टटका खबर : 9 सितंबर 2014

by | Sep 9, 2014 | 0 comments


टटका बिहार


सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव आ सड़क जाम का चलते तनाव बनल रहल.

सोमार का दिने सारण जिला के बनियापुर थाना के सहाजितपुर के स्टेट बैंक शाखा से एगो कर्मचारी के गोली मार के पौने तीन लाख रुपिया लूट लिहल गइल लूटला का बाद अपराधी निकल भगले.

गोपालगंज जिला के मीरगंज थाना के बड़का गाँव बाजार में सोमार का दिने गोली मार के एगो निजी कोचिंग सेंटर चलावे वाला के घवाहिल क दिहल गइल. उनकर हालत बहुत गंभीर बा.

रोहतास में बोलावल समीक्षा बइठक में गलत जानकारी देबे वाला दू गो अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई करे के आदेश केन्द्रीय ग्रामीण विकास राज्यमंत्री उपेन्द्र कुशवाहा दे दिहलन.


टटका यूपी


यूपी भाजपा अपना गोरखपुर के सांसद योगी आदित्यनाथ के जिम्मेदारी अउरी बढ़ाई. सुने में आवत बा कि भाजपा उनुका के आपन प्रदेश अध्यक्षो बना सकेले. पार्टी के गुटबंदी खतम क के हिन्दुत्ववादी ताकतन के एकजुट करे खातिर एह तरह के फैसला बहुते सोच समुझ के लिहले होखी भाजपा.

यूपी के मुख्य सचिव सगरी मण्डलायुक्तन आ जिलाधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़न कि राज्य में सूखा के अनेसा देखत किसानन के जिला स्तर पर जरूरी सुविधा दिहल जाव. जवना जिला में पचास फीसदी से कम बरखा भइल बा ओकरा के सूखाग्रस्त घोषित करे के कार्यवाही शुरु क दिहल जाव आ अइसनका जिलन में राजस्व वसूली मार्च 2015 ले रोक दिहल जाव.


टटका भारत


भारतीय जनता पार्टी अपना एगो नेता शेर सिंह डागर के कारण बताओ नोटिस जारी कइले बिया. सोमार का दिने आ आपा के एगो स्टिंग वीडियो में उनका के आ आपा विधायक दिनेश मोहनिया के पइसा देबे के पेशकश करत देखावल गइल बा. डांगर के कहना बा कि उ कुछउ गलत नइखन कइले आ पइसा कौड़ी के कवनो बाते ना भइल रहे. दिनेश मोहनिया उनका लगे भाजपा से टिकट दिलवावे के निहोरा करे आइल रहले.

सी बी आई निदेशक रंजीत सिन्‍हा एक हप्ता का भितरे जवाब मांगत उच्‍चतम न्‍यायालय कहले बावे कि घोटालाबाजन से उनकर मुलाकात गंभीर मसला बा आ उ एह बारे में हलफनामा देस कि असल बात का रहे. अगर उनका पर लागल आरोप में कुछ सचाई मिलल त उनकर लिहल सगरी फैसला रद्द कइल जा सकेला.

मौसम में सुधार का चलते जम्‍मू-कश्‍मीर के बाढ़ प्रभावित इलाकन में राहत के काम तेज हो गइल बा. वैष्णो देवी यात्रा रात में बंद क दिहल जाई आ सबेरे फेरू शुरू होखी.


टटका बाजार


सोमार का दिेन शेयर बाजार में लिवाल हावी रहले आ सेंसेक्स 27320 पर बंद भइल जवन आजु ले के सबले उपर के स्तर बा. कच्चा तेल के दाम कम होखे के खबर से माहौल बढ़िया रहल आ रुपियो में डालर के मुकाबले दस पइसा के मजबूती देखल गइल.


टटका खेल


अमरीकी ओपन टेनिस मे पुरुष सिंगल्‍स फाइनल में जापान के कई निशिकोरी के मुकाबला क्रोएशिया के मारिन चिलिच से होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up