चार सौ चालीस वोल्ट वाली एक्शन फिलिम बृजवा

कहे वाला त कहत बाड़न कि हाई वोल्टेज एक्शन में बने वाली हिन्दीओ फिलिमन के हरा दीहि भोजपुरी फिलिम बृजवा. इहो कहत बा लोग कि अइसनका एक्शन वाली भोजपुरी फिलिम अबले नइखे बनल.

Vinay Anand in Brijwa

श्रीकृष्णा क्रियेशन का बैनर में बृजवा बना रहल बाड़ी पायल दुबे आ पेश कर रहल बाड़े जितेश दुबे. निर्देशन कइले बाड़े मंजुल ठाकुर. एह फिलिम में एगो दूगो ना पूरे तीन गो नायक बाड़े विनय आनन्द, सुदीप पान्डे, आ दीपक दुबे. एह लोग के दमदार अभिनय दर्शकन के उठे ना दीहि आ मदमस्त करे वाली नायिका साधिका रंधावा, कल्पना शाह, आ गुंजन पंत लोग के हाय हाय करा दिहन.

Deepak Dubey in Brijwa

एह साल के सबले बड़ हिट फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली आ धरमवीर के चर्चित निर्माता जितेश दुबे भोजपुरी सिनेमा के नया दिशा देबे वाला निर्माता में गिनालें. बृजवा के शूटिंग खूबसूरत लोकेशन पर करावल गइल बा आ फिल्म से निर्देशक मंजुल ठाकुर आ जितेश दुबे दुनो जने बहुते खुश बाड़े.

बृजवा में पावर पैक्ड अभिनेता फूल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, बदरद्दीन अंसारी, संजय पांडे, नीलिमा सिंह, किट्टू, मनोज दुबे आ प्रमोद गोस्वामी खास बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806