सुदीप पान्डे धइलन इमरान हाशमी के रुप

Sudip in a hot scene of Sauten

अब ले एक्शन स्टार का रुप में चिन्हाये वाला सुदीप पाण्डे के जब रउरो सौतन में देखब त इहे कहब कि सुदीप पाण्डे भोजपुरी सिनेमा में इमरान हाशमी जइसन कलाकार के कमी पूरा कर दिहलन.

ड्रामा कंपनी के बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम सौतन में सुदीप पान्डे एक से बढ़ के एक हॉट सीन में लउकिहन आ अपना रोमांटिक रुप के जम के प्रदर्शन करीहन. फिलिम में उनकर आ दिव्या द्विवेदी के एक से बढ़ के एक हॉट सीन बा आ दुनु के रोमांस जम के देखावल गइल बा. दुनु का साथे अन्तरंग दृश्य से सजल एगो गानो फिल्मावल गइल बा एहमें. अतने ना सुदीप का साथे एगो अउरी हसीन बाला नजर अइहन श्रेया नारायण जे एह फिलिम में सुदीप के पत्नी बनल बाड़ी.

सौतन के निर्देशन सुमित राय किंग कइले बाड़न आ निर्माता हउवन महेन्द्र धारीवाल. त चलीं तइयारे रहल जाव सिनेमा का पर्दा पर एह भोजपुरिया इमरान हाशमी के देखे खातिर काहे कि फिलिम जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त मुंबई आ पटना से