आडवाणी का बहाने फेरू मोदी पर हमला कइले नीतीश कुमार

by | Sep 16, 2013 | 0 comments

बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू.नेता नीतीश कुमार वरिष्ठ भाजपा.नेता लालकृष्ण आडवाणी लेके नरेन्द्र मोदी पर एक बेर फेरु हमला करत कहले बाड़ें कि मोदी गांव गांव जाके लौह पुरूष सरदार वल्लभ भाई पटेल के प्रतिमा ला लोहा मांगत बाड़े बाकिर अपने पार्टी के लौह पुरूष .आडवाणी.के जंग लागे खातिर छोड़ देले बाड़े.

पटना में जनता दरबार का बाद संवाददाता सम्मेलन में नीतीश कुमार कहलन कि नरेन्द्र मोदी के पीएम उम्मीदवार बना के भाजपा भलही अपना घर मे जश्न मनावत बिया बाकिर ऊ जनता से दूर हो गइल बिया आ एह फैसला के कवनो लाभ भाजपा के नइखे मिले जात.

नीतीश कुमार के कहना रहे कि उनुका त पहिलही एहसास हो गइल रहे कि भाजपा अलग रास्ता चुन सकेले एहीसे ऊ तीन महीना पहिलही ओकरा से नाता तूड़ लिहलें. देश मे भ्रष्टाचार आ महंगाई का खिलार माहौल के भाजपा अलग रास्ता चुनके खतम कर दिहलसि. कहलन कि मुख्य विपक्षी दल होखला क नाते भाजपा के सगरी विपक्ष के एकजुट करे के कोशिश करे के चाहत रहे.

नीतीश इहो कहलन कि कांग्रेस का संगे कवनो तरह के चुनावी तालमेला का बारे में ना त सोचल गइल बा ना पार्टी का सोझा ई कवनो मुद्दा बा.
बिहार के विशेष राज्य के दर्जा मिल जाव त ऊ आगे बात करे का स्थिति में होखीहें लेकिन अबहीं मिलल नइखे विशेष दर्जा.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up