Bhojpuri Film/ Songs/Music

शाद कुमार के प्रोडक्शन नं १

भोजपुरी फिल्म जगत के मशहूर कैमरा मैन शाद कुमार अब निर्देशन का ओर कदम बढ़ा दिहले बाड़न. बतौर निर्देशक उनकर पहिलका फिलिम के मुहुर्त हालही में सन्नी सुपर साउण्ड स्टूडियो में संपन्न भइल.

Shad and others at the muhurat

इनफिनिटी इंटरटेंमेंट का बैनर तले बने वाली एह फिलिम के निर्माता पी॰मिश्रा आ सह निर्माता बी॰अली बाड़े. मुहुर्त का अवसर पर अभिनेता राकेश पाण्डेय, विजय लाल यादव, अभिनेत्री पूनम सागर, सीमा पांडे, उदय श्रीवास्तव, विलास उजावने, चंदू धनवानी समेत बहुते गणमान्य लोग उपस्थित रहे.

संतोष मिश्रा के लिखल कहानी पर बने वाली एह फिलिम के संगीतकार आ गीतकार रहीहन अशोक कुमार दीप. गीतकार में राम विनोद पासवानो शामिल रहीहन. अब तक अनाम एह फिलिम में बकौल शाद कुमार विनय आनन्द, विराज भट्ट, धर्मेश कुमार, पूनम सागर, विजय लाल यादव, उदय श्रीवास्तव, देव मल्होत्रा, पीयूष चक्रवर्ती, आ राकेश पाण्डेय खास किरदारन में शामिल रहीहन. शाद कुमार कहलें कि फिलिम के शूटिंगो जल्दिये शुरु हो जाई.

स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359