टटको में टटका खबर : 22 सितंबर 2014

by | Sep 22, 2014 | 0 comments

केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह 22 सितंबर 2014 का दिने बीएसएफ मुख्यालय, नई दिल्ली में गार्ड ऑफ ऑनर के निरीक्षण करत

केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह 22 सितंबर 2014 का दिने बीएसएफ मुख्यालय, नई दिल्ली में गार्ड ऑफ ऑनर के निरीक्षण करत

  • यूपी के राज्यपाल नाम नाईक कुलपतियन के समय सीमा का भितरे परीक्षा करावे, परिणाम घोषित करे आ नया सत्र शुरू करावे के निर्देश दिहले.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बावे कि कंपनीबाग में कवनो तरह के व्यावसायिक भा सामाजिक समारोह ना कइल जा सके.
  • बिहार के जल संसाधन मंत्री आ जदयू नेता विजय कुमार चौधरी कहलन कि सीवान से परिषद का चुनाव में भाजपा के जीत गलत तरीका से भइल बा.
  • बौद्धगया में 26 से 28 सितम्बर ले तीन दिन के इंटरनेशनल बुद्धिस्ट कॉनक्लेव बोलावल गइल बा.
  • अगिला अतवार के अमेरिका में न्यूयार्क के मेडिसन स्क्वायर पर रिकार्ड भीड़ के संबोधित करे वाला नरेन्द्र मोदी एह जगहा अइसन भीड़ संबोधित करे वाला पहिला राजनेता बन जइहें. एह से पहिले पोप एहिजा विशाल भीड़ के संबोधित कइले रहले.
  • सारधा चिट फंड घोटाला में आजु सीबीाई कांग्रेस के पुरनिया नेता आ माल्दा से सांसद अबु हाशिम खान चौधरी से पूछताछ कइलसि.
  • जापान आजु पेशकश कइलसि कि उ मुम्बई अहमदाबाद रुट का अलावहू दोसरो रुट पर हाईस्पीड रेलवे कारीडोर बनावे खातिर वित्तीय मदद समेत हर तरह के सहायता करे ला तइयार बा.
  • गोपालगंज के फुलवरिया इलाका के बथुआ बाजार का एगो घर में गैस सिलेंडर फटला से एगो बच्ची के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइले.
  • छपरा कचहरी टीसन का लगे से देशी कट्टा का साथे चार गो अपराधियन के गिरफतार कइलसि पुलिस.
  • बेतिया के बलथर इलाका में ओरिया नदी का लगे सशस्त्र सीमा बल के जवान दू किलो चरस साथे एगो तस्कर के गिरफतार कइले.
  • गोपालगंज माझा इलाका के हजियापुर गांव का लगे कुछ बदमाश एक आदमी के पीट पीट के मुआ दिहले.
  • सीवान से परिषद चुनाव में भाजपा के जीत पर उप मुख्यमंत्री रह चुकल सुशील कुमार मोदी कहलन कि एके महीना में महागठबंधन के हवा निकल गइल बा.
  • आजमगढ के रौनापार इलाका के बाढूपुरा गांव में काल्हु देर रात दिसा मैदान ला निकलल दलित नाबालिग लइकी से दू गो नवही बलात्कार कइले.
  • अगिला साल जर्मनी में होखे वाला हैनोवर व्यापार मेला में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के जाए के उमेद बतावल जात बा.
  • बिहार के मंत्री रह चुकल पूर्णमासी राम से आजु फेरू पांच करोड़ रूपिया के रंगदारी मांगत जान से मार देबे के धमकी दिहल गइल.
  • सीबीआई कहलसि कि 2जी घोटाला में तब वित्त मंत्री रहल पी चिदम्बरम के भूमिका के जाँच चलत बा.
  • तेलंगाना में दू गो निजी चैनल पर लगावल रोक का खिलाफ मीडिया के लोग धरना प्रदर्शन कइल आ पीएम के गोहारल लोग कि प्रेस के आजादी बचावेला एह मामला में दखल देसु.
  • कोयला उत्पादक कंपनी कोल इंडिया लिमिटेड देश के 161 गो बिजली इकाइयन से कोयला आपूर्ति के समझौता कइलसि.
  • सीवान स्थानीय प्राधिकार से बिहार विधान परिषद खातिर भइल उप चुनाव में भाजपा के टुन्न जी पांडेय राजद आ कांग्रेस समर्थित जदयू उम्मीदवार अजय सिंह के हरा दिहले.
  • बसपा महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव खातिर पाँच गो उम्मीदवारन के नाम जारी कइलसि.
  • भाजपा आ शिवसेना के पचीस साल गठबन्हन के बचे के आस बहुते कम लागत बा.
  • महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव खातिर सीट बखरा का बारे में बतियावे ला कांग्रेस आ राकांपा के बइठक काल्हु होई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय फुटबाल टीम जार्डन से भइल मैच 0-2 से हार के प्रतियोगिता से बाहर हो गइल.
  • पंजाब नेशनल बैंक अपना दस रूपिया के एक शेयर दू दू रुपिया के पाँच शेयर बनवलसि.
  • मंगलयान के तरल इंजन के परीक्षण आजु सफल रहल आ ओकर राहो दुरुस्त कर लिहल गइल. अब मंगलयान 24 सितम्बर के मंगल के कक्षा में प्रवेश कर जाई. पहिलके बेर में अइसन सफलता पावे वाला भारत पहिला देश हो गइल.
  • तैतीस साल बाद केंद्रीय जल संसाधन मंत्री साध्वी उमा भारती आजु गुजरात के पाटन जिला के सिद्धपुर में बिंदुसरोवर का किनारे अपना महतारी के श्राद्ध आ मातृ तर्पण करवली.
  • उच्चतम न्यायालय के निर्देश पर सारधा चिटफंड घोटाला के जांच करत सीबीआई ओडिशा के महाधिवक्ता रहल अशोक मोहंती के उनुका घरे से गिरफ्तार क ले गइल.
  • विदेशी बाजार कमजोर रहला का बावजूद घरेलू लिवाली का चलते शेयर बाजार सोमारो का दिने लगातार चउथा दिने तेजी बनवले रहल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय महिला हाकी टीम सोमार का दिने पूल ए के मैच में थाईलैंड के 3-0 से हरा दिहलसि.
  • अमेरिका यात्रा का दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मुलाकात इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू से होखे के उमेद बा. दुनू जने न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र महासभा के बैठक का बीच अलगा से बतियाई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय फुटबाल टीम जार्डन के खिलाफ पुरूष ग्रुप जी के पहिला राउंड मुकाबला में 0-2 से हार गइल.
  • विधानसभा चुनाव से पहिले राकांपा के भुसावल से विधायक संजय सावकारे आ मुरबाड विधायक किशन कथोरे भाजपा में शामिल हो गइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – स्क्वैश प्रतियोगिता में सोमार के दिन भारत ला शानदार रहल. पुरुष वर्ग में सौरभ घोषाल फाइनल में जगह बनवले आ महिला वर्ग में दीपिका पल्लीकल कांस्य पदक जितवा दिहली.
  • अंतर्राष्ट्रीय बाजार में सोना चाँदी के दाम गिरला का चलते दिल्ली सर्राफा बाजार में सोमार का दिने सोना 120 रुपिया उतरल आ चाँदी 450 रुपिया.
  • ……आ आगंतुक डायरी देबे वाला के नाम बतावे के अपना आदेश पर दुबारा विचार करे के बात मान लिहलसि.
  • उच्चतम न्यायालय 2जी घोटाला मामिला में सीबीआई निदेशक रंजीत सिन्हा के सोमार का दिने दुहरा झटका दिहलसि. सीपीआईएल के याचिका खारिज करे के उनकर निहोरा ठुकरा दिहलसि ……
  • इंचियोन एशियाई खेल – राही सरनोबत, अनीसा सैयद अउर हीना सिद्धू के टीम भारत के 25 मीटर महिला पिस्टल टीम स्पर्धा में कांस्य पदक दिआ दिहलसि. बाकिर एकल स्पर्धा में कवनो पदक ना मिल सकल भारतीय एथलीटन के.
  • केन्द्रीय कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह कहलन कि यूपी सरकार किसान के अनदेखी करत बिया आ कृषि विकास योजना के मद में मिलल विशेष पैकेज के खरचे नइखे कर पावत.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के पुरुष आ महिला टेनिस टीम आजु आपन आपन क्वार्टरफाइनल मैच कजाखिस्तान से हार गइली सँ.
  • भाकपा आरोप लगवलसि कि मोदी सरकार का सौ दिन में 700 ले फिरकावाराना वारदात भइल बा आ कार्पोरेट घराना आ मल्टीनेशनल कंपनियन के देश लूटे के खुला छूट दिहल जात बा.
  • अंतरराष्ट्रीय साख निर्धारण एजेंसी मूडीज कहलसि कि साल 2018-19 ले भारत के सरकारी बैंकन के बेसल तीन के मानक का हिसाब से पूंजी अनुपात बढावे खातिर 2.2 लाख करोड़ रूपिया के जरूरत पड़ी.
  • फिजी के संसद खातिर भइल चुनाव में 2006 से सता पर काबिज सैनिक नेता बोरियो बेनीमरमा के पार्टी 59 प्रतिशत वोट ले के फेरू जीत गइल बिया आ आजु उनुका के प्रधानमंत्री पद के शपथ धरावल जात बा.
  • बसपा के महासचिव स्वामी प्रसाद मौर्य कहले बाड़न कि लोग कवनो हिन्दू देवता खास क के गौरी गणेश के पूजा मत करसु. बसपा एकरा के उनकर निजी राय बतावतिया.
  • महाराष्ट्र आगामी विधानसभा चुनाव में सीट बखरा ले के कांग्रेस आ राकांपा का बीच अउर शिवसेना आ भाजपा का बीचे तनातनी जारी बा. कांग्रेस आ शिवसेना अपना गठबन्हन के साथी के बात सुने के तइयार नइखे.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के स्क्वैश खिलाड़ी सौरभ घोषाल बढ़िया प्रदर्शन करत सोमार का दिने पुरूष एकल सेमीफाइनल मुकाबला 3-0 से जीतके देश खातिर रजत पदक पक्का क दिहलन.
  • भारतीय रिर्जव बैंक आज डालर के मुकाबला रुपिया के संदर्भ दर 60.7875 रूपिया प्रति डालर तय कइलसि. काल्हु ई दर 60.8055 रुपिया रहल.
  • पाकिस्तान के सिंघ प्रांत में अर्धसैनिक रेंजर्स के प्रमुख रिजवान अख्तर के पाकिस्तानी आई एस आई के प्रमुख बनावल गइल.
  • संयुक्त सैन्य अभ्यास करे अमेरिका आइल तीन गो अफगानी सैनिक अधिकारी रहस्मय परिस्थिति में मेसाच्युसेट्स के एगो शॉपिंग मॉल से गायब हो गइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – महिला वालीबाल प्रतियोगिता में निराशाजनक प्रदर्शन करत भारत के टी अपना पहिला मुकाबला में सोमार का दिने जापान से 0-3 से हार गइल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के अमरजीत सिंह नेगी आ अमृत सिंह साइक्लिंग के पुरुष स्प्रिंट क्वालिफाइंग स्पर्धा में 13वाँ आ 14वाँ जगहा अइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय टीम निशानेबाजी में महिला वर्ग के 25 मीटर पिस्टल टीम स्पर्धा में कांस्य पदक जीतलसि.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up