Bhojpuri Film/ Songs/Music

कानून हमरा मुट्ठी में

भोजपुरी सिनेमा के नया प्रतिष्ठा दिलवावे वाली दीपा नारायण झा के नयकी फिलिम कानून हमरा मुट्ठी में के शूटिंग पिछला दिने गुजरात के राजपिपला के कई गो लोकेशन पर कइल गइल. आनन्द डी गहतराज के निर्देशन मे बन रहल एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन का साथे तीन तीन गो हीरोइन बाड़ी. रश्मि देसाई, रानी चटर्जी, आ मोनालिसा आपन आपन मोहक अदा बिखेरले बाड़ी. नवोदित कलाकार शुभम तिवारी एह फिल्म से शुरूआत कर रहल बाड़न अपना फिल्मी कैरियर के. मुख्य किरदारन में सुनील पॉल, ब्रजेश त्रिपाठी, धामा वर्मा, आ आलोको यादव के नाम लिहल जा सकेला.

Rashmi and Ravi Kishan

कानून हमरा मुट्ठी में के प्रस्तुतकर्ता हउवें पद्मश्री उदित नारायण झा, निर्मात्री हई दीपानारायण झा. यूडी मूवी आ श्रीरामलखन प्रोडक्शन के बैनर में बनल एह फिलिम के पटकथा आ संवाद एस के चौहान लिखले बाड़े, सह निर्माता में आदित्य नारायण आ सोनू त्रिपाठी के नाम बा. गीत विनय बिहारी के लिखल बा, संगीत राज सेन आ धीरज सेन के, छायांकन नरेन्द्र पटेल के, कला निर्देशन अंजनी तिवारी के. एक्शन जीतू सिंह के, आ नृत्य निर्देशन ओमी के बा.

Monalisa with Sunil Pal

गौर करे के बाति बा कि दीपा नारायण झा के भोजपुरी फिलिम कब होई गवनवा हमार के शूटिंग मारीशस मे कइल गइल रहे आ ओह फिलिम के राष्ट्रीय पुरस्कारो मिलल रहे. बकौल दीपा नारायण झा भोजपुरी सिनेमा के नया नया ऊँचाई तक ले जाये के उनकर सपना बा आ अपना पूरा टीम का सहयोग से एहू फिलिम में ऊ बुलन्दी छू लीहें.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359