दुल्हा फूंके चुल्हा बन के तइयार हो गइल

भोजपुरिया परदा पर यंग अभिनेता आकाश सुलभ के परिचय प्रस्तुति करावे वाली फिलिम दु्ल्हा फूँके चुल्हा अब बन के तइयार हो गइल बा आ अब एकर प्रदर्शन के घोषणा जल्दिये कइल जाई.

A scene from Dulha Fuke Chullha

किरण सुलभ प्रोडक्शन का बैनर में बनल एह रोमांटिक कामेडी फिलिम में जहाँ अभिनेता आकाश अपना कॉमेडी से लोगन के हँसावत नजर अइहन ओहिजे रोमांटिक दुश्यन में लोगन के आपन दीवाना बना दीहें. अनिल पॉल अन्नू का निर्देशन में बनल एह फिलिम में आकाश के नायिका का किरदार में मिसेज भाग्यशाली फेम श्यामली श्रीवास्तव बाड़ी. दोसरा कलाकारन में भोजपुरिया महानायक कुणाल सिंह, उपासना सिंह, टिंकू तुलसानिया, बीरबल राज, निशी शालिनी, सुबंती बनर्जी, पूनम तिवारी, सुमन, रूपा सिंह वगैरह लोग बा.

बिहार के पटना, हाजीपुर, आ मुंबई का मनोरम लोकेशन पर फिल्मावल एह फिलिम के लेखक आ सहयोगि निर्देशक सोनू सान्याल, गीतकार फणीन्द्र राव, कुक्कू प्रभास, आ सत्येन्द्र स्वामी, संगीतकार मधुमय, आ छायाकार मनोज कुमार बाड़े. फिल्म के प्रचारक प्रशान्त निशान्त बतावत बाड़े कि फिलिम के फर्स्ट कापी जारी हो चुकल बा.


स्रोत प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624