पंकज केसरी : सफलता के चौका

भोजपुरी अभिनेता पंकज केसरी एक साल में चार गो हिट फिलिम देबे के रिकार्ड तूड़ दिहले बाड़े. एह साल के उनुकर पहिलका सफल फिलिम रहुवे प्रतिज्ञा जवना में ऊ निरहुआ का साथे रहलन. दोसरका सफलता मिलल शहरवाली जान मारेली से. एह फिलिम के ऊ अकेला हीरो रहलन.

Pankaj Kesri

पंकज केसरी के एह साल के तीसरका सफलता मिलल असलम शेख निर्देशित परिवार से जवना में कई गो स्टार रहलन बाकिर जवना में पंकज केसरी आपन अलगा छाप छोड़ दिहलन. बिहार में ई फिलिम अपार सफलता का ओर तेजी से डेग धर रहल बिया. सबसे हाल में मिलल सफलता बा वाह खिलाड़ी वाह के मुंबई में. अब कह सकीले कि पंकज एह साल सफलता के चौका मार दिहले बाड़न.

हालफिलहाल पंकज कई गो नया फिलिम साइन कइले बाड़े. आशा कइल जा सकेला कि बड़का बैनर में बने वाली एहू फिलिमन में ऊ आपन सफलता के दोहरावत रहीहन


स्रोत : मुंबई से शशिकान्त सिंह