहा के मतगणना 23 दिसंबर के होखी आ ओही दिने परिणामो मिल जाई.
  • पिछले पांच सत्र से होखत गिरावट से पलटी मारत बियफे का दिने मुंबई शेयर बाजार में बढ़त दर्ज भइल. सेंसेक्‍स 416 अंक बढल त निफ्टी 130 अंक. डॉलर के तुलना में रूपिया 50 पइसा मजबूत हो गइल.
  • ब्रिस्‍बेन में चलत भारत आस्ट्रेलिया का बीच दुसरका क्रिकेट टेस्‍ट मैच के दुसरका दिने खेल खतम होखे का बेरा ऑस्‍ट्रेलिया अपना पहिला पारी में चार विकेट का नुकसान पर 221 रन बना लिहलस.
  • सारण जिला में श्रम संसाधन विभाग का ओर से लगावल रोजगार-सह-मार्गदर्शन मेला में 1395 नवहियन के कुछ निजी कंपनियन में रोजगार दिआवल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up