यशपाल शर्मा अब भोजपुरी परदा पर

'लगान', 'टशन', 'गंगाजल', 'लागा चुनरी में दाग' जइसन ब्लाकबस्टर हिन्दी फिलिमन में चरित्र अभिनेता का रुप में आपन धाक जमा चुकल अभिनेता यशपाल शर्मा अब भोजपुरिओ सिनेमा में आ गइल बाड़न. यशपाल शर्मा अब भोजपुरी फिलिम जब प्यार हो गइल में मुख्य भूमिका कइले बाड़े.

Yashpal Sharma and Jesika Singh

भोजपुरी फिलिम जब प्यार हो गइल में यशपाल शर्मा के किरदार एगो नौटंकी चलावे वाला के बा जे रामलीला में राम के किरदार करत करत पइसा खातिर नौटंकी चलावे लागत बा. यशपाल शर्मा के एगो नया अंदाज लोग एह फिलिम में देखी. ब्लैख पैंथर पिक्चर्स का बैनर तले बन रहल एह फिलिम के जेसिका सिंह आ अभिनव मिश्रा मिल के बनावत बा लोग. लेखन आ निर्देशन जगदीश सी पांडे के बा जे एकरा पहिले सुनील शेट्टी अभिनीत बारूद के निर्देशित कइले रहलें.

भोजपुरी फिलिम जब प्यार हो गइल में यशपाल शर्मा का अलावे नवोदित अभिनेता अभिनव मिश्रा, जेसिका सिंह, असरानी, मु्श्ताक खान, पुष्पा वर्मा, महेश राज, सुधीर डाल्वी, गिरीश शर्मा, जय प्रकाश सिंह, राजेश तोमर, गूफी पेंटल वगैरह खास भूमिका में बा लोग.

रोमांटिक इमोशन वाली एह फिलिम के छायाकारी अशोक राव के, एक्शन रियाज सुल्तान के, नृत्य निर्देशन अश्विन कुमार के, कला निर्देशन विजय माइकल के, आ संपादन राकेश ककरिया के बा. गाना रमन द्विवेदी, शेखर अस्तित्व, पं॰रामचंद्र दूबे, आ विष्णु मिश्रा के लिखल बाड़ी स जवना के संगीत का सुर मे सजवले बाड़े विष्णु मिश्रा.

एह फिलिम के प्रचारक प्रशान्त निशान्त बतावत बाड़े कि फिलिम जल्दिये रिलिज होखे वाली बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, इंटरटेनमेंट मीडिया, मुंबई. फोन 09934208664 / 09967996624