Bhojpuri Film/ Songs/Music

बिहार से एगो आउरी चमकत सितारा शक्ति सिन्हा

बालीवुड हो भा पालीवुड, आजु हर जगहा बिहार के कलाकारन के बोलबाला बा. आ एही बोलबाला में अपना सश्कत अभिनय क्षमता का चलते शक्ति सिन्हा के धूम मचल बा.

Shakti Sinha

बिहार के नालन्दा जिला के शक्ति सिन्हा आपन पढ़ाई लिखाई पटना के कालेज आ विश्वविद्यालय से कइलन बाकिर अभिनय का प्रति अपना झुकाव का चलते दिल्ली विश्वविद्यालय के रंगमंचीय गतिविधि में शामिल हो गइलन. एही दौर में मंडी हाउस के एक्ट वन आर्ट ग्रुप कंपनी से जुड़ गइलन जहवाँ से ऊ दिल्ली, मुंबई, देहरादून, राउरकेला, बिलासपुर वगैरह जगहन पर हा के द ग्रेट इण्डियन टॉक शो, किंग लियर, आओ साथी सपना देखें, पुलिसपुलिस सहित कई गो नाटकन में अपना सशक्त अभिनय से दिल्ली थियेटर के सशक्त अभिनेता का रूप में चिन्हाए लगलन.

एही क्रम में किस्मत उनुका के मुंबई ले आइल जहाँ सोनी टीवी के भँवर, सब टीवी के हादसा, स्टार प्लस के राजधानी, सहारा टीवी के कगार आ हकीकत में आपन मौजूदगी दर्ज करवलन. बाकिर असल पहचान मिलल सहारा वन के हास्य सीरियल आओ बहन चुगली करे में बबलू के किरदार से. आ गंभीर किरदार खातिर चिन्हइलन अभिनव कश्यप के धारावाहिक सिद्धान्त से.

Shakti Sinha

छोटका परदा पर उनकर कैरियर के गाड़ी बढ़िये चलत रहे जब भोजपुरी सिनेमा उद्योग के पुनर्जागरण भइल आ अपना माटी से शुरुवे से लगाव राखे वाला शक्ति निर्माता निर्देशक सुनील बुबना के भोजपुरी फिलिम सुहागन बना द सजना हमार से जुड़े से अपना के ना रोक पवलन. एह फिलिम में ऊ भवानी नाम के अपना किरदार से दर्शकन के खूब ताली बटोरलन. ओकरा बाद कुछ निमना रोल खातिर हिन्दी फिलिम धूप, जहर, शूटआउट एट लोखनवाला, भूत अंकल वगैरह में सहायक भूमिका कइलन. तले मौका मिलल प्रसिद्ध निर्देशक प्रकाश झा के महूआ चैनल पर प्रसारित होखे वाला सीरियल बाहुबली में बिन्दा के किरदार करे के. ई किरदार फेर दर्शकन के दिल जीत लिहलसि आ पूरी तरह नकारात्मक एह रोल से शक्ति के जवन इमेज बनल ओह चलते कार्पोरेट कंपनी महिन्द्रा के पहिलका भोजपुरी फिलिम हम बाहुबली में इंसपेक्टर शुक्ला के किरदार मिल गइल.

आजुकाल्ह अनिल अजिताभ के महुआ चैनल पर देखावल जा रहल सीरियल खानदान में शक्ति एगो सकारात्मक भूमिका कर रहल बाड़न जवना के दर्शक खूब पसन्द कर रहल बाड़े. अपना प्रशंसकन के बढ़त संख्या पर शक्ति के कहनाम बा कि ई सब दर्शक लोग के प्यार बा परिवार जन के आशिर्वाद.

स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेंमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624