आयटम गर्ल बनली मुख्य नायिका

Seema as lead actress

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिलका बेर कवनो आयटम गर्ल के मुख्य नायिका के किरदार मिलल बा. सर्वश्रेष्ठ आयटम गर्ल के खिताब जीत चुकल सीमा सिंह के निर्माता अनिल अग्रवाल अपना भोजपुरी फिलिम चोरवा बनल दामाद में बतौर मुख्य नायिका साइन कइले बाड़े. सीमा सिंह का संगे नायक का रुप में पवन सिंह रहीहन. सीमा सिंह के अनिले अग्रवाल के फिलिम जोगी जी धीरे धीरे खातिर बेस्ट आयटम डांसर के पुरस्कार मिलल रहे. अनिल अग्रवाल आ निर्देशक राजकुमार त्यागी के कहनाम बा कि एह फिलिम के भोजपुरी के माइलस्टोन फिल्म मानल जाई.

एही फिल्म में एगो आउरी मुख्य नायिका बाड़ी रुबी सिंह. दोसर कलाकारन में अली खान, अमृत पाल, नीलिमा सिंह, माया यादव आ जय सिंह के नाम लिहल जा सकेला. विनय बिहारी के लिखल गीतन के संगीत दिहले बाड़े राजेश गुप्ता आ फिल्म के सह निर्माता बाड़े सुल्तान शेख.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806