माटी के सौगन्ध स्टार बनवलसि धर्मेश के

स्रोत :- उदय भगत, मुंबई. 9967485359

A scene from Mati ke Saugandh

ए टी पिपरे निर्देशित माटी के सौगन्ध धर्मेश कुमार के रातो रात भोजपुरी सिनेमा के चर्चित कलाकार बना दिहलसि. स्टारडम का पहिलके सीढ़ी पर गोड़ धइले धर्मेश नवहियन के चहेता एंग्री यंग मैन बन गइल बाड़े. मिलल त रहे विनय आनन्द के दोस्त के रोल बाकिर धर्मेश कुछ अइसन कलाबाजी देखवलन कि ऊ विनय के बरोबरी का हीरो के रोल बना लिहलन. विनय के एह फिलिम में शोले के वीरू कहीं त धर्मेश जय साबित भइलन. एह फिलिम में सीमा पाण्डेय, पूनम सागर, निर्मल पाण्डेय, आ सूर्या भी आकर्षण के केन्द्र बा लोग बाकिर धर्मेश सबका पर आपन छाप छोड़ दिहलन. परिणाम भइल कि फिलिम भइल सुपर हिट आ धर्मेश देखनिहारन के चहेता बन गइलन. उनका काम से खुश ए टी पिपरे धर्मेश के एके साथ अपना तीन गो फिलिमन खातिर साइन कर लिहलन.

बी लोढ़ा सिक्यूरिटी लि॰ के अधिकारी धर्मेश एगो भोजपुरी फिलिम माटी हमार माई आ दू गो हिन्दी फिलिम कुंवारा पड़ोसी आ मि॰ चुन्नीलाल खातिर त अनुबंधित भइबे कइलन दीप शर्मा का निर्देशन में बने वाली हिन्दी फिलिम ब्रेकिंग न्यूज खातिरो अनुबन्धित कइल गइल बाड़न. धर्मेश के सितारा बुलन्द बा आ भविष्य उज्जवल.