शिवा के मैराथन शूटिंग

मूवी मुगल डी॰रामानायडु के पहिलका भोजपुरी फिलिम शिवा के मैराथन शूटिंग हैदराबाद में चल रहल बा. सुरेश प्रोडक्शन का बैनर में बने वाली एह फिलिम के ४० दिन के मैराथन शूटिंग हैदराबाद में अलग अलग स्टूडियो आ लोकेशन पर चल रहल बा. फिल्म के शूटिंग के विधिवत शुरुआत सुपरस्टार वेंकटेश कइलन. फिल्म में शिवा के टाइटिल किरदार में नजर अइहन दिनेशलाल यादव निरहुआ.

D Ramanaidu with Nirahua and Pakhi Hegde

जी सुब्बाराव के निर्देशन में बनत एह फिलिम में दिनेशलाल यादव निरहुआ का अलावे पाखी हेगडे, पी॰डी॰राज, अजय आ मनोज टाइगर के खास किरदार बा.

बकौल दिनेशलाल यादव ऊ एह फिलिम से बहुत उत्साहित बाड़न आ लोग एहमें उनकर नया एक्शन अवतार देखीहें. जानेवाला बात बा कि डी॰ रामाराव भारतीय सिनेमा के सशक्त हस्ताक्षर हउवें आ उनकर भोजपुरी फिलिम बनावल भोजपुरी खातिर सम्मान के बात बा. फिल्म के संगीतकार राजेश रजनीश, गीतकार प्यारेलाल आ रजनीश आ छायाकर प्रकाश हउवन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त, मुंबई आ पटना