Bhojpuri Film/ Songs/Music

एह अंक में

भोजपुरिया परदा पर आ रहल बा नया चेहरा आकाश

A scene from Dulha Fuke  Chullha
A scene from Dulha Fuke Chullha

किरण सुलभ प्रोडक्शन के बैनर में बने वाली पारिवारिक कामेडी फिलिम दूल्हा फूंके चूल्हा से भोजपुरिया सिनेमा का परदा पर एगो नया चेहरा आकाश के आगम होखे जा रहल बा.

मासूम मुस्कान आ भोला व्यक्तित्व वाला आकाश एह फिलिम से आपन शुरुआत कर रहल बाड़न आ उहो बतौर नायक. आकाश के किरदार एह फिलिम में एगो सोझ आ मासूम लड़िका के बा जे हनुमान जी के भक्त हऽ. मशहूर समाजसेवी अनिल सुलभ के बेटा आकाश सुलभ एह फिलिम में रोमांटिक लुक में लउकिहन आ उनका साथे नायिका का रुप में रहीहन श्यामली श्रीवास्तव जे एकरा पहिले कई गो भोजपुरी फिलिम आ कुछ सीरियलो में काम कर चुकल बाड़ी. दुनू के लव एंगल में कामेडी बहुते बढ़िया से पिरोवल गइल बा.

फिल्म के कलाकारन आ बाकी के जानकारी भोजपुरिया फिल्म डॉट ओआरजी पर देखीं.

स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624


प्रेम के रोग भईल

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट्स, निरहुआ इंटरटेनमेंट, आ सेन्हूर इन्टरटेनमेंट के फिलिम प्रेम के रोग भईल के एडिटिंग के काम मुंबई के आडियो लैब में चल रहल बा.

Nirahua and Pakhi

कलाकारन के नाम आ बाकी जानकारी

स्रोत अशोक भाटिया, टोटल मीडिया पिपुल, मुंबई. फोन 09221232130, 09769509966.


चलनी के चालल दूल्हा

चलनी के चालल दूल्हा के मिक्सिंग के काम मुंबई का आडियो लैब में चल रहल बा.

Shubhi Sharma and Pravesh Lal

कलाकारन के नाम आ बाकी जानकारी

स्रोत अशोक भाटिया, टोटल मीडिया पिपुल, मुंबई. फोन 09221232130, 09769509966.