खबर भोजपुरी में (शुक, 21 नवंबर 2014)

by | Nov 22, 2014 | 0 comments

विलायती बग्घी में सवार परिवारवादी सोशलिस्ट मुलायम सिंह यादव आ उनकर बेटा आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.

विलायती बग्घी में सवार परिवारवादी सोशलिस्ट मुलायम सिंह यादव आ उनकर बेटा आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.

  • आजु पीएम मोदी ट्विट क के पूरा दुनिया के बता दिहलन कि अगिला गणतंत्र दिवस का मौका पर अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा खास मेहमान बन के अइहें. ई पहिला बेर होखे वाला बा कि अमेरिका के राष्ट्रपति एह आयोजन पर शामिल होखीहें आ इहो पहिला बेर होखत बा कि अमेरिका के कवनो राष्ट्रपति अपना कार्यकाल में दुसरका बेर हिन्दुस्तान अइहें. ओबामा एहसे पहिले मनमोहन सिंह का प्रधानमंत्रित्व काल में हिन्दुस्तान आइल रहलन.
  • परिवार सोशलिस्ट नेता मुलायम सिंह यादव के उमिर पचहत्तर पार होखे का मौका पर आजम खान के जाजम पर जनमदिन के उत्सव बहुते धूमधाम से मनावल गइल. मुलायम सिंह यादव लंदन से मँगावल गइल विक्टोरिया बग्घी पर अपना बेटा अखिलेश यादव आ भाई शिवपाल सिंह यादव का संगे बइठ के रामपुर में आपन काफिला निकललन. एह आयोजन पर होखे वाला खरचा का बाबत आजम खान कहलन कि धन दाउद, अबू सलेम, तालिबान आ आतंकियन से मिलल बा. एह मौका पर बनल पचहत्तर फीट लमहर केक के मुलायम सिंह यादव तलवार से कटलन.
  • दिल्ली में होखत तीन दिन चले वाला विश्व हिन्दू कांग्रेस का पहिला दिने बोलत विहिप नेता अशोक सिंहल कहलन कि 800 साल बाद हिन्दुस्तान के सत्ता पर हिन्दू सरकार आइल बिया. पृथ्वीराज चौहान का बाद से कवनो हिन्दू सरकार के मौका ना मिलल रहे दिल्ली से सरकार चलावे के. सिंहल के एह बयान का बाद स्वाभाविक रूप से सेकूलर बवाल शुरू हो गइल बा.
  • क्रिकेट के बदनाम करे वाला आरोप से अपना के बेदाग निकलल बतावत बीसीसीआई के अध्यक्ष रहल श्रीनिवासन सुप्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले बाड़न कि उनुका के फेरू बीसीसीआई के अध्यक्ष बन के काम करे के इजाजत दिहल जाव. कोर्ट उनुका के अपना आदेश से अध्यक्ष पद पर काम करे से रोक दिहले रहुवे.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय में आजु शुक का दिने छात्रन के दू गो गुट अपने में भिड़ गइलन. एह लोग का मारपीट से आमो आदमी चोटहिल भइलन. एह बीच चीफ प्राक्टर प्रो॰ ए॰के॰ जोशी के इस्तीफा दिहला का बाद प्रो॰ सत्येन्द्र सिंह के नया प्राकटर बनावल गइल बा. नयका प्राकटर कहलन कि संकट का घड़ी में अपना जिम्मेदारी से भागल नीक ना कहल जा सके आ एह मामिला पर बाद में कार्रवाई कइल जाई.
  • केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु हिन्दुस्तान टाइम्स के लीडरशिप समिट में आपन बात कहत कहलन कि रसोई गैस पर मिले वाला सबसिडी अमीर लोग के ना दिहल जाई आ एह बारे में विचार कइल जा रहल बा. इहो कहलन कि अब कड़ेर फैसला लेबे के समय आ गइल बा जवना से देश में तेजी से आर्थिक सुधार ले आवल जा सके.
  • आजु यूपी बोर्ड परीक्षा के तारीख के एलान क दिहल गइल. इम्तिहान 19 फरवरी 2015 से 23 मार्च का बीच करावल जाई आ हाई स्कूल के रिजल्ट 20 मई अउर इशटर के रिजल्ट 27 मई के निकाल दिहल जाई. हालांकि इम्तिहान के परचावार तारीख के एलान बाद में करे के बात कहल गइल बा.
  • हांगकांग ओपन सुपर सीरीज बैडमिंटन के मुकाबला का क्वार्टर फाइनल में हार के भारत के सानिया नेहवाल बाहर हो गइली बाकिर पुरूष वर्ग के क्वार्टर फाइनल जीत के भारत के श्रीकांत सेमीफाइनल में चहुँप गइले.
  • आपन नौकरी असालतन करवावे खातिर बिहार का मेडिकल काॅलेजन में संविदा पर बहाल नर्स हड़ताल पर बाड़ी. एह लोग के कहना बा कि राज्य कर्मचारी चयन आयोग 6757 पद खातिर वैकेन्सी निकलले रहुवे, लगभग पाँच हजार नर्स आवेदन कइले रही बाकिर 3817 गो नर्से के बहाली भइल. जबकि सरकार के वादा रहे कि सभकर बहाली क दिहल जाई.
  • कोटक महिन्द्रा बैंक में आईएनजी वैश्य बैंक के विलय के एलान का बाद आजु शुक का दिने सेंसेक्स में तगड़ा उछाल देखल गइल आ सेंसेक्स अउर निफ्टी नया एतिहासिक ऊॅचाई पर चढ़ के बंद भइल. कोटक प्रमुख कहलन की एह विलय से केहू के नौकरी पर कवनो खतरा ना आई.
  • रोहतास जिला के सासाराम में ग्रामीण कार्य विभाग में सहायक अभियंता रविन्द्र सिंह के एगो ठिकेदार से ओकर बिल पास करे खातिर पन्द्रह हजार रुपिया घूस लेत घरी रंगे हाथ विजिलेन्स टीम पकड़ लिहलसि.
  • सारण जिला के जलालपुर थाना में तैनात दारोगा मनोज कुमार के दू हजार रुपिया घूस लेत में निगरानी टीम पकड़ लिहलसि. दारोगा एक आदमी के नाम केस डायरी से हटावे खातिर रुपिया लेत रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up