Bhojpuri Film/ Songs/Music

बारिश में जलवा देखइहन मुन्नीबाई

सोचीं, मुंबई का झमाझम बरखा का बीच अदरक वाली चाय आ गरमागरम भजिय का साथे थियेटर में मुन्नी बाई के जलवा देखे के मिले त कतना मजा आई!

Rani Chatterjee as Munni Bai

साँचो में अइसने होखे जा रहल बा एही तीन जुलाई से, जब मुंबई के कई गो थियेटरन में सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली के जलवा देख के मिली रउवा सभे के. गाँव देहात में शामियाना लगा के नौटंकी करे वाली लड़कियन के जिनिगी के पीड़ा देखावे वाली एह फिलिम के भोजपुरी के चांदनी बार कहल जाये लागल बा. जे भी एह फिलिम के देखल, उहे मुन्नी बाई नौटंकी वाली के दीवाना हो के रहि गइल.

Muni Bai Nautanki Wali

बिहार में त एह फिलिम के सफलता पुरनका सगरी रिकार्ड तूड़ दिहलसि. एह फिलिम में एक से बढ़ के एक देहाती नौटंकी वाला गाना त बड़लही बा कामेडिओ के एक से बढ़ के एक नजारा बा. फिलिम के निर्माण जितेश दूबे कइले बाड़े जिनकर फिलिम धरमवीर सफलता के नया फार्मूला खोजले रहे.

एह फिलिम में मुन्नी बाई के किरदार निबहले बाड़ी रानी चटर्जी आ उनका साथ नायक का तौर पर बाड़न बाली जिनका के भोजपुरी सिनेमा जगत में छेदी का नाम से जानल जाला. उहे निर्देशितो कइले बाड़न एह फिलिम के.

एह फिलिम के ले के निर्माता जितेशो दूबे बहुते खुश बाड़न. कहलन कि अचके में खयाल आइल कि काहे ना मुंबई के लोगन के मानसून में मुन्नी बाई के जलवा देखावल जाय आ हमार ई आयडिया सबके नीको लागल. बस पेश हो गइल मुंबई के एह साल के बारिश के यादगार बरसात बनावे खातिर मुन्नी बाई नौटंकीवाली तीन जुलाई से.

स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806