खबर भोजपुरी में (सोमार, 26 जनवरी 2015)

by | Jan 26, 2015 | 0 comments

भारत के गणतंत्र दिवस का मौका पर सगरी भारतवासियन के हार्दिक बधाई!

(अतवार, 25 जनवरी के खबर)

परंपरा तूड़त हवाई अड्डा चहुँप के अमरीकी राष्ट्रपति के स्वागत कइलन भारत के पीएम मोदी.

परंपरा तूड़त हवाई अड्डा चहुँप के अमरीकी राष्ट्रपति के स्वागत कइलन भारत के पीएम मोदी.

  • भारत के दौरा करे आइल अमरीकी राष्ट्रपति आ भारत के पीएम के आपसी समझदारी का पहल पर भारत अमरीका का बीच न्यूक्लियर डील क्लियर हो गइल. दुनू देश आपसी सहयोग आ समझदारी से आगे बढ़त रहीहें. एकरा साथही दस बरीस खातिर दुनू देश का बीच रक्षा सहयोग के समझौतो हो गइल. अमरीका के कुछ उद्योग एहिजा भारत का संगे संयुक्त रक्षा उद्यम शुरु करीहें.
  • पहिला बेर भारत आ अमरीका अपना अपना माथ नेतन का बीच बातचीत खातिर हाॅट लाइन स्थापित करे पर सहमत हो गइले. एकरा से दुनू देश का बीच निरंतर विचार के अदलैन बदलैन हो सकी.
  • हैदराबाद हाउस के लाॅन पर टहलत दुनू 'दोस्त' बराक ओबामा आ नरेन्द्र मोदी.

    हैदराबाद हाउस के लाॅन पर टहलत दुनू ‘दोस्त’ बराक ओबामा आ नरेन्द्र मोदी.

  • राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी अपना संबोधन में कहलन कि जनप्रतिनिधियन के चाहीं कि जनता के मनसा के सम्मान करत विधायिका में चरचा क के नया कानूनन के राह बनावसु. बिना चरचा के अइसन कानून ना बने के चाहीं. उनकर पूरा भाषण भोजपुरी में भोजपुरी के सबले खास वेबसाइट भोजपुरिका डाॅटकाॅम पर दिहल गइल बा.
  • अपना 'दोस्त' बराक ओबामा के अपना हाथे चाय परोसले नरेन्द्र मोदी आ दुनू जने चाय पर चरचा कइलें. एह बारे में कवनो बात बतावे से दुनू जने मना क दिहलन बाकिर बराक ओबामा अतना जरूर बतवलन कि हमनी का सूते का टाइम का बारे में बतियवनी स त पता चलल कि मोदी हमरा से एक घंटा कम सुतेलें. हो सकेला कि नया बाड़न एह चलते. छह साल बाद इहो हमरे लेखा एक घंटा अधिका सूते लगीहें.

    अपना ‘दोस्त’ बराक ओबामा के अपना हाथे चाय परोसले नरेन्द्र मोदी आ दुनू जने चाय पर चरचा कइलें. एह बारे में कवनो बात बतावे से दुनू जने मना क दिहलन बाकिर बराक ओबामा अतना जरूर बतवलन कि हमनी का सूते का टाइम का बारे में बतियवनी स त पता चलल कि मोदी हमरा से एक घंटा कम सुतेलें. हो सकेला कि नया बाड़न एह चलते. छह साल बाद इहो हमरे लेखा एक घंटा अधिका सूते लगीहें.

  • केन्द्र सरकार आज पद्म पुरस्‍कारन के एलान क दिहलसि. देश के उप प्रधानमंत्री रह चुकल आ भाजपा के पुरनिया नेता लाल कृष्‍ण्‍ा आडवाणी, फिल्‍म अभिनेता अमिताभ बच्‍चन अउर दिलीप कुमार, आ पंजाब के मुख्‍यमंत्री प्रकाश सिंह बादल समेत नौ लोग के पदमविभूषण से सम्मानित कइल जाई. मुख्‍य निर्वाचन आयुक्‍त रहल एन॰ गोपालास्‍वामी, संविधान विशेषज्ञ सुभाष कश्‍यप, हरीश साल्‍वे, बिल गेटस, मिलिन्‍डा गेटस, जानू बरूआ आ रजत शर्मा समेत 20 लोग के पदमभूषण आ 75 लोग के पदमश्री सम्‍मान दिहल जाई.
  • लखनऊ में सैय्यद मोदी अंतर्राष्ट्रीय ग्रां-प्री गोल्ड बैडमिंटन चैम्पियनशिप में भारत के साइना नेहवाल महिला सिंगल्स आ पी कश्‍यप पुरूष सिंगल्‍स के खिताब जीत लिहले. फाइनल में साइना स्‍पेन के मारिन कैरोलिना के हरवलू जबकि परुपल्ली कश्यप भारते के के. श्रीकांत के हरा के ई खिताब जीतले.
  • अतवार का दिने हर साल का तरह अबकियो बेर राष्ट्रीय मतदाता दिवस मनावल गइल. लखनऊ में आयोजित कार्यक्रम में राज्यपाल राम नाईक राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी को प्रदेश के सगरी मतदाता के फोटो वाला वोटर कार्ड दिआवे खातिर बधाई दिहलन आ कहलन कि मतदाता सूची में कवनो दोस ना रहे के चाहीं आ कवनो नाम दुबारा मत आ पावे एकर धेयान राखे के चाहीं.
  • बलिया के शिवरामपुर घाट पर बनेवाला पुल के शिलान्यास अतवार का दिने खेल मंत्री आ बलिया सदर के विधायक नारद राय का हाथे कइल गइल. ई पुल पूरा के पूरा यूपी में बने जात बा बाकिर एकरा से बिहार आ यूपी के बीच आवाजाही आसान हो जाई. दू गो राज्य का सीमा में बनीत त हजार गो बेमतलब के पचड़ा जनम जाईत.
  • केंद्र सरकार बिहार के राजेंद्र कृषि विश्वविद्यालय, पूसा के केंद्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा दे दिहलसि. एह बारे में आजु पटना में केंद्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह आ बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के मौजूदगी में समझौता हो गइल. एह काम खातिर माँझी केन्द्र सरकार के आभार जतवलन.
  • बिहार के राजधानी पटना में आयोजित समारोह में तीन गो जिला निर्वाचन पदाधिकारी, तीन गो निर्वाचक निबंधन पदाधिकारी आ दस गो मतदान केंद्र स्तरीय पदाधिकारियन के बेहतर काम कइला खातिर पुरस्कार दिहल गइल.
  • रोहतास जिला के सासाराम में दू गो गुट का बीच मारपीट आ गोलीबारी से सात जने घवाहिल हो गइल बाड़े आ पुलिस तेरह जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • तीन दिन पहिले नरकटियागंज से किडनैप भइल व्यवसायी के आज पश्चिम चंपारण जिला पुलिस बरामद कर लिहलसि. कहे वाला कहत रहसु कि फिरौती मिलला का बाद छोडलें स बदमाश.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up