देश दुनिया का साथे भोजपुरी पट्टी के खबर (31 अगस्त 2105, सोमार)

by | Aug 31, 2015 | 0 comments

  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी अपना मन के बात कार्यक्रम में जनता के बता दिहलन कि उनकर सरकार अब भूमि अधिग्रहण अध्‍यादेश के फेरू जारी ना करवाई काहे कि एह पर विपक्ष बेमतलब के हवा बना के लोग के भरमा दिहले बावे. कहलन कि किसानन के डेरइला भा भरमइला के जरूरत नइखे काहे कि सरकार अइसन कवनो काम ना करी जवना से किसानन के परेशानी भा नुकसान होखो. एकरा साथ ही पुरनका भूमि अधिग्रहण कानून में सुधार करत देस के 13 गो अउरी कानूनन के एकरा दायरा में कर दीहल गइल बा. अब ओहू कानून में लीहल जाए वाला जमीन के हरजाना गँवई इलाका में बाजार भाव के चार गुना आ शहरी इलाका में दुगुना मिलल करी.
  • Maharally15रंडी नाच आ लउंडा नाच करवा के आ भोज भात खियवला का बादो लालू नीतीश सोनिया के रैली में मजगर भीड़ ना जुट पावल. एह चलते प्रशासन मीडिया कवरेजो पर रोक लगावे चहलसि जवना से पत्रकारन से विवाद हो गइल. करीब आधा गाँधी मैदान खाली पड़ल रहुवे. रैली में लालू प्रसाद अपना पुरनका लबरई वाला स्टाइल में रहलन आ खुलेआम जाति का नाम पर लोग के बहकावे के कोशिश कइलन. लालू के भाषण से इहे लागल कि यादव लोग उनुका साथे नइखे जवना से ऊ परेशान बाड़न आ बार बार यादव गौरव के बात करत रहलन. कांग्रेस का तरफ से रैली में आइल सोनिया अपना पुरान शैली मे मोदी का खिलाफ बकली. नीतीश के त निसाने एगो रह गइल बा हर बात ला मोदी के खिलाफत कइल.
  • जनता के सुविधा देत अतवार का दिन से एलपीजी गैस खातिर आनलाइन आवेदन के योजना शुरू क दीहल गइल बा. अब गैस कनेक्शन खातिर वितरक के आफिस गइला के जरूरत ना पड़ी आ आनलाइने कनेक्शन मिल जाइल करी. अबहीं एकरा के 12 गो शहर में शुरु कइल गइल बा बाकिर गँवे गँवे एकरा के हर जगहा जहाँ इन्टरनेट कनेक्टिविटी बावे
    शुरु क दीहल जाई.
  • देश के नौ गो राज्य में 305 शहरन के चुनल गइल बा जहवाँ प्रधानमंत्री आवास योजना में गरीब लोग ला मकान बनवावल जाई. सरकार के योजना दू करोड़ शहरी गरीब के आपन मकान देबे के बा. एह ला अगिला छह बरीस में दू लाख करोड. रुपिया से अधिका के सहायता दीही केन्द्र सरकार.
  • कोलंबो में चलत भारत श्रीलंका के बीच होखत तिसरका आ आखिरी क्रिकेट टेस्ट मैच के तिसरको दिने बरखा का चलते खेल पूरा ना हो सकल. अपना दुसरका पारी में खेलत भारत तीन विकेट के नुकसान पर 21 रन बनवले बावे आ श्रीलंका पर ओकर बढ़त 132 रन के हो गइल बा.
  • कर्नाटक के धारवाड़ में हम्पी कन्नड यूनिवर्सिटी के वाइस चांसलर रह चुकल डॉ एमएम कलबुर्गी के गोली मारके हत्या क दीहल गइल. अतवार का भोर मे1 उनुका घर का लगहीं कवनो आदमी उनुका के गोली मार दिहलसि.
  • पाकिस्तान के अशांत बलूचिस्तान प्रांत में अतवार का दिने आतंकी हवाई अड्डा पर हमला क के दू गो इंजीनियरन के मार दिहलें आ ओहिजा के रडार सिस्टम के धसा दिहले. आतंकी बाइक से आइल रहले आ बंदरगाह शहर का रूप में उभरत जिवानी के हवाई अड्डा पर हमला कइले.
  • केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली कहलन कि अब बाप दादा का नाम पर राजनीति करे के जमाना नइखे रहि गइल. साल 1991 के भारतीय इतिहास में एगो निर्णायक मोड़ बतावत कहलन कि अब उहे टिकी जे सबले नीमन होखी. जेटली दिल्ली में नेशनल लॉ यूनिवर्सिटी के तिसरका दीक्षांत समारोह में बोलत रहुवन.
  • करिया कमाई वाला धन पर भारत के कानून से डेराइल स्विस अउर यूरोपियन बैंक अब अपना भारतीय ग्राहकन से कहे लागल बाड़न कि ऊ लोग अपना खाता का बारे में आयकर विभाग के बता देसु. नयका कानून में बैंकन के करिया धन के बढ़ावा देबे के आरोपी बनावल जा सकेला आ ओकरा अधिकारियन के सजा दीहल जा सकेला.
  • खुलेआम मुसलमान राजनीति करे असदुद्दीन ओवैसी से लुकाछिपा के वोटबैंक राजनीति करे वाला परेशान बाड़े. ओह लोग के लागत बा कि ओवैसी का चलते एह वोट बैंक में मतिभरम पसरी आ मुस्लिम वोट जेने तेने छितराए लागी. दोसरा तरफ ओवैसी का चलते हिन्दू वोट एक जगहा बटुराए लागी जवना से सेकूलर गोलन के नुकसान होखी. एगो ऐक्टिविस्ट मोहम्मद मूसा के कहना बा कि पिछला चुनाव में जवन प्रयोग एगो छोट पैमाना पर किशनगंज में अख्तरुल इमान कइले रहलन ओकरे के अब बड़हन पैमाना पर सगरी बिहार में ओवैसी करे जात बाड़न आ एकर फायदा भाजपा के हो जाई. उनकर परेशानी भाजपा के फायदा होखे के डर से बा.
  • सोशल मीडिया पर अतवार का दिने ‘स्वाभिमान रैली’ आ ‘सोनिया की हुंकार’ कुछ देर ला ट्वीटर पर टॉप करत रहल बाकिर देखते देखत ओकर जगहा ‘अपमान रैली’ ले लिहलसि आ एह शोर में स्वाभिमान रैली के चरचा दबा गइल. नीतीश, सोनिया आ लालू के एक दोसरा का खिलाफ कइल गइल पुरनका बयान दोहरा के एह लोग के गठबन्हन के तमाशा बना दीहल गइल.
  • सारण जिला के बनियापुर प्रखण्ड के पंचमहला गाव में नदी के बान्ह टूटला का चलते करीब दस एकड़ धान के फसल बरबादी का कगार पर आ गइल बा. लोग एकर शिकायत प्रशासन से कइलेबा आ प्रशासन बान्ह के मरम्मत करावे के भरोसा दिहले बिया.
  • अपने बाप महतारी के परेशान करे का नियत से घर से भागल दू गो लड़िका वापस आ गइल बाड़े सँ. सारण जिला के पानापुर इलाका के बिजौली गाँव के ई लड़िका साथही पढ़ेलें.
  • सारण जिला के दिघवारा थाना के फरदाहा गांव में छत पर सूतल एगो 13 बरीस के लड़िका छत से गिर गइल. बेहोश छोटू के तुरते अस्पताल ले गइल लोग जहाँ से ओकरा के पटना रेफर क दइहल गइल बाकिर ओहिजा ओकर मौत हो गइल.
  • सिवान जिला के कोड़र गांव का लगे एगो सड़क हादसा में दू गो बाइक सवार घवाहिल हो गइले जवना में से एगो के मौत अस्पताल में हो गइल. जवन स्कार्पियो धक्का मरले रहुवे तवना के चालक वाहन साथे भाग निकलल बा.
  • गोपालगंज के हजियापुर गांव में अतवार का दिने जनरेटर से तार जोड़त एगो नवही के करंट लगला से मौत हो गइल. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर भेज दिहलसि.
  • गोपालगंज में बथना गांव का लगे एगो ट्रक से कचरइला का बाद दू गो बाइक सवारन के मौत हो गइल. नवही यूपी के पटेहरवां इलाका के बतावल जात बाड़े.
  • भोजपुर जिला के गड़हनी थाना के पहरपुर गांव में शनिचर का दिने खेत में बिजली के तार टूट के गिरला से ओहिजा काम करत तीन जने करेंट से झउँस गइले. तीनो के इलाज सदर अस्पताल में करावल जात बा.
  • रोहतास जिला के सुंदरगंज गांव का नियरा अतवार का दिने अवसानी नदी रेल पुल का लगे एगो नवही के लाश मिल. लाश नदी में उफनात बहत जात रहुवे. लागत बा कि ओकर मौत नदी में डूबला का चलते भइल बा.
  • बक्सर सदर अस्पताल के नियरा पुल का लगे ठोरा नदी से अतवार का भोर में एगो औरत के लाश निकालल गइल जवना के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि पुलिस. लागत बा कि कहीं दूर से बह के आइल रहुवे ई सड़ल गलल लाश.
  • गोरखपुर-नरकटियागंज रेलखंड के वाल्मीकिनगर रोड आ पनियहवा के बीच स्थित भपसा पुल का नियरा शनिचर के रात ट्रेन से कटा के एगो आदमी के मौत हो गइल. लाश ले के लौकरिया थाना पुलिस पोस्टमार्टम खातिर भेजवा दिहलसि.
  • बलिया के एगो अल्ट्रासाउन्ड डाक्टर पर उनकर पड़ोसी जानलेवा हमला क के थाना में सरेंडर कर दिहलसि. घवाहिल डाक्टर के जिला अस्पताल से चिकित्सा का बाद वाराणसी रेफर कर दीहल गइल बा. हमला करे वाला के कहना बा कि ओकरा मेहरारू पर डाक्टर के खराब नजर रहुवे.
  • अतवार का दिने बलिया के हल्दी चट्टी का लगे एगो ट्रक से कचरा के चौबे छपरा के एगो चार बरीस के बच्ची के मौत हो गइल. ऊ अपना महतारी संगे टेम्पो से उतरल रहुवे तब ले ट्रक ओकरा के कचार दिहलसि. गाँव वाले ट्रक के पकड़ के पुलिस के दे दीहल. बाकिर ड्राइवर फरार हो गउवे.
  • बलिया के हल्दी के पोखरा बाबूवेल गांव में अतवार का दिने एगो अधेड़ सिपाही के लाश ओकरा घर से मिलल. मरे वाला तीन भाईयन में सबले छोट रहुवे आ घरे रहर रहुवे. दुनू बड़का भाई परिवार साथे बाहर रहेलें.
  • मझौलीराज कस्बा के अपना बूढ़ बाप के आग देबे का नाम पर उनकर बेटन आ बेटियन में मारपीट हो गइल. बाद में पुलिस आ के मामला सम्हरलसि आ बड़का बेटा आग दिहले. बतावल जात बा कि अपना बाप के खराब तबियत का चलते उनकर छह गो बेटियन में से बड़की बेटी अपना ससुरा देवरिया ले के चल आइल जहाँ उनकर मौत हो गइल.
  • देवरिया के खामपार थाना भवानी छापर गाँव के एगो लड़िकी कवनो बात पर अपना कोठरी में फाँसी लगा लिहलसि. बाद में घर के लोग देखल त पुलिस में खबर भइल. फाँसी लगावे के कारण पता नइखे चलल.
  • गाजीपुर के पोस्ताघाट पर डूबल नवहियहन के लाश अतवार का दिने बवाड़े गांव का लगे उपराइल मिलल. ई लोग एगो दाह संस्कार में गइल रहुवे जहाँ नहात घरी पोस्ताघाट पर डूब गउवे.
  • गोरखपुर के द्वारिकापुरी कालोनी में एगो दुकान में घुस के चोरी करत चोरन के शनिचर का रात लोग घेर लीहल त दू गो चोर फायरिग करत निकल भगले बाकिर दू गो के लोग ध लीहल आ पुलिस के हवाले कर दीहल.
  • सहजनवां थाना चौराहा पर अतवार का दुपहरिया में एगो ट्रेलर एगो रिटायर्ड दरोगा के कचार के मुआ दिहलसि. पुलिस ट्रेलर चालक के गाड़ी सहित हिरासत में ले लिहले बिया आ मरे वाला का बेटी के तहरीर पर मुकदमा लिखा गइल बा.
  • मऊ के सहादपुरा में एगो कंप्यूटर के गोदाम में शनिचर के देर रात आग लाग गइल जवना से ओहिजा राखल करीब 25 लाख के कंप्यूटर जर गइल.
  • मऊ के चिरैयाकोट थाना के चंद्रावती गांव में करेंट लगला से एगो नवही के मौत हो गइल. अतवार का सबेरे भइल हादसा का बेरा ऊ कपड़ा प्रेस करे खातिर चलल त खराब मिलल. प्रेस के ठीक कइला का बाद जब ऊ ओकरा के लगवलसि त करेंट मार दिहलसि.
  • मीरजापुर के नटवां तिरहा-शास्त्री सेतु रोड पर मरम्मत के काम चलला का चलते वाहनन के रूट बदल दीहल गइल बा. अब वाराणसी से रीवां जाए वाला बड़हन गाड़ियन के नारायनपुर, पड़री, करनपुर चौकी होत जाए के पड़त बा.
  • शनिचर का रात मीरजापुर के मड़िहान थाना के भावा गांव का नियरा खड़ा एगो ट्रक से आके मैजिक टकरा गइल आ ओकर चालक बहुते घवाहिल हो गइल. अस्पताल ले जात मे ओकर मौत हो गउवे.
  • आजमगढ़ के देवगांव कोतवाली इलाका के हैबतपुर गांव में अतवार के साँझ एगो औरत के जर के मौत हो गइल. मरे वाली के नइहर बलिया के सिकंदरपुर में रहे आ तीन साल पहिले ओकर बिआह भइल रहुवे. उनकर मरद मुंबई में काम करेलें आ ऊ घरे रहत रहुई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up