सुन्दर दास सोंकिया शुरु कईलन भोजपुरी फिलिम निर्माण
कई गो मल्टीस्टारर आ सुपरहिट हिन्दी फिलिम बना चुकल सुन्दर लाल सोंकिया अब भोजपुरीओ फिलिम बनावे के शुरु कर दिहलन. ऊ अपना कंपनी स्टार ड्रीम्स इन्टरटेंमेंट प्रा॰ लि॰ का बैनर तले जाड़े में बलमा प्यारा लगे बना रहल बाड़न, जवना के काम आजुकाल्ह तेजी से चल रहल बा.
'जाड़े में बलमा प्यारा लगे' में भोजपुरी स्टार विनय आर आनन्द आ मोनालिसा के जोड़ी का साथ छेदी का नाम से मशहूर अभिनेता बालि खास किरदार में बाड़न. फिल्म के निर्माता मुकेश कुमार आ निर्देशक देवमुकेश हउवन. फिलिम के गीत श्याम जी श्यमा के लिखल हऽ आ संगीत दिहके बाड़े अमन के॰ श्लोक.
पारिवारिक तानाबाना पर बुनाइल एह फिलिम में एक्शन इमोशन सब मिली. गीतो बहुत मनपसन्द बनल बाड़ी सन.
चलनी के चाल दुलहा के पोस्ट प्रोडक्शन शुरु हो गईल.
साईं इन्टरटेनमेन्ट्स आ निरहुआ इन्टरटेनमेंट के प्रस्तुति चलनी के चालल दुलहा के शूटिंग पूरा हो गईल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेजी से चल रहल बा.
चलनी के चालल दुलहा में प्रवेशलाल यादव आ शुभी शर्मा के रोमांटिक जोड़ी पहिलका हालि देखे के मिली. साथ में दिनेशलाल निरहुआ आ पाखी हेगडे के जोड़ी बा. साथ में बा लोग संतोष श्रीवास्तव, कानू मुखर्जी, अखिलेश सिंह, मानवेन्द्र, रामनरेश, श्री कुमार, संध्या, ममता तिवारी, निकिता, हरिकेश. मनोज टाइगर अतिथि भूमिका में बाड़े.
निरहुआ हैट्रिक लगवलन
भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव एहू साल ब्लाक बस्टर फिलिमन के झड़ी लगा दिहले बाड़न. एह साल उनुकर निरहुआ चलल ससुराल, लागल रहऽ ए राजाजी, आ खिलाड़ी नम्बर १ बाक्स आफिस पर रिकार्ड तोड़ बिजनेस कईले बाड़ीस न. लागल रहऽ ए राजाजी त तीन करोड़ के व्यवसाय करिके एह साल के सबसे बड़ हिट फिलिम बन चुकल बिया. खिलाड़ी नम्बर एको बढ़िया बिजनेस कर रहल बा.
पिछलको साल निरहुआ के कई गो फिलिम सुपर हिट भईल रहली सन. आकिर निरहुआ के जुबिली स्टार अईसहीं ना नू कहल जाला !