मुहम्मद हामिद अंसारी : भारत के उपराष्ट्रपति

As on 12 August, 2007.

मुहम्मद हामिद अंसारी


विद्वान राजनयिक लेखक आ अल्पसंख्यक आयोग के अध्यक्ष मुहम्मद हामिद अंसारी के जनम १ अप्रेल ९३७ के कलकत्ता में भईल रहुवे. उनुकर बाबूजी के नाम अब्दुल अजीज अंसारी आ महतारी के नाम आसिया बेगम हऽ. उनुकर पुश्तैनी मकान गाजीपुर जिला के मुहम्मदाबाद के युसुफपुर मुहल्ला में बा. लेकिन पूरा परिवार कई साल पहिले से गाजीपुर छोड़ि के चलि गईल आ गाजीपुर से कवनो खास आना-जाना नईखे. पुश्तैनी मकान के हालत खराब बा आ बाहर से देखला पर पूरा खण्डहर लउकेला. हामिद अंसारी तीन भाई हउवन. बड़का भाई खालिद अंसारी आईएएस आफिसर रहलन आ उनुकर देहान्त हो गईल बा. छोटका भाई हारिस अंसारी यूबीआई बैंक के एमडी पद से रिटायर भईला का बाद से पूना में रहेलन. उनुकर पूर्वज दादा डाक्टर मुख्तार अहमद अंसारी १९२७ में कांग्रेस के मद्रास अधिवेशन के सभापति रहन.

हामिद अंसारी के बेगम के नाम सलमा बेगम हऽ आ उनुका दू गो बेटा आ एगो बेटी बाड़ी. बेटा सुलेमान इरान में शादी करके ओहिजे बिजनेस करेलन. बेटी कम्प्यूटर इंजीनियर हई आ अब्बा हामिद अंसारी का साथे दिल्ली में रहेली.

हामिद अंसारी के दूगो रिश्तेदार मुख्तार अंसारी आ अफजाल अंसारी गाजीपुर के बाहुबली का रुप में जानल जाला लोग. विधायक मुख्तार अंसारी भाजपा विधायक कृष्णानन्द राय का हत्या आ कई गो दोसरा मुकदमन का फेर में जेल मे बाड़न. अफजाल अंसारी सांसद हउवन.

हामिद अंसारी के स्कूली पढ़ाई कुछ दिन खातिर गाजीपुर में भईला का बाद शिमला का सेंट एडवर्ड्स स्कूल में आ बाद में कोलकाता के सेंट जेवियर्स कॉलेज आ अलीगढ़ के मुस्लिम यूनिवर्सिटी में भईल. ऊ अलीगढ़ मुस्लिम यूनिवर्सिटी के वाइस चांसलर आ जेएनयू आ जामिया मिलिया में विजिटिंग प्रोफेसर भी रहल बाड़न. उनुकर कैरियर के शुरुआत भारतीय विदेश सेवा से वर्ष १९६१ में भईल. ऊ यूनाइटेड अरब अमीरात, अफगानिस्तान, ईरान आ सउदी अरेबिया में भारत के राजदूत रहल बाड़न आ ऑस्ट्रेलिया में उच्चायुक्त. ऊ संयुक्त राष्ट्र में भारत के स्थायी प्रतिनिधियो रहलन. पश्चिम-एशिया से जुड़ल मुद्दन आ तेल कूटनीति में उनुकर निमन पकड़ मानल जाला. १९८४ में उनुका के पद्मश्री दिहल गईल.

वामपंथी रुझान के मुहम्मद हमीद अंसारी कांग्रेसो के पसन्द हउवन जवना का चलते संप्रग सरकार उनुका के अल्पसंख्यक आयोग के अध्यक्ष बनवलसि. आ आगे चलि के उपराष्ट्रपति के उम्मीदवारो बनवलसि. हामिद अंसारी संप्रग आ वामपंथ के बहुमत का बल पर राजग के नजमा हेपतुल्ला जईसन योग्य आ अनुभवी उम्मीदवार के हरा के उपराष्ट्रपति चुनल गईलन.