इटालियन कन्या के सपना देखऽतारें रविकिशन

सुने में आ रहल बा कि भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रविकिशन आजुकाल्ह एगो इटालियन कन्या के सपना देखऽतारें. मणिरत्नम के फिलिम रावण के छायाकार संतोष सिवन रविकिशन का काम से अतना प्रभावित भइलन कि उनुका के अपान अगिला फिलिम में बतौर नायक साइन कर लिहलें. रविकिशन के ध्यान में राख के ऊ एगो कहानिओ बना डलले बाड़न जवना में रविकिशन बनारस का एगो चोर का भूमिका में होखिहन जवना के एगो इटालियन लड़की से प्यार हो जात बा.

Ravi Kishan in Luck

एकरा आगे के बात संतोष अबही बतावत नइखन. कहेलें कि एहसे बेसी बतावल जल्दबाजी होखी.

भोजपुरी सिनेमा से लोकप्रिय होखला का बाद रविकिशन अब हिन्दी सिनेमा का ओर रुख कर लिहले बाड़न बाकि भोजपुरी सिनेमा से नाता नइखन तूड़ले. बतावेलन कि अबहियो सबसे बेसी भोजपुरी फिलिम उनुके लगे बा.

स्रोत : मुंबई से उदय भगत