खबर भोजपुरी में (शुक, 7 नवंबर 2014)

by | Nov 8, 2014 | 0 comments

वाराणसी में व्‍यापार सुविधा केंद्र आ शिल्‍प संग्रहालय के शिलान्‍यास का मौका पर संबोधन करत पीएम मोदी

वाराणसी में व्‍यापार सुविधा केंद्र आ शिल्‍प संग्रहालय के शिलान्‍यास का मौका पर संबोधन करत पीएम मोदी

  • आजु शुक का दिने जब प्रधानमंत्री नरेनन्द्र मोदी वाराणसी दौरा पर अइलन त बाबतपुर हवाईअड्डा पर राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव उनकर अगवानी कइले. मोदी दू दिन ले वाराणसी में रहीहें. व्यापार केन्द्र आ हस्तशिल्प कला संग्रहालय के शिलान्यास करत कहलें कि यूपी सरकार जमीन ना दिहलसि त शहर के बाहर बनावल जात बा. अपना संसदीय इलाका के गाँव जयापुर के गोद लेबे का बारे में कहलन कि चुनाव लड़त घरी पहिला बेर एह गाँव के नाम सुनले रहलें जब गाँव में आग लागल रहे आ तबसे एह गाँव के नाम उनुका दिमाग में बस गइल रहे. गाँव के प्रधान जब भाषण देत रहली त मोदी खुद कुर्सी से उठ के उनकर माईक ठीक कइलन. अपना वाराणसी कार्यालय के सूचना केन्द्र में पन्दरह लोग से मुलाकात कइले आ ओह लोग के बात सुनलें. कैंसर से पीड़ित अपना बेटी खातिर गोहार लगावे आइल महतारी के सहायता दिहलन.
  • बदजुबान कांग्रेसी नेता आ यूपी के प्रभारी मधुसूदन मिस्त्री नरेन्द्र मोदी के बेईमान कहलसि. कहलसि कि ऊ मोदी के नस-नस से वाकिफ बा. ओकरा शिकायत रहुवे कि मीडिया जानबूझ के कांग्रेस के निशाना पर रखले बा.
  • बर्दवान विस्फोट के मामिला में एनआईए एगो जेहादी आतंकवादी जिया उल हक के मालदा जिला से गिरफ्तार कर लिहलसि. जिया उल हक बांगलादेश के जमात-उल-मुजाहिदीन के कमांडर साजिद के निकट सहयोगी हवे.
  • फुटबाल के सुपर लीग के कोलकाता में भइल मैच में एफसी पुणे सिटी क्लब आजु शुक का दिने एटलेटिको दे कोलकाता के 3-1 से हरा के लीग तालिका में तिसरका जगहा हासिल क लिहलसि.
  • दुनिया में सोना के दाम तेजी से घटे लागल बा. शुक का दिने देश का बाजार में सोना के दाम हर दस ग्राम के 25800 रुपिया हो गइल जवन पिछला तीन साल में सबले कम दाम बा. कहल जात बा कि दाम अउरिओ गिरे वाला बा. एह बीच सोना के खरीददारी बढ़ गइल बा.
  • केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री हर्षवर्धन शुक का दिने कहलन कि देश में बने वाला हर एम्स में वैकल्पिक चिकित्सा के विभाग खोलल जाई जवना में आयुर्वेद पर विशेष ध्यान रही.
  • कैंसर जागरूकता दिवस का मौका पर बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी एलान कइलन कि राज्य में तंबाकू से बनल जर्दा, पान मसाला वगैरह पर पूरा से रोक लगा दिहल जाई. बाकिर खैनी का बारे में कुछ ना कहलन काहे कि उनकर नेता लोग में से बहुते लोग खैनी के शौकीन ह.
  • भारत के राष्ट्रीय हॉकी अम्पायर धवल प्रजापति के अब अंतर्राष्ट्रीय हॉकी महासंघ का तरफ से अंतर्राष्ट्रीय अम्पायर के दर्जा मिल गइल बा.
  • लगातार तेजी का बाद शुक का दिने शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 47 अंक नीचे गिर के बंद भइल. हर तेजी का बाद मुनाफा वसूली खातिर कुछ बिकवाली होला आ हर गिरावट का बाद कुछ खरीददारी.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी शुक का दिने पटना के गांधी मैदान में 21वां पटना पुस्तक मेला के उद्घाटन कइलन. मेला 18 नवंबर ले जारी रही.
  • केंद्र सरकार में दू गो नया मंत्री बनावे के प्रस्ताव से शिवसेना खुश बिया. हालांकि अबहीं ले महाराष्ट्र में भारतीय जनता पार्टी के अल्पमत सरकार के शिवसेना से समर्थन मिले का बारे में कवनो फैसाल नइखे भइल.
  • मनोहर पर्रिकर कहलन कि गोवा में नयका मुख्यमंत्री शनिचर ले बन सकेलें. मौजूदा मुख्यमंत्री मनोहर पर्रिकर इस्तीफा देके केंद्र सरकार में रक्षा मंत्री के जिम्मेदारी सम्हारे जात बाड़न.
  • स्पाइसजेट के एगो हवाई जहाज सूरत हवाईअड्डा पर भैंसा से टकरा गइल जवना का बाद कंपनी सूरत से आपन उड़ान बेमियादी समय ला टार दिहलसि.
  • पुलिस के भरोसा दिअवला का बाद पीएमसीएच के जूनियर डाक्टर आपन हड़ताल खतम कर दिहले. हालांकि लापता चिकित्सक डॉ. विजय कृष्ण का बारे में अबहीं ले कुछ पता नइखे चलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up