सुधाकर पाण्डे के पार्थिव शरीर पंचतत्व में विलीन

सुधाकर पाण्डे का स्मृति में अवार्ड के घोषणा

Sudhakar Pandey

भोजपुरी फिल्म निर्माता सुधाकर पाण्डे के पार्थिव शरीर सुल्तानपुर का सीताकुण्ड घाट पर पंचतत्व में विलीन हो गइल. मुखाग्नि स्व॰सुधाकर पान्डे के पिता श्री त्रिवेणीदत्त पाण्डे दिहलन. एह अवसर पर सुल्तानपुर के तमाम समाज सेवी संगठन के लोग, परिवार जन आ मित्र मौजूद रहलें.

एने मुंबई का अँधेरी आम्बेदकर भवन में आलोक कुमार आ अभय सिन्हा एगो शोकसभा आयोजित कइले जवना में भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल तमाम लोग आपन भावभीनी श्रद्धांजलि दीहल. श्रद्धांजलि देबे वालन में सुनील बुबना, अभय सिन्हा, आलोक कुमार, श्याम बहादुर सिंह, मुकेश पांडे, असलम शेख, राजकुमार पांडे, के॰डी॰, हैरी फर्नाण्डीज, बबलू सोनी, आनन्द गहतराज, कुणाल सिंह, रवि किशन, विनोद गुप्ता, अजय कपूर, ब्रजेश त्रिपाठी, पंकज केसरी, मनोज टाईगर, करण पांडे, रानी चटर्जी, रिंकु घोष, पाखी हेगडे, साधिका रँधावा, अरिमर्दन सिंह, हिमाक्षी, राजेश गुप्ता, धनंजय मिश्रा, विनय बिहारी, विपिन बहार, अशोक कुमार दीप, दिलीप सिन्हा, प्रवेशलाल यादव, गोपाल मेहता, अशोक मेहता, राजेश पप्पू, नरसू, समरजीत, शशिकांत सिंह, प्रशान्त, निशान्त, उदय भगत, विनोद गुप्ता, बिट्टू सरदार, विजय शु्क्ला वगैरह लोग मौजूद रहे.

शोक सभा में कुणाल सिंह सुझाव दिहलन कि सुधाकर पाण्डे के योगदान देखत उनका सम्मान में एगो अवार्ड के शुरुआत होखे के चाहीं. विनोद गुप्ता तुरते हामी भरलन आ कहलन कि अगिला भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह से एकर शुरुआत कर दिहल जाई आ भोजपुरी फिल्म के प्रचार प्रसार करेवाला के एह अवार्ड से सम्मानित कइल जाई.

सुधाकर पान्डे के निधन बहुते कम उमिर में बियफे २० अगस्त २००९ के हो गइल रहे. सुधाकर पाण्डे भोजपुरी सिनेमा के मनोज तिवारी आ दिनेशलाल यादव जईसन सितारा दिहलन आ उनकर बनावल फिलिम ससुरा बड़ा पइसावाला भोजपुरी सिनेमा उद्योग खातिर संजीवनी बन गइल.

दिनेशलाल यादव निरहुआ, मनोज मिश्रा मिहिर आ राघवेन्द्र वगैरह सुल्तानपुर के बानी गांव जा के सुधाकर पाण्डे के परिवार जन का साथे आपन दुख बँटलन आ ढाढ़स बन्हवलन जा.


मुंबई से शशिकांत सिंह आ उदय भगत के भेजल रिपोर्ट