जौनपुर 05 नवम्बर (वार्ता) केन्द्र सरकार से अनुमति मिलला का बाद जौनपुर जिला के मुगंरा बादशाहपुर इलाका के मादरडीह गांव मे फेरू खोनाई शुरु हो जाई.
बीएचयू के पुरातत्व विभाग के प्रोफेसर डा. अनिल कुमार दूबे बतवले कि मादरडीह गांव मे पुरातत्व विभाग साल 2011 मे खोनाई करवले रहुवे आ ओह समय कुछ महत्वपूर्ण पुरातात्विक अवशेष मिलल रहे.
बतवलन कि मादरडीह टीला में तीन हजार साल पहिले के इतिहास लुकाइल बा. पिछला खोनाई बेरा मिलल अवशेष से साबित होखेला कि तीन हजार साल पहिले ई टीला एगो विकसित नगर रहुवे आ एहिजा से देश.विदेश मे व्यापार होत रहुवे.
अब जब आगा खुदाई करे ला केन्द्र सरकार से अनुमति मिल गइल बा त एह महीना के आखिर ले खुदाई के काम शुरु हो जाई.
0 Comments