Bhojpuri Film/ Songs/Music

गोरकी-पतरकी के धूम

सोचीं, मुंबई का झमाझम बरखा का बीच अदरक वाली चाय आ गरमागरम भजिय का साथे थियेटर में मुन्नी बाई के जलवा देखे के मिले त कतना मजा आई!

A scene from Gorki Patarki Re

बिहार आ उत्तरप्रदेश में आजुकाल्ह भोजपुरी फ़िल्म गोरकी पतरकी रे के धूम बा. ई फिलिम ओह धारणो के गलत साबित कर दिहलसि कि भोजपुरी सिनेमा में सिर्फ नामे चलेला, सुपरेस्टार लोगन के फिलिम हिट होखेले. भोजपुरी के पहिलका डांसिंग स्टार उत्तम कुमार, रानी चतुर्वेदी, रवि शंकर, स्वीटी दत्तानी, अंजन श्रीवास्तव, लिलिपुट, बल्लभ व्यास, राज मेहता वगैरह का अभिनय से सजी ई फिलिम बिहार में जहाँ छठवाँ हफ्ता में चल रहल बिया ओहिजे उत्तरप्रदेश में पिछलका सप्ताह ई फ़िल्म गोरखपुर में रिलीज़ भइल.

गोरखपुर के वितरक आर.के.शुक्ला का मुताबिक बिना सितारा वाली एह फ़िल्म के अतना बढ़िया ओपनिंग मिली ई त सोचहीं ना रहलें. निर्मात्री माधुरी तिवारी कहत बाड़ी कि पहिलके फ़िल्म उनकर हौसला बढ़ा दिहले बिया आ जल्दिये ऊ अपना नया फ़िल्म के घोषणा करे वाली बाड़ी.

गोरकी-पतरकी रे फ़िल्म के सबल पक्ष अभिनेता उत्तम कुमार के अभिनय आ डांस त बड़लही बा, एस.एस.ललित आ रास बिहारी पांडे के लिखल आ विजय कपूर, राजेश ललित के संगीत से सजल गानो लोग के खूब भावत बा.

अपना पहिलके फ़िल्म से भोजपुरी फ़िल्म जगत में आपन जगहा बना लेबे वाला उत्तम के खासियत ओकर टीनएजर रहल बा. बिहार में पहिला बेर कॉलेजिया स्टूडेन्टन के भीड़ एह फिलिम के देखे खातिर उमड़ल बा. गोरकी पतरकी रे जल्दिये मुंबईओ में रिलीज़ होखे वाली बा.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359