पवन सिंह हवाई जहाज में उड़ला से डेरालें

रउरा ई जान के अचरज होखी कि पवन सिंह हवाई जहाज में उड़े से डेरालें आ पूरा सफर का दौरान हनुमान चालीसा के जाप करत रहेलें. जहाँ तक हो सकेला रेलेगाड़ी से चलल चाहेलें पवन सिंह. 'मेंहदी रचईबो तोहरे नाम के' से भोजपुरी सिनेमा में आवे वाला भोजपुरी लोकगायक पवन सिंह कहेलें कि ट्रेन भा कार में कवनो गड़बड़ी होखे त ओकरा के सम्हारल जा सकेला बाकि हवा में उड़त जहाज खराब हो गइल तब? एही चलते ऊ हवाई सफर अक्सर टाल देबेलें आ कई बेर उनकर विदेश यात्रा के कार्यक्रम एही डर से रद्द हो जाला. जब बहुते जरुरी हो जाला तबे हवाई सफर पर जालें आ भर सफर हनुमान चालीसा पढ़त रहेलें.

A scene from Chor Ji Namaste

अपना लोकगायकी से लोगन के दीवाना बना देबे वाला पवन सिंह अब अपना स्वाभाविक अदाकारी से लोगन के मोह रहल बाड़े, उनकर एक दर्जन से बेसी फिलिम बन रहल बाड़ी सन आ सब में उनकर अलग अलग तरह के किरदार बा. बहुते कम उमिर में सफलता के शिखर चढ़ जाये वाला पवन सिंह के सबसे बड़ खासियत उनकर सादगी आ सोझपन हऽ. आजुवो ऊ अपना माटी से बिलग नइखन भइल. अदाकारी का साथ साथ उनकर गायकी आजुवो जारी बा.

कहेलें कि गायकीए से त पहिचान मिलल. अब भला गायकी कइसे छोड़ दीं? अभिनय आ शूटिंग में कतनो व्यस्त रहीं गायकी खातिर समय निकालिये लेबेनी. अपना सफलता के पूरा श्रेय ऊ अपना मातापिता, गुरुजी लोग, आ अपना प्रशंसकन के देबेलें जिनका आशीर्वाद आ प्यार से उनुका ई सफलता मिलल बा.

एह साल २००९ में पवन सिहं के रिलीज भइल फिलिमन में 'प्रतिज्ञा', 'तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो', आ 'पवन पुरवइया' बा जवन तीनो हिट भइली स. आवे वाली फिलिमन में 'कब तक चुप रहीं', 'चोर जी नमस्ते', 'चोरवा बनल दामाद', 'रिक्शावाला आई लव यू', 'ज्वालामुखी', 'जब केहू दिल में समा जा ला', 'ओढ़नी कमाल करे', 'हमरा माटी में दम बा', 'एलाने जंग', आ उदित नारायण के 'बसंती पवन' शामिल बाड़ी स.


स्रोत मुंबई से मु॰खालिद